indira-samman1
हिन्दी के मशहूर पत्रकार आ कोलकाता के सबले बड़का हिंदी अखबार सन्मार्ग के सम्पादक हरिराम पाण्डेय के पिछला दिने इंदिरा प्रियदर्शनी पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल.

कोलकाता के ‘स्वर लहरी’ संस्था पिछला मंगल के साँझ महाजाति सदन के एनेक्सी हॉल में आयोजित एगो समारोह में ई सम्मान दिहलसि. समारोह के वक्ता लोग हरिराम पाण्डेय के युगांतकारी पत्रकार बतावत कहले कि उनका संपादकीय में सच के तेज का साथही साफगोई आ बेलागपनो होखेला. पाण्डेयजी के लेखनी में समाज के दिशा देबे के लियाकत होला जवन देश के सामाजिक समरसता बनवले राखे में महती भूमिका निबाहेले.

संचालन करत संस्था के अध्यक्ष श्याम सुंदर पोद्दार कहलन कि हरिराम पाण्डेय अइसन परिवार के हउवें जवना के राष्ट्रीयतावाद से गहीर नाता बा. ई एगो अइसन पुलिस अधिकारी के बेटा हईं जे अंगरेजन का राज में चंद्रशेखर आजाद के भागे के सलाह दिहले रहले काहे कि चंद्रशेखर के जान प खतरा रहुवे. अलग बात बा कि आजाद भगले ना आ मरा गइले.

पोद्दार जी के कहना रहे कि रखले हरिराम पाण्डेय के अगुवई में सन्मार्ग अनेके मशहूर समाचारपत्र घरानन के अखबारन से लोहा लेत पश्चिम बंगाल में आपन अव्वल दर्जा बनवले रखले बा.

कार्यक्रम में मुख्य अतिथि रहनी न्यायाधीश रहल चित्तरंजन बाग आ समाजसेवी केदारनाथ धूत समेत अनेके लोग मौजद रहुवे. संस्था के संयोजक विजय गुजरवासिया, महामंत्री राजेश खन्ना, समाजसेवी भानीराम सुरेका वगैरह अनेके लोग कार्यक्रम में शामिल रहल.

Loading

By Editor

%d bloggers like this: