महुआ टीवी पर देखावल जा रहल शो “के बनी करोड़पति” के आजु का शो में बाप बेटी आमने सामने होइहें. शो “के बनी करोड़पति” के एंकर बाड़न शत्रुघ्न सिन्हा आ आजु उनका सामने वाला हॉट सीट पर बइठे जा रहल बाड़ी उनुकर बेटी, बालीवुड अभिनेत्री सोनाक्षी सिन्हा. पहिला बेर कवनो शो में ई बाप बेटी एक साथ नजर आवे वाला बाड़न.

सोनाक्षी के भोजपुरी बोले ना आवे आ एह कार्यक्रम खातिर उनुका कामचलाऊ भोजपुरी सीखे के पड़ल. तबहियो शो के अधिकातर संवाद ऊ हिन्दिये में बोलले बाड़ी. फादर्स डे का अवसर पर आजु के एह खास एपिसोड में सोनाक्षी अपना जिनिगी के कुछ अनछूअल पहलू सामने ले अइहें. बतइहें कि उनुका स्कूल में फुटबाल पसन्द रहे आ ऊ गोलकीपर रहत रही. दस हजार रुपिया जीतला का बाद कंप्यूटर महाराज अरबाज खान के फोन लगइहें आ ओही दौरान दबंग के संवाद के चर्चा होखी. शत्रुजी का कहला पर सोनाक्षी संवाद सुनइहें, “थप्पड़ से डर नहीं लगता साहब, प्यार से लगता है.” सवालन का क्रम में जब “खुदगर्ज” के गाना “यहीं कहीं जियरा हमार” आई त बाप बेटी दुनु झूमे लगीहें. सोनाक्षी के पसन्दीदा फिल्मन से में ह खुदगर्ज. शत्रु जी का पूछला पर सोनाक्षी बतइहें कि उनुका लव कुश दू भाइयन में से एगो से पटेला दोसरका से ना. अंत में जब पुरस्कार जीतला का बाद चेक साइन करे खातिर शत्रु जी आपन कलम खोजीहें त पता चली कि कलम त ले आइले भूला गइल बाड़े. सोनाक्षी कलम ले आवे जइहें त ओने से अपना साथे साथ अपना माई पूनमो जी के लिअवले अइहें.

के बनी करोड़पति से जीतल धन राशि सोनाक्षी दू गो एनजीओ, प्रयास आ सलमान खान के बिंइंग ह्यूमन, के बाँट दीहें. एह शो के प्रसारण आजु शुक का साँझ होखे जा रहल बा रात नौ बजे से.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

Loading

One thought on “बाप बेटी आमने सामने”
  1. सब कुछ बढ़िया बा पर नीचवा के लइनिया खटकता…कमइहें भोजपुरी से….उनके देखी भोजपुरिया लोग..त पइसवा उनकरा भोजपुरी चाहें भोजपुरिया समुदाय की भलाई में खरच करे के न चाहीं।। जय हो।।

    हा हा हा हा…दिल पर केहू मत ली भाई….आदत से मजबूर बानी।।

Comments are closed.

%d bloggers like this: