भाई जी भोजपुरिया के निधन से भोजपुरी जगत सदमा में

बी एन तिवारी माने कि बैद्यनाथ तिवारी के लोग उनुका नाम से कम आ भाई जी भोजपुरिया के नाम से बेसी जानत रहुवे. ब्रह्यपुर के लगे गंगा नदी आ धर्मावती नदी के बीच में बसल गाँव नंदपुर में उनुकर जनम भइल रहुवे.
BhaiJiBhojpuria
पिछला चालीसो बरीस से अधिका से भोजपुरी आन्दोलन में लागल भोजपुरी ला समर्पित भाई जी भोजपुरिया के बिना शायदे कवनो सभा सम्मेलन होखत रहुवे भोजपुरी वालन के. चाहे कार्यक्रम देश में होखत होखो भा मारीशस वगैरह देशन में. भोजपुरी के लगभग हर बड़का कार्यक्रम में भाई जी मौजूद रहत रहीं आ हर आयोजन में उहाँ के सक्रिय भागीदारी रहत रहुवे.
करीब चौहत्तर बरीस के भाई जी भोजपुरिया काल्हु सोमार का दिने अपना राँची वाला घर में चिर निद्रा में चल गइनी. रात में ना कवनो हलचल ना कवनो दरद पीड़ा के शिकायत. आजु मंगल का भोर में लोग उहाँ के अपना बिस्तर पर चिर निद्रा में सूतल पावल आ सन्न रह गइल भोजपुरी समाज. भाई जी के अंतिम संस्कार बुध का दिने वाराणसी में कइल जाई.
एह खबर सबसे पहिले हमरा रामरक्षा मिश्र विमल जी के मैसेज से मिलल. उहाँ के आपन श्रद्धांजलि पोस्ट कइले रहीं. बाद में फेसबुक पर देखनी त सगरी भोजपुरिया समाज भाई जी के शोक में आकुल व्याकुल मिलल.
हमार दुर्भाग्य कि हमरा कबो भाई जी के लिखल कवनो लेेख पढ़े के ना मिलल, ना कबो उहाँ के कवनो संबोधन सुने के मौका. मिले के त बाते दूर बा काहे कि हम कवनो समारोह सम्मेलन में जात ना रहीं. एने एकाध गो में गइबो कइनी त ओह आयोजन में भाई जी के मौजूदगी ना मिलल. भाई जी के विचारो का बारे में जाने सुने के मौका ना मिलला के अफसोस रही बाकिर जवना तरह हर आयोजन मेंं आ हर भोजपुरी संस्था भाई जी के अपना माथ पर आदर का साथे राखत रहुवे एहसे अंदाजा लगा सकीलें कि भाई जी भोजपुरी खातिर पूरा सहजोग देत होखब. समय त देते रहीं.
जइसन अक्सर होखेला भोजपुरी के एकसेएक मूर्धन्य लिखनिहारन का बारे में नेट पर खोजलो ना खोजा पावे, आ इहे आजु भाई जी काबारे में जानकारी बटोरत देखनी. ना त परिवार का बारे में कवनो जानकारी पा सकनी ना उहाँ के बाकी जिनिगी का बारे में.
भोजपुरिका आ अंजोरिया परिवार का तरफ से भाई जी भोजपुरिया के शत शत नमन का साथे भाव भरल श्रद्धांजलि देत रउरा सभे से निहोरा बा कि जतना कुछ जानकारी दे सकीं एह पोस्ट का नीचे कमेंट में देत जाई.
संपादक, भोजपुरिका


भोजपुरी के भीष्म भाईजी भोजपुरिया के मुम्बई में “अभियान” के श्रद्धांजलि

Abhiyan-Bhaiji
पुलिस विभाग के महत्वपूर्ण पद पर काम कर चुकल, सामाजिक मनई आ कला प्रेमी, अउर विश्व भोजपुरी समाज मंच के अंतर्राष्ट्रीय अध्यक्ष बी.एन.तिवारी के निधन मंगल का भोर में हो गइल.

भाईजी के निधन पर मुम्बई के सामाजिक सांस्कृतिक संस्था “अभियान” विलेपार्ले में बइठक क के श्रद्धांजलि दिहलसि. अभियान के अध्यक्ष अमरजीत मिश्र भाईजी के व्यक्तित्व आ भोजपुरी खाति उनुका लगन आ जुड़ाव का बारे में बतवलन. पत्रिका ‘भोजपुरी पंचायत’, दिल्ली के सम्पादक कुलदीप श्रीवास्तव भाईजी के भोजपुरी भाषा ला निष्ठा के सराहत आपन श्रद्धांजलि दिहलन. अउरीो वक्ता लोग भाई जी के निधन के भोजपुरी भाषा आ एकरा आंदोलन पर आघात बतवलन.

फ़िल्म अभिनेता रवि किशन भाईजी भोजपुरिया के भोजपुरी के भीष्म बतवलन. फ़िल्म निर्माता अभय सिन्हा कहलन कि उनका निधन से भोजपुरी समाज को गहीर आघात लागल बा आ उनकर कमी हमेशा खली. योगेश राय आ आर एस दुबे वगैरह अउरीओ लोग भाईजी के विनम्र श्रद्धांजलि दीहल.

Loading

One thought on “भाई जी भोजपुरिया के निधन से भोजपुरी जगत सदमा में”

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up