पटना १८ दिसंबर. आखिरकार फ़िलिम अभिनेत्री वैष्णवी के मेहनत सफल भइल आ उनकर दीहल भिखारी ठाकुर के मूर्ति पर माला चढ़ा के बिहार भोजपुरी अकादमी भिखारी ठाकुर के १२६ वीं जयंती मनवलसि.
जाने जोग बा कि ढेर दिन से वैष्णवी लागल बाड़ी कि बिहार के राजधानी पटना में भिखारी ठाकुर के मूर्ति लगावल जाव. पटना के प्रेमचंद रंगशाला में आयोजित जयंती समारोह के उदघाटन कइला क बाद राज्य के शिक्षा मंत्री पी के शाही, भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष चंद्रभूषण राय आ मौरिशश के पूर्व मंत्री जगदीश गोवर्धन के हाथे वैष्णवी के सम्मानित कइल गइल. भोजपुरी क्षेत्र में उल्लेखनीय योगदान दिहला खातिर अभिनेत्री वैष्णवी के भोजपुरी अकादमी अंगवस्त्र आ प्रतीक चिन्ह दे के सम्मानित कइल गइल.
एह मौका प भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष चंद्रभूषण राय वादा कइलन कि भोजपुरी के सेक्सपियर भिखारी ठाकुर के १२७ वीं जयंती से पहिले राजधानी पटना के कवनो बड़ चौराहा प भिखारी ठाकुर के आदमकद प्रतिमा लगावल जाई आ उनकर जयंती समारोहो भव्य रूप से मनावल जाई.