सोमार का दिने संसद में भोजपुरी आ राजस्थानी भाषा के संविधान का आठवीं सूची में शामिल करावे खातिर ध्यानाकर्षण प्रस्ताव ले आवे के सूचना माननीय सांसद संजय निरुपम, डा॰रघुवंश प्रसाद सिंह, आ जगदम्बिका पाल का तरफ से नोटिस दिहल गइल बा.
एह ध्यानाकर्षण प्रस्ताव में गृह मंत्री से माँग कइल गइल बा कि संविधान का आठवीं सूची में भोजपुरी आ राजस्थानी के शामिल कइला के जरुरत बा. लोकसभा का कार्यसूची में ई नोटिस छठवां नम्बर पर बा.
अखिल भारतीय भोजपुरी समाज के अध्यक्ष प्रभुनाथ राय जी बतावत बानी कि संसद में हर पार्टी के कम से कम पचास गो सांसद एह नोटीस के समर्थन करीहें आ संसद में एह पर चर्चा होखे के पूरा उमेद बा. एह मामिला में सांसद दलगत राजनीति से उपर उठ के भोजपुरी के आपन समर्थन दीहें आ उमेद बा कि साल दू साल में भोजपुरी के ई मान्यता मिल जाई.
280 total views, 4 views today
बङा निमन बात बा ,भोजपुरी के मान्यता मिले के चाही ।