pub-4188398704664586

भोजपुरी जन जागरण अभियान

by | Jan 22, 2011 | 0 comments

बिहार भोजपुरी अकादमी के द्वारा चलावल जा रहल “भोजपुरी जन-जागरण अभियान” के लोकप्रियता से प्रभावित होकर के मॉरिशस के वरिष्ठ और प्रसिद्द साहित्यकार डॉ. सरिता बुद्धू, पटना स्थित बिहार भोजपुरी अकादमी के कार्यालय में आज दिनांक २२ जनवरी २०११ के चहुंपली आ अकादमी के अध्यक्ष डॉ. रविकान्त दुबे जी के बधाई दिहली. साथ ही सरिता जी के द्वारा अकादमी के द्वारा चलावल जा रहल “भोजपुरी जन-जागरण” अभियान के बारे में उत्सुकतापूर्वक जानकारी लिहली.

एह अवसर पर अकादमी में आयोजित समारोह में सरिता बुद्धू जी के आगमन पर अकादमी के निदेशक श्री. दीपक कुमार सिंह जी के द्वारा फूल के डलिया से स्वागत करल गईल.

आयोजित समारोह के अध्यक्षता करते हुए डॉ. दुबे जी बतवनी की मनोरंजन के क्षेत्र में भोजपुरी बहुत ही सशक्त हो चुकल बा लेकिन साहित्य सृजन, व्याकरण, शब्दकोष आ पाठ्यक्रम के क्षेत्र में उत्कृष्ट पुस्तक के अभी भी अभाव बा. एह अभाव के अकादमी के द्वारा पूरा प्रयास करल जा रहल बा आ एह विषय में गंभीर चिंतन के साथ ही योजना भी तैयार करल जा रहल बा. साथ ही उहाँ के कहनी की एह विषय में बेहतरी खातिर अकादमी दृढ संकल्प बा आ बहुत जल्दी ही एह विषय में सकारात्मक परिणाम सामने जरुर आई.

बिहार भोजपुरी अकादमी में समारोह के भव्यता आ प्रबुद्धता देखते हुए सरिता जी यह स्वीकार कईनी की आर भारत में जेतना भी संस्था भोजपुरी खातिर काम कर रहल बिया, ओह में बिहार भोजपुरी अकादमी के वर्तमान में चलावल जा रहल “भोजपुरी जन-जागरण अभियान” सबसे सशक्त अउर बेहतर बा. उहाँ के ई भी कहनी की डॉ. रविकांत दुबे जी के अध्यक्षता आ नेतृत्व में, छोट-छोट गाँव, क़स्बा आ छोट शहर सब में एह अभियान के व्यापक असर होई. अभियान के तहत अकादमी साहित्यकार, रचनाकार आ प्रबुद्ध लोग के जोड़े के जे काम कर रहल बा, अईसन पहल भारत में कबहू ना भईल रहल ह.

सरिता जी एह समारोह में भाव विभोर होकर के आपन सुरीला स्वर में एक गीत भी सुनावली “कलकतवा से छुटल जहाज, भंवरिया धीरे चलअ”. साथ ही अकादमी के अनुसन्धान सहायक श्री ब्रज किशोर जी सस्वर “बटोहिया” गीत गाकर के लोग के आनंद विभोर कर दिहले.
एह समारोह के सबसे उल्लेखनीय बात ई रहल की भोजपुरी से जुडल लोग के अलावा बिहार मैथिलि अकादमी, बिहार मगही अकादमी अउर बिहार संस्कृत अकादमी के लोग भी भारी संख्या में एह समारोह में शिरकत कईले. जेह में एह अकादमी सबके कर्मी के साथ ही साहित्यकार लोग भी चहुंपले.

चलते समय डॉ. सरिता बुद्धू जी के द्वारा बिहार भोजपुरी अकादमी के विजिटर-रजिस्टर पर अकादमी के बारे में लिखते हुए ई उल्लेख करल गईल की बिहार भोजपुरी अकादमी द्वारा कईल जा रहल “भोजपुरी जन-जागरण अभियान” बहुत ही महत्वपूर्ण कदम बा. हम उम्मीद कर रहल बानी की भोजपुरी क्षेत्र में लेखक अउर साहित्यकार खातिर ई कदम वरदान साबित होई.
कार्यक्रम के अंत में अकादमी के सहायक निदेशक श्री लालन जी के द्वारा धन्यवाद ज्ञापन दिहल गईल.

भोजपुरी अकादमी के अभियान से अभिप्रेरित होकर के सरिता जी संभवतः ३० जनवरी २०११ के, बिहार भोजपुरी अकादमी के तत्वधान में छपरा में आयोजित होखे वाला कार्यक्रम में भी भाग लीहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586