भोजपुरी समाज दिल्‍ली, शाखा: आई.एन.ए. कॉलोनी 25 मार्च, 2012 का दिने आई.एन.ए. कॉलोनी में एगो सांस्‍कृतिक समारोह के आयोजन कइलसि जवना में भोजपुरी समाज दिल्‍ली के अध्‍यक्ष आ भारतीय विमानपत्‍तन प्राधिकरण के पूर्व कार्यपालक निदेशक अजीत दुबे मुख्‍य अतिथि रहनी. दुबेजी का अलावा ओहिजा उपस्थित सम्‍मानित अतिथियन में भारतीय विमानपत्‍तन प्राधिकरण के पूर्व क्षेत्रीय कार्यपालक निदेशक यू. एन. सिंह आ भोजपुरी समाज दिल्‍ली के उपाध्‍यक्ष लल्‍लन तिवारी प्रमुख रहनी.

भोजपुरी समाज दिल्‍ली शाखा: आई.एन.ए. कॉलोनी के अध्‍यक्ष वी. के. त्रिपाठी, महासचिव विनय कुमार सिंह आ कालोनी के आर डब्‍ल्‍यू ए महासचिव आलम सिंहो मंच पर मौजूद रहनी जा. कार्यक्रम में स्‍थानीय कवियन के काव्‍य पाठ आ बचवन के नृत्‍य, गायन आ कविता पाठ वगैरह कार्यक्रम भइल. साथ ही शाखा के फरवरी महीना में सरस्‍वती पूजा का समय करावल चित्रकला आ निबंध लेखन प्रतियोगिता के पुरस्‍कारो बाँटल गइल.

शाखा के महासचिव विनय कुमार सिंह स्वागत करत शाखा के गतिविधियन के जानकारी दिहलन. अपना संबोधन में अजीत दुबे पुरस्‍कार जीतेवालन के बधाई देत कहनी कि अइसनका आयोजन होत रहे के चाहीं काहे कि एहसे प्रतिभा देखावे के बढ़ावा मिलेला. कहलन कि बहुते एयरपोर्ट कॉलोनियन में रहल बानी बाकिर जवन आनन्द एह आई. एन. ए. कॉलोनी में आजु मिलल तइसन कहीं ना भेंटाइल.

भारतीय विमानपत्‍तन प्राधिकरण के पूर्व क्षेत्रीय कार्यपालक निदेशक यू. एन. सिंह कहनी कि पूर्वांचल खास कर के बिहार के लोग के सृजनात्‍मक प्रतिभा के करे के चाहीं आ हमनी के हमेशा अपना भाषा अउर संस्‍कृति के पहचान बनवले राखे के चाहीं.

बनारसी त्रिपाठी के हास्‍य भोजपुरी गीत आ संजीव झा के मैथिली गीत सबके भाव विभोर कर दिहलसि. मनीष कुमार आ देवकांत पाण्‍डेय के कवितो से खूबे समां बनल. मंच संचालन सांस्‍कृतिक सचिव देवकान्‍त पाण्‍डेय कइनी. कार्यक्रम के सफलता में रामजीत साह, मंगल सिंह, राजेश कुमार, विभूति झा, मनीष कुमार, शेखर, संजीव झा, अरविन्‍द कुमार मेहता श्‍याम ठाकुर, बनारसी त्रिपाठी, शैलेश कुमार, गणेश ठाकुर, रामसुमेर यादव, अजय दूबे, देवांशमणि वगैरह के अहम भूमिका रहल.

Loading

One thought on “भोजपुरी सांस्कृतिक समारोह”

Comments are closed.

%d bloggers like this: