भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण के कार्यपालक निदेशक रहल आ भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दुबे के दिल्ली सरकार अपना मैथिली-भोजपुरी अकादमी के उपाध्यक्ष बनवले बिया. एह फैसला के अधिसूचना जारी करे ला दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित के मंजूरी मिल गइल बा.
विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय कार्यकारी अध्यक्ष अजीत दुबे अकादमी के संस्थापक सदस्य हउवें आ भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता दिआवे के अभियान में बरीसन से लागल बाड़न.
310 total views, 6 views today