छोटका परदा पर सबसे सफल भोजपुरी रियलटी शो ‘सुर संग्राम’ अउर ‘नहले पे दहला’ के मजगर संचालन कर के महुआ के दुनिया भर में प्रसिद्धि दिआवे वाला भोजपुरी फिलिमन के मेगा स्टार मनोज तिवारी के एक हाली फेर महुआ अपना डांस रियलटी शो के संचालन के जिम्मा दिहले बा. अब मनोज तिवारी महुआ के रियलटी शो ‘नाच नचईया धूम मचाईया’ के बाकी एपिसोड के संचालन करीहें.
मानल जात बा कि अब एह शो के लोकप्रियता अउरी बढ़ी आ अब ई डांस शो अउरी धूम मचा के राखि दी. एह शो के प्रतिभागियन में भोजपुरी के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष, डांसिंग क्वीन सीमा सिंह आ चर्चित अभिनेत्री अनारा गुप्ता वगैरह बा लोग.
एह शो के प्रसारण हर शनिचर आ अतवार रात आठ बजे से महुआ टीवी पर होखल करेला.
(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
345 total views, 2 views today