सर अनिरुध जगनाथ के वापसी

by | Dec 15, 2014 | 0 comments

SirAneroodJugnauth
पिछला 10 दिसंबर का दिने भइल मारीशस के चुनाव में ल’एलाएन्स लेपेप के दू तिहाई बहुमत मिलल बा. एह गठबन्हन में मारीशस के तीन गो पार्टी शामिल बाड़ी सँ. हटेवाला प्रधानमंत्री नवीनचन्द्र रामगुलाम के पार्टी के नेतृत्व वाला गठबन्हन के महज 13 सीट पर संतोष करे के पड़ल बा जबकि रामगुलाम के सपना रहुवे मारीशस के राष्ट्रपति बने के. जनता के नाराजगी अइसन रहल कि खुद नवीनचंद्र रामगुलाम चुनाव हार गइलन.

एह चुनाव में मारीशस के 74 फीसदी लोग वोट डाले निकलल रहुवे. आ लोकतंत्र के अनुभव बतावेला कि जब जब अधिका वोट होला तब तब सरकार बदले के उमेद बढ़ जाला. अबकियो उहे भइल बा. शहरी आ देहाती दुनू इलाका में नवीनचंद्र रामगुलाम के गठबन्हन के हार के मुँह देखे के पड़ल बा.

नवीनचंद्र रामगुलाम के नेतृत्व वाला गठबन्हन में शामिल लेबर पार्टी आ मॉरिशियन मिलिटेंस मूवमेंट के बीच कुछ दिन पहिले ले बड़हन मनभेद रहुवे आ चुनाव जीते का लालसा में बनल एह बेमेल गठबन्हन के जनता का, दुनू गोलन के कार्यकर्तो पचा ना पवले. लेबर पार्टी के समर्थकन का बीच अधिका नाराजगी रहुवे.

चुनावी जोड़तोड़ के मिलल एह बड़हन हार का बाद मारीशस अब एगो नया आशा ले के देखत बा. एक बात त तय हो गइल कि मारीशस के राजनीति अब ओह तरह से ना चलावल जा सकी जइसे चलावल जात रहल ह. मतदाता के टेकेन फार ग्रान्टेड माने वाला लोग के बाद में पछताए के पड़ी.

हार के एगो अउर बड़ कारण रहल संविधान बदले के कोशिश जवन मारीशस खातिर बहुते नुकसानदेह हो सकेला. आ चुनाव के परिणाम बता दिहलसि कि लोग एह तरह के बदलास सकारे ला तइयार नइखे.

चुनाव परिणाम देखत राष्ट्रपति कैलाश प्रयाग पहिले मारीशस के राष्ट्रपति आ प्रधानमंत्री रह चुकल सर अनिरुध जगनाथ के सरकार बनावे के नेवता दे दिहले. सर जगनाथ के गठबन्हन 62 सीट के राष्ट्रीय संसद में 47 सीट जीतले बिया.

सर जगनाथ 1982 से 1995 ले आ फेरू 2000 से 2003 ले प्रधानमंत्री रहलन. सर अनिरुध जगनाथ मारीशस के राष्ट्रपति, प्रधानमंत्री, आ नेता विपक्ष रह चुकल बाड़न.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up