महोदय/महोदया,
पूर्वांचल एकता मंच (पंजी.) दिल्ली में एगो भोजपुरी आन्दोलन खातिर एगो सक्रिय आ समर्पित संस्था ह. साल २००१ से दिल्ली में भोजपुरी भाषा, साहित्य अउरी संस्कृति के विकास, प्रचार प्रसार अउर बढ़ावा देवे ला आपन वार्षिक काजकरम जइसे “भोजपुरी स्वाभिमान समारोह”, “पूर्वांचल स्वाभिमान समारोह” अउर “विश्व भोजपुरी सम्मलेन” के आयोजन करत आ रहल बा. इ संस्था के मांग पर दिल्ली सरकार दिल्ली में मैथली- भोजपुरी अकादेमी के गठन २००८ में कइले बिया. ई संस्था से भोजपुरी प्रेमी, पूर्वांचल जन,
भोजपुरी कवि, साहित्यकार, रंगकर्मी, विचारक, भोजपुरी के आन्दोलन कर्ता, भोजपुरी फिलिम के कलाकार, गीतकार, निदेशक आ भोजपुरी क्षेत्र के सामाजिक कार्यकर्ता ,राजनितिक आ चिन्तक लोग जुडल बा. भोजपुरी के समस्त नेही- छोही के बतावत हमारा ई ख़ुशी के अनुभव हो रहल बा की एही साल पांचवा विश्व भोजपुरी सम्मलेन के आयोजन, दादा देव मेला ग्राउंड, सेक्टर-८, द्वारका, नई दिल्ली में ९-१० अप्रैल २०११ के भइल रहे जेमे लोकसभा में अध्यक्ष आ भोजपुरिया गौरव श्रीमती मीरा कुमारी जी उद्घाटन कइले रही.भोजपुरी के उचित सम्मान दिलावे ला तमाम भोजपुरिया क्षेत्र के संसद काजकरम में ई प्रण ले ले रहस की ई साल भोजपुरी के
भारत के संविधान के आंठ्वी अनुसूची में सामिल करावे ला आपन आवाज संसद के २०११ के मानसून सत्र में बुलंद करब. रउरा लोगन के मालूम बा की भोजपुरी के ई मांग विगत १० साल से लंबित बा. २००६ में यु.पी.ऐ. सरकार ई बाबत कुछ करे के आश्वाशन भर देले रहे जवन अभियो ठंडा बस्ता में पडल बा.
रउरा सभे से ई निहोरा बा की अब हमनी के सरकार से आपन ई मांग के पूरा करावे ला आर-पार के लड़ाई लड़े खातिर कमर कसे के पड़ी. इहे विचार से दिल्ली के जंतर मंतर पर चार(४) अगस्त, २०११ के दिन में १० बजे से लेके २.०० बजे तक एगो जबरदस्त धरना आ प्रदर्शन करे की निर्णय लिहल गइल बा. भोजपुरी आन्दोलन के काजकरम में राउर जादा से जादा संख्या में उपस्तिथि सादर प्रार्थनीय बा.
रउरा सभे से ईहो निहोरा बा की रउरा जवन भी संस्था से जुडल बनी किरपा कर के आपन आपन संस्था के लैटर पैड पर भारत सरकार के प्रधान मंत्री आ गृह मंत्री के नावे, के नावे एगो ज्ञापन लिख के ले आएम ताकि हमनी जादा से जादा भारत सरकार के “भोजपुरी के आंठ्वी अनुसूची में शामिल” करावे के दबाव बना सकी सन. भोजपुरी के लडाई में राउर उपस्थिती के बहुत जरुरत बा .
जय भोजपुरी
राउर आपन
शिवजी सिंह
अध्यक्ष : पूर्वांचल एकता मंच (पंजी.)
नई दिल्ली
शिवजी भाई
प्रणाम
हमनी के दल बल के साथै आयम सन.साथ में ज्ञापन भी रही.
युगल किशोर
एही शुभ घडी के इंतजार रहे . सम्मलेन के साथे-साथे आन्दोलन ना होई त केहू सुनबे न करी .सम्मलेन में कुछ खास -खास लोग के बोलाहट होखेला ,लेकिन आन्दोलन में सभे के नेवत दियाला .काहे से कि जहवां आम आदिमी ना जाई ओहिजा के आवाज बुलंद ना होई .जबले आवाज बुलंद ना होई सरकार , मिडिया के सुनाई ना .जबले सरकार के सुनाई ना तबले भोजपुरी के कुछ भेटाई ना. “पूर्वांचल एकता मंच ” के बड़ी नीक प्रयास बा .आशा बा सफलता हाथ में आई .
धन्यवाद !
गीतकार :-
ओ.पी.अमृतांशु
अइसन चउपट देश आ नेता लोग से आशा बेकार बा? अगर अनुसूची में नाम आइए जाय त का हो जाई, ई त बाद में पता चली। लेकिन साँच त ईहो बा जवन नीचे लिखतानी।
“एगो पट्टी बा जवना पर आठ-दस गो नाम लिखल बा। ओपर हल्ला कइला का बाद एगो आउर नाम ओमें जुड़ गइल। ऊ पट्टी कबाड़खाना में फेंकल बा।”