आरा में भिखारी ठाकुर जयंती समारोह

by | Dec 19, 2011 | 2 comments

लोक कलाकार भिखारी ठाकुर के जयंती समारोह पिछला सतरह आ अठारह दिसंबर के आरा के पटेल बस स्टैंड परिसर में भिखारी ठाकुर सामाजिक शोध संस्थान का तरफ से मनावल गइल.

एह समारोह में आकर्षण के केन्द्र रहली मशहूर गायिका देवी. देवी भिखारी ठाकुर के रचना ‘पिया गइले कलकतवा ए सजनी..’ से शुरूआत करत ‘चलऽ न गोरिया तनी गंगा स्ननवा..’, ‘बहे के पूरवा रामा बह गइलें पछुआ सजनवा रे..’, ‘निहुर-निहुर हम अंगना बहरनी..’ वगैरह गीत सुना के श्रोता लोग के आनंदित कर दिहली. अकरा अलावा लोग के फरमाइश पर ‘सजन राजधानी पकड़ के आ जइहो.’, ‘अंगुरी में डंसले बिया नगीनिया रे..’, ‘अइहो मोरे राजा लेके ढोल बाजा..’ समेत अऊरियो गीत सुनवली.

एही समारोह में मशहूर बिरहा गायक डा.मन्नू यादव ‘कृष्ण’ आपन जीभ अगुरी से पकड़ले एगो गीत सुनवले जवना के लोग खूब पसन्द कइल. समारोह में अनेके कलाकार आइल रहलें जवना में लक्ष्मण लहरी, कमलेश पासवान, अजय श्रीवास्तव, संजय मिश्रा, मुन्ना वर्मन आ देवेश दुबे शामिल रहलें.

एह मौका पर आयोजित सम्मान समारोह में गायिका देवी के भिखारी ठाकुर सम्मान-2011, डा.मन्नू यादव ‘कृष्ण’ को बाबू ललन जी स्मृति सम्मान, बिहारी खबर के पत्रकार मुन्ना पाठक(दिल्ली) के समकालीन तापमान पत्रकारिता सम्मान, साहित्यकार कुमार नयन के साहित्यकार अजब दयाल सिंह स्मृति सम्मान, चर्चित युवा अनाउंसर रवि रंजन राय के शारदा प्रसाद सिंह स्मृति सम्मान, दलित विकलांग छात्रा शोभा चौधरी के समाजवादी चिंतक शारदा मल्ल स्मृति सम्मान आ विशेष सम्मान राज्य स्वास्थ्य समिति, पटना के कार्यकारी निदेशक संजय कुमार के दिहल गइल.

समारोह का दौरान वरिष्ठ नाटककार प्रो. श्याम मोहन अस्थाना के लिखल नाटक ‘तीन बुद्धिमान बंदर’ के मंचन रंगकर्मी अनिल सिंह के निर्देशन में करावल गइल.

एह समारोह में स्थानीय राजद विधायक भाई दिनेश, भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष प्रो. आर.के. दुबे, गायिका देवी, डा. मन्नु यादव ‘कृष्ण’, प्रो. कमलानंद सिंह, राज्य सभा सदस्य राजनीति प्रसाद, डा. राम तवक्या सिंह, आज अखबार के प्रभारी रजनीश त्रिपाठी वगैरह लोग आपन विचार राखल. मंच संचालन रवि रंजन राय कइले जबकि मेहमान लोग के स्वागत डा.के.डी सिंह आ धन्यवाद ज्ञापन संस्थान के अध्यक्ष पत्रकार नरेन्द्र सिंह कइलन. महापौर अवधेश यादव, पूर्व प्रखंड प्रमुख बिन्दु देवी, जिला पार्षद गंगा सागर पंडित, गजेन्द्र कुमार, हीरा ठाकुर, कमलेश पांडेय, डा. किरण कुमारी, भोला, बरमेश्वर, नंद किशोर कमल वगैरह लोग समारोह में शामिल भइल.

Loading

2 Comments

  1. amritanshuom

    भिखारी ठाकुर जी के जयंती समारोह बड़ी धूम -धाम से मनावल गइल जान के बहुत ख़ुशी भइल.समारोह में गायिका देवी के कंठ से ‘अइहो मोरे राजा लेके ढोल बाजा..’सुन के लोग खूब चहचहात होई .पूरा आरा शहर के लोग ‘चलऽ ना गोरिया करे गंगा स्ननवा..’ गुनगुनात होई .समारोह में गायिका देवी के भिखारी ठाकुर सम्मान-२०११अवरु मुन्ना पाठक के ‘समकालीन तापमान पत्रकारिता सम्मान’ मिले खातिर बहुत -बहुत बधाई .साथे-साथे साहित्यकार कुमार नयन ,अनाउंसर रवि रंजन राय ,विकलांग छात्रा शोभा चौधरी आ डा.मन्नू यादव ‘कृष्ण’ के भी बहुत -बहुत बधाई .वरिष्ठ नाटककार प्रो. श्याम मोहन अस्थाना जी के प्रणाम .
    गीतकार :-
    ओ.पी. अमृतांशु

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up