घर फूटे गँवार लूटे

by | Jul 2, 2011 | 7 comments

भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार मनोज तिवारी, जिनका के हालही में भइल एगो सिने अवार्ड समारोह में एह दशक के सितारा कहि के सम्मानित कइल गइल रहे, आजुकाल्हु गलत कारण से चरचा में बाड़न. मनोज तिवारी के शिकायत बा कि कुछ अखबार आ मीडिया में उनुका तलाक से जुड़ल खबर गलत तरीका से दिहल गइल.

मनोज के कहना बा कि ऊ सभका के बतावल चाहत बाड़न कि मनोज अपना बीबी आ बेटी से बेइंतहा प्यार करे ला आ कबहू ना चहले कि अपना बीबी के तलाक देबे के पड़ो. अपना बेटी आ बीबी से अलग रहे के सोचिये के मनोज तिवारी सिहर जात बाड़न. मनोज के कहना बा कि आजु ले ऊ कवनो अइसन काम नइखे कइलन जवना से ऊ खुद का नजर में नीचे गिर जासु. बाकिर कुछ गलतफहमियन का चलते उनुकर पत्नी जिद्द ठान लिहले बाड़ी कि उनुका तलाक चाहीं आ बेमरजी मजबूरी में आ के मनोज के ओह कागज पर दस्तखत करे के पड़ल जवना में आपसी राय से तलाक लेबे के बाति लिखल बा. ई सब मनोज तिवारी अपना बीबी के तनाव खतम करे खातिर कर दिहलन बाकिर ऊ सभका से निहोरा करत बाड़न कि एह दुनिया के कवनो भलामानुष उनुका पत्नी के समुझा बुझा के मना सको त उनुका बहुते खुशी होई.

आपसी राय से तलाक वाला मामिला में कोर्ट छह महीना के समय देला जवना बीच मरद मेहरारू अपना फैसला पर फेर से विचार कर सकसु. एह से एह समय का भीतर अगर केहू ई शुभ काम करा सके त बहुते खुशी के बात होखी.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

7 Comments

  1. डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

    भाई मनोज जी,
    अपना पत्नी से संबंध विच्छेद ना होखो, राउर ई चाह जो सचमुच हृदय से बा त बिशवास करीं, भगवान राउर जरूर सुनिहें. धीरज धरीं, भगवान सभ ठीके करिहें.
    हमार शुभकामना.
    राउर
    डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

  2. Lokenath Tiwary

    एहले बाउर का होई..लेकिन भगवान बाड़े…हम त इहे कहबि कि मनोज.जी.भगवान में भरोसा राखीं..ऊ..सब ठीक करिहें…

  3. anil kumar gupta

    It gives a great pleasure to have such magzine in BHOJPURI. Santosh Jee your hard work and great service to BHOJPURI will be remembered as a light tower in coming days THANKS to ANJORIA

  4. प्रभाकर पाण्डेय

    भाई शशिकांतजी, इहाँ अबहिन हमरा इ विस्वास नइखे होत…कहीं इ कवनो फिलिम चाहें सिरियल के कहानी त ना ह…..तनि स्पष्ट करीं।

  5. प्रभाकर पाण्डेय

    खैर, इहाँ हम बस भगवान से दुआ क सकेनी की ए घर के टूटले से बचा लें। इ भोजपुरिया संस्कृति में भी नइखे।
    हम मनोज तिवारीजी से आग्रह करबि कि उ एगो भोजपुरी फिल्मी हस्ती , गायक की रूप में ना बलुक एगो भोजपुरिया मनई के रूप में भउजी से बात करें त सायद बात बनि जाव।
    वइसे कबो-कबो मिया-बीबी में गलतफहमी भी हो जाला अउर जहाँ तक तलाक के बात बा त इ फिलमीस्तान में त एगो आम बात बा पर हम भउजी से इहे निहोरा करबि कि उहाँ का अपना के फिल्मीस्तान से जोड़ि के मत देखीं…बलुक उहाँ का इ देखीं की उहाँ का भोजपुरिया हईं।।।।
    सादर।।

  6. satyendra

    मनोज भाई एह में तहर हीत त काम करिहन ना, मित्र जरूर कर सकत बाड़े, वैसे इ बात अगर तू खुद ही सम्झुयित त ढेर बढ़िया रहित

  7. amritanshuom

    नेहिया के डोर जनिऽ ,
    तुडऽ गेठ -जोड़ भउजी सुनऽ-सुनऽ!
    ना त सभकर अँखिया से
    बहे लगी लोर भउजी सुनऽ-सुनऽ!!
    बड़ी दुखद बात बा .हम भगवन से दुआ करब कि अबहिंयो से मनोज तिवारी जी के विआह के बंधन के डोर टूटे से बच जाव!

Leave a Reply to डॉ. रामरक्षा मिश्र विमल

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up