पूर्वांचलवासियन के आस्था के महापर्व छठ हर साल का तरह एहू साल भोजपुरी समाज दिल्ली के आइएनए कालोनी शाखा धूमधाम से आयोजित कइलसि. अतवार का दिने नहाय खाय से शुरू होके बुध का भोर में उगते सूरज के अरघ दिहला का साथे छठ व्रत के विधि पूरा भइल. एक तरफ कॉलोनी में जहॉं महापर्व छठ के छटा के विहंगम दृश्य देखे कि मिलत रहे त दोसरा तरफ ‘कांचऽ ही बांस के बहँगिया… आ मारबो रे सुगवा धनुख से, सुगवा गिरे मुरुझाय..जइसन गीतन से वातावरण संगीतमय बनल रहुवे.
छठ पूजा के उपलक्ष्य में बुध का साँझ एगो सामूहिक रात्रिभोज के आयोजनो कइल गइल जवना में भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दूबे, भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण के क्षेत्रीय कार्यपालक निदेशक (उत्तरी क्षेत्र) अनुज अग्रवाल, भारतीय विमानपत्तन प्राधिकरण के कार्यपालक निदेशक (सीएनएस) रवि प्रकाश, भूतपूर्व क्षेत्रीय कार्यपालक निदेशक यू.एन.सिंह आ भोजपुरी समाज, आइएनए कालोनी शाखा के अध्यक्ष वी.के. त्रिपाठी वगैरह समेत समाज के सगरी सदस्य सपरिवार शामिल भइले.
अजीत दुबे सभका के शुभकामना देत भोजपुरी आ पूरबी समाज के सम्मान खातिर दिल्ली में भोजपुरी समाज के प्रयासन का बारे में बतवले. कहलन कि देश में हिंदी का बाद सबले बड़हन भाषा के आजु ना काल्हु संविधान के 8वीं अनुसूची में शामिल करहीं के पड़ी. बाकिर एकरा खातिर पूर्वांचलवासियन के समर्थन मिलत रहल जरूरी बा. आइएनए कालोनी शाखा के अध्यक्ष वी.के. त्रिपाठी सगरी अतिथियन के धन्यवाद दिहलें. मंच संचालन शाखा के सांस्कृतिक सचिव देवकान्त पाण्डेय कइलन.
कार्यक्रम के सफल बनावे में रामजीत साह, बनारसी त्रिपाठी, शैलेश कुमार, के.के. प्रजापति, जयमंगल सिंह, अजय दूबे, विभूति झा, राम सुमेर यादव, अरविन्द कुमार मेहता, गणेश ठाकुर, हसमुद्दीन अंसारी, शमीम अहमद, उमेश शर्मा, मनीष कुमार, देवांशमणि आ भोजपुरी समाज, आइएनए शाखा के बाकी सगरी कार्यकारिणी सदस्य अहम भूमिका निभवले.
(स्रोत – भोजपुरी समाज दिल्ली के आईएनए कॉलोनी शाखा)