टटका खबर, अतवार, ११ अप्रैल

by | Apr 11, 2010 | 0 comments

बलिया वाली गाड़ी सिवान का तरफ चलल

भारतीय रेल के कमाल काल्हु देखे के मिलल जब छपरा से बलिया जायेवाली पैसेंजर रेलगाड़ी के छपरा के स्टेशन मास्टर सीवान वाली लाइन पर भेज दिहलें. आउटर का बाद जब लोग देखल कि रेलगाड़ी सिवान जा रहल बिया त हल्ला मचावे लागल लोग. बाकिर जब ले ड्राइवर आ गार्ड कुछ समुझतें तब ले टेकनिवास स्टेशन आ गइल. गाड़ी ओहिजा रुकल त लोग जम के बवाल मचावल. तब गाड़ी के वापिस छपरा ले जा के तब बलिया वाली लाइन पर भेजल गइल. कुछ बुझाइल? स्टेशन मास्टर त दोषी बड़ले बाड़न बाकिर ड्राइवर आ गार्ड कवना झोंक में रहुवे?

बिजली बिना तरस गइल बलिया, छपरा में आन्दोलन

काल्हु भर दिन बलिया के बिजली ना मिलल. रात तीन बजे से गइल बिजली साँझ चार बजे लवटल. दिन भर में एगारह घंटा के त सरकारी कटौती बा, मिले बाला घंटा में कभी ट्रिप, कभी शटडाउन कर के करीब तीन से चार घंटा के अघोषित कटौती. बाकिर बागी बलिया चुपचाप झेल जा रहल बा. कहीं कवनो असन्तोष भा प्रदर्शन नइखे लउकत. बिजली के किल्लत पड़ोस के छपरो जिला झेलत बा. काल्हु ओहिजा के लोग एकरा खिलाफ जम के प्रदर्शन कइल. जाम में कहीं लालू फँसलन त कहीं टाइटलर. दू घंटा के जहमत झेलला का बाद ऊ लोग अपना गंतव्य खातिर बढ़ पावल.

अंडा बोले चूजा से कि चेंव चेंव मत कर

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार केन्द्र के गृहमंत्री के सलाह दिहले बाड़न कि ऊ कम बोलल करस. ढेर बोलला से कवनो फायदा त ना होखी, चिन्हा जाये के खतरा जरुर बढ़ जाई. गृह सचिवो के झिड़की देत कहलन कि ऊ राजनेता लोग का तरह व्यवहार मत करस. राज्य केन्द्र संबंधन के सीमा रेखा के धेयान राखल करस. गृह सचिव कहले रहलें कि बिहार में नक्सली आन्दोलन का खिलाफ कुछ नइखे होत. नीतीश भाजपो के संकेत दिहले बाड़ें कि चुनाव में पार्टी के बात ना कर के सुराज के बात करें लोग.

विमान दुर्घटना में पोलैण्ड के राष्ट्रपति समेत १३२ लोग के मौत

घना कोहरा का दौरान चेतावनी का बावजूद उतरत हवाई जहाज पेड़ का डालियन से टकरा के टुकड़ा टुकड़ा हो गइल आ ओह पर सवार पोलैण्ड के राष्ट्रपति लेक कैचजिंस्की आ उनका पत्नी समेत १३२ लोग के मौत हो गइल. कैचजिंस्की रुस में आयोजित कातिन स्मृति समारोह में शामिल होखे जात रहलन. ओहिजा द्वितीय विश्वयुद्ध का दौरान तानाशाह स्टालिन का आदेश पर पोलैण्ड के बाइस हजार सेना अधिकारियन के मौत के सजा दिहल गइल रहे.

पूर्वांचल का नाम पर मोहन सिंह का खिलाफ अमर के ताकत

सपा महासचिव मोहन सिंह के औकात देखावे बतावे खातिर सपा से निकलल अमर सिंह १५ अप्रैल के देवरिया में पूर्वांचल राज्य के माँग करे वाली एगो सभा बोलवले बाड़न. बाकिर उनका हाव भाव से साफ बा कि पूर्वांचल के बात कम मोहन सिंह से रंजिश बेसी लउकी ओह सभा में. अमर सिंह दंतेवाड़ा में मराइल पूर्वांचल के जवानन के परिवार के अपना ओर से एक एक लाख रुपिया के सहायता दीहें.

बनारस में एगो छात्र के दिनदहाड़े अपहरण

बनारस के रहेवाला आ सोनभद्र में तैनात इंजीनियर राजकिशोर सिंह के इकलौता बेटा शुभम के बनारस में अपहरण कर लिहल गइल. ओकरा बाद शुभम का मोबाइल से फोन कर के पाँच लाख रुपिया फिरौती माँगल गइल बा. राजकिशोर सिंह अपना पटीदारन पर संदेह जाहिर करत बाड़ें. पुलिस मामिला के जाँच कर रहल बिया.

दिल्ली का जेएनयू में नक्सलियन के समर्थन में सभा

दिल्ली का जवाहरलाल नेशनल यूनिवर्सिटी में कुछ नक्सली समर्थक छात्र खुलेआम जश्न मनावत रहलें आ नक्सलियन का खिलाफ होखे वाली कार्रवाई के विरोध करत रहलें. कुछ दोसरा विद्यार्थियन से ई बर्दाश्त ना भइल त विद्यार्थी परिषद आ राष्ट्रीय छात्र संगठन के कार्यकर्ता नक्सली समर्थक सभा के तितर बितर करा दिहलें. कहल जात बा कि सभा करे खातिर जेएनयू प्रशासन अनुमति दे दिहले रहे. जे एन यू प्रशासन अब विरोध करे वाला छात्रन पर कार्रवाई करे के बात कर रहल बा. जेएनयू के प्रोफेसरनो में नक्सली विचारधारा वाला भरल बाड़े.

नोट गिनला से पीड़ा कम हो जाले

एगो नया अध्ययन से ई बात सामने आइल बा कि नगदी गिनला से आदमी के दुख तकलीफ कम होखे बा ना, ओकर पीड़ा जरुर कम हो जाले. देह के दरदे ना मन के पीड़ो कम बुझाये लागेला. एहसे अब जब दरद होखे त तिजोरी से नोट निकाल के गिनल करीं, डाक्टर के फीस भा दवाई के खरचो बाँच जाई!

सेबी आ इरडा में यूलिप के ले के टकराहट

सेबी अपना आदेश से पचास गो कंपनी के नया यूलिप जारी करे पर रोक लगा दिहले बा साथही पुरनका पालिसियन के किश्तो रोक लगा दिहले बा. दोसरा तरफ इरडा के कहनाम बा कि यूलिप योजना बिल्कुल सही आ सुरक्षित बा. इरडा कंपनियन के सलाह दिहले बा कि ऊ कानूनी पहल कर के एह रोक के हटवावस. सेबी के तर्क बा कि चूंकि एह योजना के पइसा शेयर में लगावल जाले एहसे ओह कंपनियन के सेबी से अनुमति लेबे के पड़ी. जबकि बीमा कंपनियन पर नजर राखे वाली इरडा एह बात से सहमत नइखे. अब आदमी के हालत ओह गुरुजी वाली हो गइल बा जिनकर दुनु टांग मोहन आ सोहन अपना झगड़ा में तूड़ दिहलें रहलें कि ई मोहन के टाँग ह़ इ सोहन के!

आईपीएल थ्री में आसमान साफ होखे लागल

अब तकले भइल मैचन के परिणाम से जवन चार गो टीम सबले उपर बाड़ी सँ ओकनी के नाम बा मुंबई इण्डियन्स, रायल चैलेजंर्स बैंगलुरु, देल्ही डेयर डेविल्स, आ राजस्थान रायल्स. किंग्स इलेवन पंजाब सबसे नीचे बा बाकिर आजु होखे वाला मैच में ऊ दिल्ली के डेयर डेविल्स के सगरी हिसाब किताब बिगाड़ सकेला. दिल्ली के आज के मैच हर हाल में जीते के पड़ी ना त उनकर जगहा नीचे सरक जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up