टटका खबर, अतवार, १८ अप्रैल

by | Apr 18, 2010 | 0 comments

मायावती के कोपदृष्टि मुख्तार भाईयन पर

मुख्तार अंसारी आ उनका भाई अफजाल अंसारी के बसपा से निकाल दिहला का बाद अब ओह लोग के आमदनी के स्रोत सुखावे पर सरकार के नजर बा. ओह लोग से जुड़ल नवका धनपशुवन के खाता खँगालल जा रहल बा आ मामिला आर्थिक अपराध अनुसंधान विभाग के सँउपल जाई. पता ना का बात भइल कि कुछ दिन पहिले ले सबकुछ ठीक रहे आ अचके में बदल गइल? कहवाँ कवना लेन देन में गड़बड़ी भइल कि ओह लोग के ई दिन देखे के पड़ रहल बा.

शशि थरुर के आशिकी उनकर विदाई करा दी बुझात बा

जेकरा से शादी होखे के बात चलत रहे ओकरा खातिर सत्तर करोड़ रुपिया के सौगात जुटावे का बाद सबका निशाना पर आइल शशि थरुर के परेशानी बढ़े के संकेत बा. पार्टी के लोग नाराज बा कि शशि ऊ सत्तर करोड़ रुपिया सरेण्डर करावे के तइयार नइखन. चरचा बा कि शशि थरुर के मंत्री पद से हटा दिहल जाई. प्रधानमंत्री दिल्ली आ चुकल बाड़न आ आवते एह मामिला के निपटावे में लागल बाड़े.

एक त काली अपने गोर ओहपर से लिहली कमरी ओढ़

अनपरा के ५०० मेगावाट के यूनिट काल्हु ट्रिप कर गइल आ बन्द कर देबे के पड़ल. चालू करे में कम से कम तीन दिन लागी. एह चलते पहिलही से बिजली संकट झेलत प्रदेश के संकट अउरी बढ़ गइल बा. राज्य के हर शहर में काल्हु से अघोषित कटौती के दौर चल रहल बा.

डा॰ अम्बेडकर के पुत्र प्रकाश अम्बेडकर भाजपा में

दलित वोट खातिर हो रहल मारामारी का बीच भाजपा अब अपना खातिर एगो बड़हन प्रतीक जुटावे में लागल बिया. डा॰ भीमराव अम्बेडकर के पुत्र प्रकाश अम्बेडकर आ भाजपा अध्यक्ष नीतिन गडकरी के दोस्ती भाजपा के राजनीतिक ताकत बढ़ावे खातिर इस्तेमाल कइल जाई. महाराष्ट्र का राजनीति में हाशिया पर रहेवाला प्रकाश अम्बेडकर के एह गठबन्धन से राष्ट्रीय पहचान मिल जाई आ भाजपा उनका सहारे दलित मानस में आपन पैठ बढ़ावे के कोशिश करी.

जापानी पर्यटक का साथे सामूहिक बलात्कार

गया आइल २५ साल के युवती जापानी पर्यटक का साथे दू गो टेम्पो चालक समेत पांच गो बदमाश सामूहिक बलात्कार कइलें. बेचारी गेस्ट हाउस से एगो टेम्पो से स्टेशन खातिर निकलल त रास्ता में दोसरा टेम्पो पर सवार तीन गो आदमी ओकरा के रोक लिहलें आ दुनु टेम्पो के ड्राइवर का साथ मिल के ओकरा साथे सामूहिक बलात्कार कइलें. पुलिस तीन गो संदिग्ध अपराधी के गिरफ्तार कर लिहले बिया. पुलिस महानिदेशक आदेशदिहले बाड़े कि चौबिस घंटा का भीतर पांचो के गिरफ्तार कइल जाव आ स्पीडी ट्रायल चलावल जाव.

प्रभाकरन के महतारी के भारत में उतरे ना दिहल गइल

आपन इलाज करावे भारत आवे वाली प्रभाकरन के महतारी के हवाई जहाज से उतरे ना दिहल गइल आ उनका के वापिस लवटा दिहल गइल. हवाई अड्डा पर लिट्टे समर्थक नेता बड़हन संख्या में मौजूद रहलें. राजीव गाँधी के हत्या करावे वाला लिट्टे प्रमुख प्रभाकरन के श्रीलंकाई सैनिक अपना अभियान में मार दिहले रहलें.

मनावल गइल चन्द्रशेखर के जन्म दिन

काल्हु बलिया में कई जगहा चन्द्रशेखर के जन्म दिन धूमधाम से मनावल गइल. उनकर बेटा नीरज शेखर अब समाजवादी पार्टी से बलिया के सांसद बाड़े तबहियो चन्द्रशेखर के बनावल पार्टी सजपा खतम नइखे भइल. कांग्रेसो का आफिस में चन्द्रशेखर के जन्म दिन मनावल गइल.

न्याय प्रक्रिया कष्टसाध्य आ महँग होखला पर राष्ट्रपति के चिन्ता

गुवाहाटी में एगो सेमिनार के संबोधित करत राष्ट्रपति प्रतिभा सिंह कहली कि बहुते चिन्ता के बात बा कि देश में न्याय प्रक्रिया बहुते महँग हो गइल बा जवना से समाज में असंतोष बढ़त बा. कहली कि कोशिश होखे के चाहीं कि न्याय प्रक्रिया सहज आ सस्ता हो पावे. न्याय प्रक्रिया में तेजी ले आवे खातिर सूचना संचार तकनीक के बेसी इस्तेमाल होखे के चाहीं.

यूरोप में तीसरको दिने ना उड़ली सँ हवाई जहाज

आइसलैँड का ग्लेशियर का नीचे ज्वालामुखी विस्फोट से आसमान में उड़ल राख के बदरी का चलते यूरोप का आकाश में तीन दिन से हवाई जहाज नइखी उड़त सँ आ करीब सतरह हजार से बेसी उड़ान रद्द कइल जा चुकल बा. लोग अब रेलगाड़ी से सफर करे के मजबूर बा. हवाई कम्पनियन के नुकसान आ रेल कंपनियन के फायदा हो रहल बा.

सौरव गांगुली का सहारे कोलकाता के उम्मीद जिन्दा रह गइल

काल्हु के मैच में सौरव गांगुली के नाबाद ७५ रन का सहारे कोलकाता नाइट राइडर्स राजस्थान रायल्स के हरा के सेमी फाइनल में चहुँपे के उमेद जिन्दा राख लिहलस. ओने मुंबई इण्डियंस रायल चैलेंजर्स के ओकरा घर में हरा दिहलस. आजु का मैच में चेन्नई सुपरकिंग्स के मुकाबिला फिसड्डी किंग्स इलेवन से आ दिल्ली डेयर डेविल्स के मुकाबिला बरोबरी के डेक्कन चार्जर्स का साथे बा. सेमीफाइनल का दौड़ से राजस्थान रायल्स आ पंजाब किंग्स इलेवन बाहर हो चुकल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up