टटका खबर, अतवार, १ अगस्त

हिन्दूवन के आतंकी बतावे खातिर बेचैन सेकुलर मीडिया आ कांग्रेस

बड़की लकीर के बिना कटले पिटले छोट साबित करे के सबले आसान उपाय होला ओकरा बगल में एगो बड़हन लकीर खीँच दिहल. देश में आतंकी घटना से जुड़ल लोगन के कम देखावे का फेर में कांग्रेस आ सेकुलर मीडिया हिन्दुत्ववादी ताकतन के आतंकी बतावे देखावे खातिर बेचैन बा. रह रह के खबर आवेला कि फलाँ संघ नेता से पुछताछ कइल गइल चिलाँ से पूछताछ होखे वाला बा जबकि खुद सीबीआई निदेशक कह चुकल बाड़न कि कवनो संघी नेता आतंकी घटना से जुड़ल नइखे ना ही कवनो संघ नेता से पूछताछ हो रहल बा.

जदयू नेता प्रभुनाथ सिंह राजद में शामिल होखिहे

पूर्व जदयू सांसद प्रभुनाथ सिंह दू गो जदयू विधायकन का साथे सात अगस्त के जदयू में शामिल होखे जा रहल बाड़न. एह मौका पर लालू प्रसादो मौजूद रहीहें जिनका छपरा के राजपूत वोट के बहुते जरुरत बा. कहल जा रहल बा कि प्रभुनाथ सिंह के राजपूतन पर निमन प्रभाव बा. ओने नीतीश कहले बाड़न कि लालू जदयू के रिजेक्ट माल ले के जा रहल बाड़न जवना के कवनो महत्व नइखे. वइसे चुनाव का माहौल में नेता थरिया के बैंगन का तरह एने से ओने होते रहेले.

पाकिस्तान में बाढ़ से करीब १३०० लोग के मौत

पाकिस्तान के उत्तर पश्चिमी प्रान्त खैबर पख्तूनख्वा में अचके में आइल बाढ़ से करीब १३०० लोग के मरे के खबर बा. करीब छह सौ घर एह बाढ़ में दहा गइल बा. संयुक्त राष्ट्र का विज्ञप्ति में कहल गइल बा कि करीब दस लाख लोग एह बरखा आ बाढ़ से प्रभावित भइल बाटे. ओहिजा के प्रान्तीय सरकार सगरी टैक्स माफ कर दिहले बिया.

मीडिया बादशाह के एम मैथ्यू के निधन

केरल से छपे वाली मलयाला मनोरम के मुख्य संपादक के एममैथ्यू के आज अतवार का सबेरे उनका घर पर निढ़न हो गइल. मैथ्यू के उमिर ९३ साल हो गइल रहुवे. उनका निधन पर देश के राष्ट्रपति, उपराष्ट्रपति, सोनिया गाँधी समेत अनेके लोग आपन शोक संवेदना दिहले बा. मैथ्यू १९५४ में मैनेजिंग एडिटर बनल रहुवन आ १९७३ से चीफ एडीटर रहले ह. उनकर तीन गो बेटा आ एगो बेटी बिया.

धर्म बदलवावे आइल पादरी योगी के देखते भाग परइले

बहराइच का बेलभरिया में कई दिन से हिन्दुवन के धर्मपरिवर्तन में लागल पादरी राबर्ट डेनियल अपना सहयोगियन का साथे भाग परइले जब देवीपाटन शक्तिपीठ के महंत आ विधायक योगी कौशलेन्द्रनाथ ओहिजा चहुँपलन. पादरी तब तक बहुते महाउत परिवारन के धर्म बदलवा चुकल रहलन. अब योगी फेर ओह लोग के समुझाबुझा के हिन्दू धर्म में वापसी खातिर तइयार करा लिहलन. इहो कहलन कि तीन अगस्त के ओह लोग खातिर एगो मंदिर के आधारोशिला राखल जाई. ओने प्रशासन एह बात के पता लगावे में लागल बा कि ओह परिवारन के लड़िका लड़िकियन के पढ़ावे का नाम पर कहवाँ भेजल गइल बा.

बीएचयू में औषधि पौधन के बड़हन संग्रहालय खुलल

बनारस के बीएचयू में, अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के कमे लोग एएमयू कहेला बाकिर बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय के सेकुलर मीडिया भरसक बीएचयू ए कहेला, में द्रव्यगुण विभाग साढ़े चार सौ औषधिगुण वाला पौधन के संग्रहालय शुरु कइले बा जवन अपना तरह के अकेला संग्रहालय बा. एहिजा एक से एक विरला पौधा के नमूना बिटोरल गइल बा.

चार्ल्स शोभराज के सजा बरकार रहल

साल १९७५में एगो अमेरिकी लड़की के हत्या का आरोप में नेपाल का जेल में उमिर कैद के सजा काट रहल चार्ल्स शोभराज के उमेद रहुवे कि नेपाल के सुप्रीम कोर्ट से ओकरा राहत मिल जाई बाकिर शुक का दिने आइल फैसला में सजा के बरकरार राखल गइल बा. बीस साल के सजाय में से शोभराज सात साल के सजा काट चुकल बा आ छियासठ साल के उमिर आ गिरफ्तारी का बाद से बढ़िया व्यवहार का चलते ओकरा के समय से पहिलहू रिहा कइल जा सकेला.

राष्ट्रमंडल खेल का समय बाहर से आइल भिखारियन के हटावे के चिन्ता

जब कहीं कवनो शहर में बड़हन खेल आयोजन होला त पूरा दुनिया के यौनकर्मी, पाकिटमार, आ भिखारी ओहिजा जुट जाले. दिल्ली में होखेवाला राष्ट्रमंडल खेलन का दौरानो इहे होखे वाला बा. बाकिर तबले दिल्ली सरकार एह बात खातिर परेशान बिया कि पड़ोसि राज्यन से आइल भिखारियन के कइसे हटावल जाव. कहल जा रहल बा कि अबहिये दिल्ली में लगभग साठ हजार भिखारी बाड़े. दिल्ली सरकार केन्द्र से कहवा के पड़ोसी राज्यन से निहोरा कइले बिया कि एह भिखारियन के रोजगार दिहल जाव.

गहकी बढ़त गइले मुनाफा घटत गइल

हिन्दूस्तान के मोबाइल आपरेटर अपना बीचे प्रतिद्वन्द्विता में फोन करे के दर अतना कम कइले जात बाड़न कि मोबाइल ग्राहकन के बढ़त संख्या का बावजूद ओह लोग के मुनाफा घटल जात बा. असल में खुला बाजार में अइसनका होखे के संभावना बेसी रहेला जब कवनो बड़हन पाकिट वाली कंपनी दाम अतना गिरा देबेले कि ओकर प्रतिद्वन्द्वी कंपनी घाटा से बिला जाव तब ऊ आपन दर बढ़ा के पिछला सगरी घाटा मेटा लेव. अब यूनिनोर मोबाइल से फोन करे के दर में साठ फीसदी तक के रियायत देके एगो नया रेस शुरु कर दिहले बिया. अब एक मिनट के काल दर चौबीस पैसा हो गइल बा जबकि दोसर कंपनी अबही पचास से साठ पइसा वसूलत बाड़ी स.

खेल का दुनिया से

आईसीसी रैंकिंग में वीरेन्द्र सहवाग एक पायदान नीचे गिर गइले आ अब श्रीलंका के कुमार संघकारा पहिला जगहा पर आसीन हो गइल बाड़न. नयका रैंकिंग आजुवे जारी भइल बा. सचिन तेंदुलकर अब दू सीढ़ी चढ़ के चउथा जगह पर आ गइल बाड़े.

खेल रत्न खातिर चुने का तरीका पर गगन नारंग सवाल उठवले बाड़े. शूटिंग में दुनिया के नम्बर दू का जगह पर बइठल नारंग २०१२ लंदन ओलम्पिक खातिर क्वालिफाई कर गइल बाड़न. नारंग के कहनाम बा कि खेल पुरस्कारन खातिर खिलाड़ी के प्रतिभा से बेसी जनमत आ मीडिया के रुझान देखल जाला.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up