टटका खबर, अतवार, २५ अप्रैल

by | Apr 25, 2010 | 0 comments

भाजपा मुसलमानन के खिलाफ नइखे

भाजपा अध्यक्ष नीतिन गडकरी कहले बाड़न कि भाजपा के छवि जानबूझ के मुस्लिम विरोढ़ी बना दिहल गइल बा जबकि बात अइसन नइखे. कहलन कि पूरा देश में एक कानून के मांग कइसे कवनो समुदाय के विरोधी हो गइल. कहलन कि कवना देश में मुसलमानन खातिर अलगा कानून बा? राममन्दिर का सवाल पर गडकरी कहलें कि ई आस्था के विषय बा आ एकर कानूनी हल ना निकालल जा सके. गोविन्द वल्लभ पंत का समय में सोमनाथ मन्दिर के निर्माण भइल रहे त का पटेल साम्प्रदायिक रहलन?

केन्द्र सरकार का गरदन पर एगो अउरी फंसरी लपटाइल

फोन टेपिंग का मामिला में, जवना में कहल जा रहल बा कि शरद पवार, दिग्विजय सिंह, नीतीश कुमार, आ प्रकाश करात समेत कुछ बड़का राजनेता लोग के फोन टेप कइल गइल, केन्द्र सरकार अझूराइल बिया. ओकरा बुझात नइखे कि कइसे एक एक कर के नया नया बखेड़ा सामने आ रहल बा आ ओकरा हर बेर मामिला सम्हारे के पड़ जात बा. काल्हु एह मुद्दा पर सदन मे गरमागरमी हो के रही आ सरकार सफाई छोड़ के कुछ ना दे सकी.

बा हिम्मत त हटा के देखाव लोग

ललित मोदी बीसीसीआई के चुनौती दिहले बाड़े कि ऊ इस्तीफा ना दीहें आ बोर्ड में हिम्मत बा त उनका के बर्खास्त कर के देखावे. ओने बोर्ड मोदी के कवनो मोहलत देबे के तइयार नइखे. काल्हु के पुरस्कार समारोह में बोर्ड के कवनो पदाधिकारी ना शामिल भइलें आ हो सकेला कि आज का फाइनलो में बोर्ड के कवनो अधिकारी मौजुद ना रहस. ओने ललित मोदी दहाड़त बाड़े आ इहो कहत बाड़े कि उनका खिलाफ कुछ भइल त बहुते लोग बेनकाब हो जइहें. मतलब त एहसे इहे निकलत बा कि दाल में करिया नइखे, दलवे करिया बा.

बिहार के फार्मूला अपनावे जा रहल बिया केन्द्र सरकार

खाद्य सुरक्षा के केन्द्र सरकार के योजना खातिर बिहार सरकार के फारमूला अपनावे के बात चल रहल बा. एह योजना में गरीबी रेखा से नीचे रहे वालन के कूपन दे दिहल जाला कि ऊ कवनो दोकान से अनाज खरीद के तीन रुपिया किलो का दर से भुगतान कर देलें आ दुकानदार बाद में सरकार से बाकि पइसा ले लेला. कुछ अइसने योजना स्वास्थ्यो सुरक्षा में चलावल जा रहल बा जवना के हालत एहिजा बलिया में जवन देखे सुने के मिल रहल बा ई बा कि जम के घपलाबाजी हो रहल बा. बनारस के कुछ अस्पताल खुला नेवता दे रहल बाड़े कि बीपीएल कार्ड ले के आव आ पाँच हजार रुपिया ले के जा. कवनो इलाज करावल जरुरी नइखे. एहिजो के एगो अस्पताल का बारे में हवा गरम बा कि लाखों के फर्जी भुगतान उठावल जा रहल बा.

जनगणना जाति का आधार पर करावे के मांग कइलें लालू प्रसाद

लालू प्रसाद कहलें बाड़े कि अबकी के जनगणना में जातियो गिनल जाव जेहसे पिछड़ी जातियन के आगे बढ़े के मौका मिल पावे. जाति के जनसंख्या सही सहि मालूम ना रहला का चलते जातिगण आरक्षण के कोटा में विसंगति बा. अगरी जातियन के बुझात बा कि पिछड़ी जाति बेसी आरक्षण ले जात बाड़े जबकि वास्तविकता एकरा उलटा बा.

दुनिया भर से मुसलमान उद्यमी जुटीहें अमेरिका में

मुसलमानन का बीच आपन छवि दुरुस्त करावे का फेर में अमेरिका दुनिया भर के मुस्लिम उद्यमियन के सम्मेलन २६ अप्रैल से वाशिंगटन में करा रहगल बा जवना में हिन्दुस्तानो से प्रतिनिधि शामिल होखिहें. अनुमान बा कि ५५ देशन के पौने तिन सौ उद्मी एह सम्मेलन में शरीक होखिहें.

मेडिकल कालेजन में १२ हजार सीट बढ़ावल जाई

केन्द्रीय स्वास्थय मंत्रि गुलाम नबि आजाद काल्हु एगो कैँसर अस्पताल के उद्घाटन करत कहलें कि अगिला तीन साल में देश में मेडिकल कालेजन में बारह हजार सीट बढ़ावल जाई. कहलन कि निवेशक उच्च स्तर के मेडिकल कालेज खोले के तइयार बाड़े बाकिर योग्य शिक्षकन के कमी बा एही चलते समय लाग रहल बा.

फेसबुक पर रुड़ी के जाली अकाउण्ट

सोशल साइटन पर अक्सरहां देखे के मिलेल कि लोग कवनो मशहूर आदमी के फोटो आ नाम इस्तेमाल कर के जाली प्रोफाइल बना लेलें. ओह प्रोफाइलन पर शामिलो होखे वाला लोग गलतफहमी में रहेला कि हम एगो मशहूर आदमी से दोस्ती बना रहल बानी. अइसने एगो मामिला में रुड़ी शिकायत कइले बाड़े कि उनका नाम सेकेहू फेसबुक पर जाली प्रोफाइल बनवले बा.

नक्सलवाद से जूझे खातिर बन्दूक बा बतियावे के जरुरत बा

लालू प्रसाद कहले बाड़े कि नक्सलियन से निबटे में बन्दूक से सफलता ना मिली. जरुरत बा ओह लोग के बातचीत का मेज पर ले आवल जाव. केन्द्र सरकार के ऊ इहो सलाह दिहले बाड़न कि नक्सलियन से बतियावे खातिर नीतीश के आगे कइल जाव त सफलता मिल सकेला.

सचिन तेंदुलकर काल्हु आपन जनमदिन मनवलन

क्रिकेट के बेताज बादशाह सितारा सचिन तेंदुलकर काल्हु मुकेश अंबानी का साथे आपन जनमदिन धूमधाम से मनवले जवना में मुंबई इण्डियन्स के पूरा टीम शामिल भइल. सचिन के कोशिश रही कि आजु के फाइनल मैच उनकर टीम जीत लेव. पता ना का फिक्स भइल बा? के जानत बा? हो सकेला कि साल दूसाल बाद पता चले कि तीसरको आइपीएल के मैच फिक्से रहुवे जइसे कि दुसरका का बारे में अब कहल जा रहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up