pub-4188398704664586

टटका खबर, अतवार, २ मई

by | May 2, 2010 | 0 comments

रात में भईल बरखा से राहत मिलल

काल्हु राति चलल आन्ही आ ओकरा बाद भइल बरखा से गरमी से त राहत मिलल बाकिर बिजली ना रहला से सगरी राहत बेमजा हो गइल. छपरा बलिया दुनु जगहा बरखा होखे के खबर बा. हवा के वेग छपरा में बेसी रहुवे बलिया के बनिस्बत. बलिया में रात भर बिजली ना मिलल. काल्हु दिनो में उहे हालत रहुवे. बलिया के बिजली दू गो फीडर में ठीक से ना मिले. प्रशासकीय अधिकारियन वाला सिविल लाइन्स एरिया आ चेयरमैन वाला एरिया खातिर कवनो दिक्कत नइखे. खैर, आम जनता के त आदत रहेला सबकुछ बर्दाश्त करे के.

संसद में महँगाई के पक्ष लिहला का बाद अब ओकर आलोचना करत बाड़ी मायावती

संसद में जब महँगाई का खिलाफ बोले के मौका मिलल तब त साम्प्रदायिक शक्तियन के रोके के नाम पर बसपा सरकार के समर्थन कर दिहलस बाकिर अब बसपा प्रमुख मायावती २२ मई से यूपी में जनहित आन्दोलन चलावे के घोषणा कइले बाड़ी. अब समुझ में ना आवे वाली बात ई बा कि मुख्यमंत्री के जनहित आन्दोलन चलवला के का जरुरत. उनका लगे त जनहित में फैसला करे के अधिकार बड़ले बा. कहल जात बा कि एह आन्दोलन में जनता के बतलावल जाई कि महँगाई खातिर केन्द्र सरकार जिम्मेदार बिया.

दिल्ली के दहलावे के योजना बा आतंकियन के

अमेरिका, इंगलैण्ड, आ आस्ट्रेलिया के सरकार अपना अपना देश के नागरिकन के सलाह दिहले बाड़े कि ऊ लोग दिल्ली का भीड़ भाड़ वाला बाजारन से अलगा रहे काहे कि आतंकी दिल्ली के दहलावे के षडयन्त्र में लागल बाड़े सँ आ कहियो ई हमला हो सकेला. खुफिया विभागो के जानकारी बा कि आतंकियन के एगो जत्था दिल्ली में आ चुकल बा. बाकिर बेचारी सरकार करो त का? एह आतंकियन का देह पर ओकरा वोट बैंक के कोट पड़ल रहेला जवना के छेदे वाली गोली ओकरा लगे हइले नइखे.

एक्टिंग में बीए डायरेक्शन में एमए

नवहियन में फिल्म टेलीविजन के बढ़त ललक देख के कमाई के मौका देखत गुजरात के गाँधीनगर के एगो इन्स्टीट्यूट एक्टिंग में बीए आ डायरेक्शन में एम ए कोर्स के शुरुआत कइले बा. आशा पारीख, मनमोहन शेट्टी, गोविन्द निहलानी, सुधीर मिश्रा, इला अरूण जइसन लोग के नाम एऋ संस्थान से जुड़ल बतावल जात बा. पढ़ावे वालन में राजकुमार हीरानी, अनुराग कश्यप, डेविड धववन, अजीज मिर्जा, महेश भट्ट वगैरह लोग के नाम लिहल जात बा. दोसरा इंस्टीट्यूटन से फरक ई बा कि एहिजा बीए के सर्टिफिकेट मिली जवना का बाद लोग चाही त दोसरो विश्विविद्यालय से दोसरो विषय में एमए कर पाई. पहिले के इंस्टीट्यूट डिप्लोमा देबेलें जवना में ई सुविधा नइखे.

नेता जी पुछलन कि जजे के बेटा जज काहे

कानून मंत्री वीरप्पा मोइली एह बात से चिन्तित बाड़े कि जज आ सीनियर अधिवक्ता के बेटा लोग काहे जज बनत बा. उनका चिन्ता एह बात के बा कि प्रतिभावान छात्र न्यायपालिका में नइखन आ पावत आ एह चलते उहे लोग जज बनत बा जेकर बाप पहिले से जज बा भा कवनो सीनियर अधिवक्ता. देश में १४ गो नेशनल लॉ विश्वविद्यालय बा जबकि ९०० से बेसी लॉ कालेज जहवाँ के पढ़ल छात्रन के कवनो पूछ नइखे. काश मोइली जी कबो एहू पर चिन्ता करतन कि जवाहर के बेटी, इन्दिरा के बेटा, राजीव का बेटा, लालू के बीबी, मुलायम के बेटा, करुणानिधि के खानदान वगैरह में कवन खासियत बा जवना चलते ऊ लोग अपना अपना पार्टी में ताकतवर हो जात बा.

कारतूस घोटाला में अधिकारियो शामिल रहलें

सीआरपीएफ कैम्प रामपुर में सामने आइल कारतूस घोटाला के तार कैम्प के बड़को अधिकारियन से जुड़ल रहे. बिना ओह लोग का जानकारी के अतना खतरनाक घोटाला हो ना सकत रहे. पकड़ाइल आर्मोरर कहत बाड़े सँ कि असिस्टेन्ट कमाण्डेन्टो के अपना कमाई के हिस्सा देत रहलें सँ आ ओकरे कहला पर ई धंधा शुरु कइले रहलें स. पकड़ाइल सामान से तीन गो एके४७, तीन गो कार्बाइन, आ एगो एसएलआर तइयार हो सकत रहे. अब एह घोटाला से जुड़ल पाँच गो जिला में स्पेशल जाँच टीम काम पर लागल बाड़ी सँ.

शाही इमाम कोर्ट में हाजिर ना भइलन

चुनावी संहिता के उल्लंघन का एगो मामिला में दिल्ली के जामा मस्जिद के शाही इमाम अहमद बुखारी मुज्फ्फरनगर का कोर्ट में हाजिर ना भइलन. अब उनका के २५ जून के हाजिर होखे के कहले बाड़े मुख्य न्यायायिक मजिस्ट्रेट.

बीएड प्रवेश परीक्षा में गड़बड़झाला

लखनऊ विश्वविद्यालय बीएड प्रवेश परीक्षा में भइल गड़बड़झाला के आरोप प्रशासन पर लगवले बा. लिखित शासनादेश का चलते न्यूनतम अर्हता ४५ फीसदी तय कइल गइल. अब जब गड़बड़ी सामने आ गइल बा त एक लाख पैंतालिस हजार परीक्षार्थी परीक्षा ना दे पइहें. ओह लोग के फीस वापसी इम्तिहान का बादे होखी आ जे लोग इम्तिहान में बइठ जाई ओह लोग के फीस वापिस ना होखी. आ बइठी लोग एह चलते कि का पता बाद में इहे अर्हता मान्य हो जाव!

अपराधियन के दुर्ग बनल बसपा से पाँच सौ लोग निकालबाहर

मायावती के मुख्यमंत्री बनला का बाद बसपा के दुर्ग मान के बड़हन संख्या में बाहुबली आ किसिम किसिम के अपराधी ओह में शामिल हो गइल रहलें. अब जब सफाई अभियान शुरु भइल बा त पाँच सौ लोग के अपराधी होखे के नाम पर निकाल बाहर कर दिहल गइल बा. अबहियों बाकी अपराधियन के तलाश जारी बा आ कुछ अउर लोग निकालल जइहें.

बीसबीसा क्रिकेट वर्ल्ड कप में काल्हु

नया नया टीम आ विश्वकप में पहिलाबेर खेले आइल अफगानिस्तान के सात विकेट से हरा के भारत अपना विजय यात्रा के शुरुआत कर दिहलसि. दोसरका मैच में पाकिस्तानो बांगलादेश के हरा दिहलस. आज का मैच में भारत के दक्षीण अफ्रीका से भिड़न्त बा त पाकिस्तान के आस्ट्रेलिया से.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586