टटका खबर, अतवार, ४ जुलाई

by | Jul 4, 2010 | 0 comments

मुजफ्फरपुर में एके परिवार के छह बेकति के हत्या

मुजफ्फरपुर शहर के खबड़ा में आजु अतवार के फजीरे एगो परिवार के छह बेकति के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. हत्या के कारण भा हत्यारन का बारे में अबही कवनो खबर नइखे आइल. इलाका के लोग डेराइल बा आ पुलिस से माँग कइले बा कि हत्यारन के जल्दी से जल्दी पकड़ लिहल जाव.

मोदी के चुनाव प्रचार खातिर बोलहटा से फेर मामिला गरमाइल

पिछला दिने नरेन्द्र मोदी के भाजपा के चुनाव प्रचार खातिर बिहार आवे के बोलहटा से बिहार के राजनीति एक बेर फेर गरमा गइल बा. कुछ लोग एहसे प्रसन्न बा त सत्ता में मंत्री बनल कुछ लोग नाराज. कहल जात बा कि बड़ा मुश्किल से त गठबन्हन के बचावल गइल रहे फेर ओकरा के खतरा मे डाले के कवन हड़बड़ी रहुवे?

कांग्रेसो कवनो पार्टी हियऽ, पुछले नीतीश कुमार

अरुण कुमार के अपना पार्टी में वापसी पर स्वागत करत नीतीश कुमार कहले कि तीन गो सांसद आ दस गो विधायक वाली कांग्रेस पार्टी के बिहार में कवनो हैसियत नइखे. कहले कि राज्य सरकार के हर प्रस्ताव के केन्द्र लटका के राख दे ता.

काल्हु के भारत बंद के सफल बनावे खातिर भाजपा आपन ताकत झोंकलसि

काल्हु के देशव्यापी बन्द के सफल बनावे खातिर भाजपा कमर कस लिहले बिया आ अपना पार्टी के बड़का नेतवन के हर राज्य का राजधानी में भेजे के योजना बनवले बिया. ऊ लोग ओहिजा बन्द के नेतृत्व करी. वामपंथियन, समाजवादियन के अब बुझात ना होखी कि एह बिन बोलावल समर्थन से कइसे निबटल जाव. कांग्रेस त अब खुला आरोप लगाई कि सगरी जने भाजपा से मिल के बन्द के आह्वान कइले.

अपना नेता के मौत के बदला लेबे खातिर ४८ घंटा के भारत बन्द करीहे नक्सली

आंध्र प्रदेश में नक्सली पोलितब्यूरो के सदस्य आ ओकर प्रवक्ता आजाद के मौत का बाद नक्सली आरोप लगावत बाड़े कि पुलिस उनका के आ सुखदेव के नागपुर में जियते गिरफ्तार कइले रहे आ बाद में ओह लोग के अदिलाबाद ले जा के हत्या कर दिहल गइल. नक्सली नेता किशनजी के कहनाम बा कि सबकुछ चिदम्बरम का जानकारी में भइल बा आ एकर बदला ले के रहब सँ.

सपना देखला पर कवनो रोक नइखे

भाजपा अध्यक्ष नीतिन गडकरी कहले बाड़न कि साल २०१४ का लोकसभा चुनाव का बाद राजग फेर से सत्ता में वापिस आई. ऊ माने के तईयार नइखन कि बीजु जनता दल आ लोक दल के बाहर चल गइला का बाद राजग कमजोर भइल बा. कहले कि पार्टी आवते जात रहेली सँ. कुछ लोग गइल त कुछ लोग आवहू के तईयार बा बाकिर कतनो पुछला पर ओह पार्टियन के नाम ना बतवले जवन राजग में आवल चाहत बाड़ी सँ.

यूपी बोर्ड के पाठ्यक्रम में बदलाव

यूपी बोर्ड अब अपना पाठ्यक्रम में बदलाव का साथे पेपर प्रणालिओ में बदलाव कइले बा. पहिले जवना विषय के तीन पेपर रहत रहे ओकरा के अब दू पेपर के, आ पहिले जवन दू पेपर रहत रहे तवना के एक पेपर के कर दिहल जाई. बोर्ड के उमेद बा कि एहसे परीक्षार्थियन के अंक प्रतिशत बढ़ जाई आ दोसरा बोर्ड के विद्यार्थियन के बरोबरी कर सकीहे.

हाईकोर्ट के तीन गो जज का खिलाफ चार्ज शीट दाखिल

गाजयाबाद के प्राविडेन्ड फण्ड घोटाला में जाँच का बाद सीबीआई ७८ आदमी का खिलाफ आरोप पत्र दाखिल कइले बिया जवना में इलाहाबाद हाई कोर्ट के तीन गो पूर्व जजो शामिल बाड़े. मामिला के जानकारी देत सीबीआई बतवले बिया कि कुल मिला के ७.९२ करोड़ के ७८१ गो चेक गाजियाबाद के चतुर्थ श्रेणी के कर्मचारियन का नामे काटल गइल रहे. एहमें से कुल मिला के ६.५८ करोड़ रुपिया के ४८२ चेक गलत तरीका से भँजा लिहल गइल.

मानसून के पहिले के बरखा से दिल्ली अहमदाबाद में राहत, मुंबई मे परेशानी

काल्हु देश का कई इलाकन में बरखा भइला से लोग के मौसम के मिजाज से तनी राहत मिलल बाकिर मुंबई के लोग बरखा का चलते होखे वाला जल जमाव से बहुते परेशानी उठवले.

खेल का दुनिया से

काल्हु का फीफा वर्ल्ड कप जर्मनी अर्जेन्टिना के चार गोल से हरा के मेराडोना के सपना तूड़ दिहलसि. दोसरा मैच में स्पेन परागुवे के एक गोल से हरा दिहलसि. अब दू दिन के आराम का बाद मंगल का दिने पहिलका सेमीफाइनल उरुग्वे आ नीदरलैण्ड का बीच आ बुध का दिने दुसरका सेमीफाइनल जर्मनी आ स्पेन का बीच होखी. क्रिकेट से जुड़ल खबर में बतावल गइल बा कि धोनी शादी करे जा रहल बाड़े आ ललित मोदी पर आपराधिक मुकदमा चलावे के तइयारी में बा भारत के क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up