टटका खबर, बुध, १४ अप्रैल

by | Apr 14, 2010 | 0 comments

जबान फिसलल त बर्दाश्त हो सकेला बाकिर चाल फिसलल ना

अपना बेलगाम टिप्पणियन का चलते अक्सरहां विवादन में घेराये वाला विदेश राज्यमंत्रि शशि थरुर अबकी अपना चाल चलन का चलते फँस गइल बाड़े. दू गो शादी कर चुकल आ दुनु में असफल रहल शशि थरुर अब तीसरी शादी करे का फेर में बाड़े. शादी त जब होखी तब होखी बाकिर अबहिये से दुनु के नाम विवाद में आ गइल बा. बतावल जा रहल बा कि शशि थरुर के एह प्रेमिका के कोच्चि का आइपीएल टीम के पाँच फीसदी हिस्सेदारी असहीं दे दिहल गइल बा. अब अतना त सभे जानत बा कि बिजनेस में असहीं कुछ ना होखे आ एहिजा त केन्द्र के एगो मंत्री शामिल बा पूरा कहानी में. आवाज उठ रहल बा कि कोच्चि टीम के आइपीएल में शामिल करे में सबकुछ साफे बा कि कहीं कुछ करियो बा! बाकिर हमनी के प्रधानमंत्री जी कहले बाड़न कि जब तक पूरा मामिला समुझ नइखे लिहल जात तब ले शशि का पक्ष भा विपक्ष में कुछ ना कहल जा सके.

युलिप निवेशक हर हाल में सुरक्षित रहीहें

सेबी आ इरडा के अधिकार क्षेत्र का विवाद में घेराइल युलिप का निवेशकन के निश्चिंत करावत लाइफ इंस्योरेंस काउन्सिल के अध्यक्ष माथुर कहले बाड़न कि कोर्ट से चाहे जवन फैसला आवे निवेशकन के धन पूरा तरह से सुरक्षित बा. अगर नुकसान होखी त कम्पनियन के. माथुर इहो कहलन कि पिछला दस साल से ठीक ठाक चलत आ रहल युलिप में अचके सेबी काहे टँगड़ी फँशवलस ई समुझ में नइखे आवत. इरडा के नियम कायदा सेबी से सख्त बा. हर तरह के चार्ज के सीमा तय कर के रखले बा इरडा आ निवेशकन के हित खातिर हमेशा सचेतो रहेला इरडा.

गुट निरपेक्ष देशन खातिर दिहल भोज में भारत के नेवता ना मिलल

गुट निरपेक्ष आन्दोलन के संस्थापक सदस्य रहल भारत के अमेरिका के उपराष्ट्रपति जो बिडेन का तरफ से भोज के नेवता ना मिलल जबकि भोज गुट निरपेक्ष देशन के दिहल गइल. बाद में अमेरिकी प्रशासन कहलस कि ओहि देशन के बोलावा भेजल गइल रहे जे एनपीटी पर दस्तखत कर चुकल बा. भारत एनपीटी पर दस्तखत नइखे कइले से ओकरा के ना बोलावल गइल. मनमोहन सिंह एघरी अमेरिके गइल बाड़न.

राहुल डा॰अम्बेडकर के माला ना पहिरा सकीहें

अम्बेडकर जयन्ती का दिन अम्बेडकर नगर से अपना प्रचार यात्र के शुभारंभ करे का हड़बड़ी में पहिले त कांग्रेस भुला गइल कि ओकरा बैनर पोस्टर पर अम्बेडकरो के फोटो रहे के चाहीँ. जब ओह पर विवाद तूल पकड़ लिहलसि त आनन फानन में नया पोस्टर छपवावल गइल. फेर गलती हो गइल कि अम्बेडकर के मूर्ति पर माला चढ़ावे के अनुमति समय पर ना लिहल गइल. काल्हु एगो आवेदन प्रशासन के मिलल कि राहुल डा॰ अम्बेडकर के मूर्ति पर माला चढ़ावल चाहत बाड़े. प्रशासन अब जाँच करवा रहल बा कि सुरक्षा व्यवस्था देखत अइसन हो पाई कि ना.

सगोत्री विवाह खाप पंचायत के मंजूर नइखे

हरियाणा आ अगल बगल के खाप पंचायत के महापंचायत काल्हु अपना बैठक में फैसला लिहलसि कि एह मामिला में कोर्ट के फैसला ओकरा मंजूर नइखे आ सगोत्री विवाह करे वालन के हत्या का आरोप में सजायाफ्ता लोगन के हर तरह के कानूनी सहायता दिहल जाई. इहो मांग कइले बा लोग कि हिन्दू विवाह अधिनियम में संशोधन कर के सगोत्री विवाह पर रोक लगा दिहल जाव.

व्यापारियन के ट्रेन से फेंके के बात गलत निकलल

बलिया में ट्रेन से तीन गो पशु व्यापारियन के फेंके के मामिला झूठ निकलल. भइल ई रहे कि तीन गो व्यापारी शराब का नशा में कवनो बात पर अपने में झगड़ पड़लन. ओही दौरान एगो व्यापारी नीचे गिर गइल. ओकरा बाद दु गो अईरी व्यापारी धीरे चलत ट्रेन से उतर गइलें आ केस बनवलें कि ओह लोग के फेंक दिहल गइल रहे. चउथका व्यापारी पशुवन का साथे आगा चल गइल. पुछताछ में सगरी बात बक दिहले लोग.

दाढ़ी बाबा पर टिकट जारी होखी

पूर्व प्रधानमंत्री आ बलिया के सांसद रहल चन्द्रशेखर के जन्मदिवस का अवसर पर १७ अप्रैल के डाक विभाग पाँच रुपिया के टिकट जारी करे जा रहल बा. दिल्ली का विज्ञान भवन में आयोजित कार्यक्रम में उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी का हाथे एकरा के जारी कइल जाई. बलिया के लोग श्रद्धा आ प्रेम से उनका के दाढ़ी बाबा कहत रहे.

सिवान जिला में बन्दूक बनावे वाली छोटहन फैक्टरी पकड़ाइल

सिवान जिला का गोरेयाकोठी में लाको टोला में मनोज शर्मा का घर में पिछला कई साल से चल रहल बन्दूक बनावे वाली फैक्टरी के भंडाफोड़ हो गइल. मनोज शर्मा के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. मौका पर से सात गो तइया कट्टा, एक दर्जन बैरल, बन्दूक के बट आ कई गो दोसर सामान पकड़ाइल बा.

बिहार के अठाइस शहरन के सूरत बदल दिहल जाई

बिहार सरकार ४२५ करोड़ खरच कर के राज्य के अठाइस गो शहरन के कायाकल्प करे जा रहल बिया. एह शहरन में छपरा, सीवान, आरा, आ बेतिया शामिल बाड़ी सँ. एह योजना में शहरन के निकायन में ढाँचागत सुधार, होल्डिंग टैक्स के कंप्यूटरीकरण, दोहरा लेखा प्रणाली, आ जीआईएस मैपिंग वगैरह करवावल जाई.

आईपीएल तीन में सेमीफाइनल के जगहन खातिर अबहियो जंग जारी बा

काल्हु का मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स के हरा के चेन्नई के सुपर किंग्स अंक तालिका में कूद के दुसरका जगहा पर चहुँप गइल. आजु के मुकाबिका राजस्थान रायल्स आ रायल चैलेंजर्स बेंगलुरु का बीच होखे जा रहल बा.दुनु टीमन खातिर आज के मैच जीतल बहुत जरुरी बा बाकिर जीती त केहू एके.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up