टटका खबर, बुध, १४ जुलाई

by | Jul 14, 2010 | 0 comments

आरक्षण कवनो सीमा तक हो सकेला बशर्ते

सुप्रीम कोर्ट १६ नवम्बर १९९९२ के दिन दिहल अपना फैसला में कहले रहे कि आरक्षण पचास फीसदी से बेसी ना कइल जा सके. अब सुप्रीमे कोर्ट संकेत दिहले बा कि आरक्षण कवनो सीमा तक हो सकेला बशर्ते दलित आ पिछड़ा वर्ग के विश्वास करे लायक आंकड़ा मौजूद होखे. कोर्ट का सामने तमिलनाडु, कर्नाटक, आ उड़ीसा में पचास फीसदी से बेसी के आरक्षण का खिलाफ दायर याचिका पर कोर्ट ई राय दिहले बा. कोर्ट तमिलनाडु सरकार के कहले बा कि ऊ ६९ प्रतिशत के आरक्षण पिछड़ा वर्ग आयोग का सामने राखे आ ओहिजा एक साल का भीतर सिद्ध करे कि ओकरा लगे एह से जुड़ल विश्वास करे लायक आंकड़ा मौजूद बा. कर्नाटक आ उड़ीसा के आरक्षण पर पहिले से सुप्रीम कोर्ट के रोक बा. तमिलनाडु अपना प्रावधान के संविधान के नवीं सूची में डाल दिहले बा जवना के न्यायायिक समीक्षा ना हो सके. उड़ीसा आ कर्नाटको सरकार के कहल गइल बा कि उहो लोग अपना पिछड़ा आयोग का सामने विश्वसनीय आंकड़ा के सबूत पेश करो.

आईएएस के परीक्षा प्रणाली में बदलाव

सिविल सर्विस परीक्षा पास करे वाला लोग के हर महकमा के काम देखे होला एहसे वैकल्पिक विषय के परीक्षा के उपादेयता पर सवाल खड़ा कइल जा सकेला. अब तक प्रारम्भिक परीक्षा में डेढ़ सौ अंक के सामन्य ज्ञान आ तीन सौ अंक के वैकल्पिक विषय के परीक्षा लिहल जात रहे. अगिला परीक्षा से वैकल्पिक विषय हटा दिहल जाई आ ओकरा जगहा एप्टिच्यूड टेस्ट लिहल जाई. एप्टिच्यूड आ सामान्य ज्ञान के अंक बराबर के होखी. एप्टिच्यूड परीक्षा से देखल जाई की परीक्षार्थी सिविल सर्विसेज लायक बा कि ना. एह बदलाव से अब तक तइयारी में लागल संभावित परीक्षार्थी लोग के नया तरीका से तइयारी करे के पड़ी.

सबसे कम उमिर के प्रोफेसर बनल तथागत

२२ साल का उमिर में बिहार के अतिशय प्रतिभाशाली डा॰ तथागत मुंबई आईआईटी में असिस्टेन्ट प्रोफेसर का पद पर १९ जुलाई के योगदान दीहें आ ओकरा साथही देश में सबसे कम उमिर के प्रोफेसर होखे के गौरव हासिल कर लीहें. तथागत के सपना बा नोबल पुरस्कार जीतल आ अबही ऊ क्वांटम कम्प्यूटर का क्षेत्र में शोध कर रहल बाड़न. आईआईटी मुंबई उनका के एह शोध खातिर दस लाख रुपिया के अनुदानो दे रहल बा. डा॰तथागत इण्डियन इंस्टीच्यूट आफ साइंस, बेंगलुरु से पीएचडी कइले रहले.

आरा छपरा पुल के शिलान्यास हो गइल

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार काल्हु छपरा के राजेन्द्र स्टेडियम में आयोजित एगो समारोह में पुल खातिर शिलादान कइले. पुल छपरा के डोरीगंज आ आरा के बबुरा का बीच बने जा रहल बा आ गंगा सरयू के संगम स्थल पर बा. एह पुल का बनला का बाद आरा छपरा के सड़क दूरी मौजूदा १३५ किलोमीटर से घट के ५० किलोमीटर रह जाई. नीतीश कुमार बतवले कि पुल खातिर सगरी इन्तजाम हो चुकल बा आ रुपयो के व्यवस्था पूरा बा. ६७५ करोड़ रुपिया के लागत से बने वाला ई पुल चार साल का भीतर बन के तइयार हो जाई. ई पुल अब तक के सबले बड़ लागत वाला सड़क पुल होखी. एकरा के बिहार राज्य पुल निर्माण निगम खुदे बनाई.

चीनी के रोगियन खातिर एगो खुशखबरी

देश में चीनी के बीमारी मधुमेह के शिकार मरीजन के संख्या दिन पर दिन बढ़ल जात बा. एहमें टाइप वन के मरीजन के रोजाना दू से तीन बेर इंसुलिन के सुई लगवावे के पड़ेला. अब भारतीय राष्ट्रीय रोग प्रतिरक्षण संस्थान के वैज्ञानिक इंजेक्शन के एगो नया विधि इजाद कइले बाड़े जवना का बाद एगो सूई लिहला का बाद मरिज तीन महीना तक रोग मुक्त रह सकेला. बाकिर ई तरीका तुरते उपलब्ध नइखे होखे जा रहल. अबही एकरा के जानवरन पर आजमावल गइल बा आ ओकरा बाद कड़ा सुरक्षा नियमन के पालन करत आदमी पर परीक्षण होखी. ओहमें सफल होखला के बादे एकरा के उपलब्ध करावल जा सकी.

बीमा करे के ओकर किश्त ना भरे वालन के अब जुर्माना देबे के होखी

इरडा यूलिप खातिर ढेर सारा नियम बनवले बा जवना से कि निवेशक के जोखिम कम हो सके. एह नियम का साथे एगो अउरी नियम बनावल गइल बा जवना से कि निवेशक बहुते सोच समुझ के यूलिप के पालिसी लेस. पालिसी लिहला के बाद अगर चार साल का भीतर प्रीमियम भरल भुला गइनी भा ना कइनी त अब एक हजार से छह हजार रुपिया तक के जुर्माना देबे के पड़ी. पांचवा साल का बाद प्रीमियम ना भरला पर पालिसी कालातीत हो जाई आ ओकरा बाद लॉकइन अवधि का बाद रिटरंन का साथ लवटावल जाई.

गर्भवती छात्रा के हाजिरी कम होखे के छूट दिहल गइल

दिल्ली लॉ फैकल्टी के दू गो विवाहित छात्रा के इम्तिहान देबे से रोक दिहल गइल काहे कि ओह लोग के हाजिरि कम रहे. ऊ लोग अदालत में मुकदमा कर दिहल जहाँ दिल्ली के अदालत विश्वविद्यालय आ बार काउन्सिल के कहलसि कि एह मामिला में सहानुभूति का साथ फैसला लिहल जाव. जमाना बदल रहल बा. सुप्रीम कोर्ट बिना बियहले साथे रहे के जायज ठहरा चुकल बा आ शादी के पहिले के यौन संबंधो. एहसे अगर छात्रा गर्भवती हो जात बिया त ओकरा हाजिरी में छूट मिलही के चाहीं. अदालत साथही कुछ दोसरा छात्रन के अरजी ई कह के नकार दिहलस कि बिना हाजिर रहले पढ़ाई ना कइल जा सके.

नक्सल समस्या पर प्रधानमंत्री आ मुख्यमंत्रियन के बइठक

प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह आजु नक्सल प्रभावित सात गो राज्यन के मुख्यमंत्रियन का साथ विचार विमर्श कर रहल बाड़े. दिल्ली में हो रहल एह बइठका में उनका साथे बिहार, उड़ीसा, छत्तीसगढ़, महाराष्ट्र, आ आंध्रप्रदेश के मुख्यमंत्री, पश्चिम बंगाल से उनकर प्रतिनिधि, आ झारखण्ड राष्ट्रपति शासने में बा, शामिल बाड़े. आजु तय कइल जाई कि एह उग्र विचारधारा से निबटे के तौर तरीका का रही.

फेर से अपना धर्म में लवटलें ११६ गो हिन्दू परिवार

समाज के उपेक्षा झेलत फिरोजाबाद के ११६ गो वाल्मीकि परिवार ईसाई बन गइल रहलें. ओह लोग के समुझा बुझा के धर्म जागरण मंच वापिस हिन्दु धर्म अपनावे के मना लिहलस आ तकरीबन साढ़े पाँच सौ लोग हिन्दू धर्म में वापिस हो लिहल. एह खातिर हवन यज्ञ आयोजित करावल गइल जवना में विधि विधान से ओह लोग के हिन्दू बनावल गइल.

खेल का दुनिया से

हॉकी इण्डिया के भारत सरकार से अनापत्ति प्रमाण पत्र मिल गइल बा आ अब ऊ आपन आन्तरिक चुनाव करवा सकेले. दिल्ली हाई कोर्ट के फैसला से केपीएस गिल वाला भारतीय हाकी महासंघ के बहाल कइला का बाद सरकार हाकी इण्डिया के आपन चुनाव करावे से रोक दिहले रहुवे.
खेल मंत्रालय इण्डियन ओलम्पिक एसोसिएशन के जल्दी से आपन पूरा प्रस्ताव पेश करे के कहले बिया जवना का बादे विचार करके सरकार ओकरा के साल २०१९ के एशियाई खेलन के मेजबानी करे के प्रस्ताव राखे के अनुमति दीहि.
अबही दिल्ली में होखे वाला कामनवेल्थ खेलन के स्टेडियम तइयार नइखी भइली सँ जवना चलते देश के खिलाड़ियन के अपना देश में ई प्रतियोगिता करवला के फायदा ना उठा पइहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up