टटका खबर, बुध, १९ मई

कांग्रेस नक्सलियन पर हवाई हमला बोले का खिलाफ

कांग्रेस पार्टी नक्सली समस्या के समाधान खातिर कवनो कड़ा कदम उठावे का खिलाफ लागत बिया. पार्टी में एह मसला पर अतना मनभेद बा कि सरकार कवनो दो टूक फैसला नइखे कर सकत. दोसरा तरफ कांग्रेसी नेता दिग्गी राजा एह मसला पर राजनीति करे में लागल बाड़न. ऊ छत्तीसगढ़ सरकार के इस्तीफा के माँग कइले बाड़न जबकि समस्या मूल रुप से केन्द्र सरकार के नीति से जुड़ल बा. ओने गृह मंत्री पि चिदम्बरम कहले बाड़न कि एह मसला पर उनकर हाथ मुँह बन्हाइल बा.

नक्सलियन खातिर काम करे वाला आरोपियन के जमानत याचिका खारिज

दिल्ली में नक्सल आन्दोलन से युवा वर्ग के जोड़े में लागल गोपाल मिश्रा आ उनका मेहरारु अनु मिश्रा के जमानत देबे से तीसहजारी कोर्ट इन्कार कर दिहलस. कहलस कि आरोप गंभीर बा. गोपाल मिश्रा आ अनु मिश्रा दिल्ली में श्रमिक आन्दोलन से जुड़ल बाड़े आ गिरफ्तार नक्सली कोबाड गंधी से संबंध राखे के आरोपो ओह लोग पर बा.

अर्जुन मुण्डा झारखण्ड के अगिला मुख्यमंत्री

बिना विधायक बनले झारखण्ड के मुख्यमंत्री बनल शिबू सोरेन २५ मई के इस्तीफा दे दीहें आ ओहि दिने भाजपा के अर्जुन मुण्डा के अगिला अठाइस महीना खातिर झारखण्ड के मुख्यमंत्री बना दिहल जाई. ओकरा बाद फेर झामुमो के केहू नेता मुख्यमंत्री बनावल जाई. एही बीच बाबूलाल मरान्डी सुप्रीम कोर्ट में याचिका दे के कहले बाड़न कि शिबू के मुख्यमंत्री पद पर काम करे से रोकल जाव काहे कि ऊ छह महीना का अवधि में विधायक ना चुना पइहें. साथ ही भविष्यो में उनका के बिना विधायक बनले मुख्यमंत्री बने से रोके के आदेश के जरुरत बा.

चार साल से अफजाल गुरु का फाइल पर केंचुली मार के बइठल बिया शीला सरकार

जब बात खुल गइल कि अफजाल गुरु का फाइल पर दिल्ली सरकार के राय माँगे वाला फाइल चार साल से पड़ल बा त पहिले त शीला दीक्षित कहली कि उनका एकरा बारे में कवनो जानकारी नइखे. फेर ओकरा बाद कहली कि सरकार आपन राय दे के फाइल लेफ्टिनेन्ट गवर्नर का लगे भेज दिहल गइल बा. अब लेफ्टिनेन्ट गवर्नर ओह फाइल के वापिस दिल्ली सरकार के भेज दिहले बाड़न कि सरकार आपन राय साफ साफ बतावे घुमा फिरा के अझूरावे मत.

स्कूलन के किला बनावल चाहत बिया केन्द्र सरकार

गृह मंत्रालय स्कूल बोर्डन के चित्ठी भेज के स्कूलन पर आतंकी हमला होखे का हालत में स्टैन्डर्ड कार्रवाई प्रक्रिया के बारे में राय मँगले बा. मंत्रालय के राय बा कि हर स्कूल के चहारदीवारी पर काँटा लागल तार रहे के चाहीं, निकले खातिर तीन चार गो गेट रहे के चाहीं, हर गेट पर चौबीसो घंटा तीन गो हथियारबन्द चौकीदार रहे के चाहीं, वगैरह वगैरह, हर स्कूल बिल्डिंग के नक्शा बगल का थाना में उपलब्ध रहे के चाहीं. देकल जाव कि बोर्ड एह मसला पर का राय देत बाड़े.

विश्वविद्यालय शिक्षकन के ५२ साल में अवकाश मिल जाई

पटना हाई कोर्ट एगो सिंगल जज के फैसला बदल दिहलस जवना में कहल गइल रहे कि विश्विविद्यालय शिक्षकन के रिटायरमेण्ट ६२ साल का बजाय ६५ साल में होखे के चाहीं काहे कि अनुदान आयोग के अनुशंसा अइसने बा. राज्य सरकार एह फैसला का खिलाफ एह तर्क का साथे अपील कइले रहुवे कि ऊ अनुशंसा केन्द्रीय विश्वविद्यालयन खातिर बा राज्य सरकार के विश्वविद्यालयन खातिर ना. डिविजन बेंच एह बात के मान लिहलस आ रिटायरमेंट एज फेर से ६२ साल कर दिहलस.

नीतीश पर समाज के बाँटे के आरोप लगवलें लालू

पटना में तेली समाज का एगो समारोह में लालू प्रसाद कहलें कि उनकर जगावल सामाजिक चेतना का चलते नीतीश मुख्यमंत्री बन पवलें बाकिर ऊ हमेशा लालू राबड़ी राज का खिलाफ बोलत रहेलें. लालू आरोप लगवलें कि नीतीश अपना जाति के अधिकारियन के प्रशासन में प्राथमिकता दे रहल बाड़न आ समाज के कमजोर कर रहल बाड़न. दोसरा तरफ ऊ तेली समाज के राय दिहलन कि ऊ लोग अपना के वैश्य समाज से अलगा कर लेव जवन हमेशा भाजपा के साथ रहेला.

लैला आंध्र तट का ओर बढ़ रहल बिया

बंगाल का खाड़ी में केन्द्रित तूफान लैला अब आंध्र प्रदेश का ओर बढ़ रहल बिया आ बियफे ले तट पार कर जाये के अनेसा बा. एह चक्रवात का चलते काल्हु से कई जगहा जोरदार बरखा हो रहल बा. एह चक्रवाती तूफान का चलते सैकड़न का संख्या में समुद्री नौका क्षतिग्रस्त हो गइल बाड़ी सँ.

बलिया पावर स्टेशन में अतवार के आग का बाद से हालात सुधरत नइखे

अतवार के साँझ बलिया पावर स्टेशन का एगो ट्रांसफार्मर में आग लगला का बाद से बलिया के बिजली आपूर्ति में गड़बड़ी बरकरार बा. आजु फेर एक फजीरे से बिजली नदारद बिया जवना चलते भयंकर गर्मी में आदमी बजबजा के रह जात बा बाकि नहाये खातिर पानी तक दुलम हो गइल बा.

तीसरका वर्ल्ड कप का मेजबानी से आईसीसी खुश

तीसरका वर्ल्ड कप के मेजबानी बढ़िया से करे खातिर क्रिकेट के अंतर्राष्ट्रीय परिषद वेस्ट इंडीज क्रिकेट बोर्ड के खूब बड़ाई कइले बिया. आईसीसी के मुख्य कार्यकारी अधिकारी हारुन लोगर्ट कहले बाड़न कि सबका मिलल जुलल कोशिश से अबकी के विश्वकप कबो ना भुलाएवाला आयोजन बन गइल बा.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up