टटका खबर, बुध, २१ अप्रैल

by | Apr 21, 2010 | 0 comments

संसद में उठल भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता के माँग

काल्हु संसद में कांग्रेसी सांसद महावल मिश्र भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करे के माँग कइलन जवना के दोसरो पार्टी के सांसद समर्थन कइलें. देश विदेश में बोले जाये वाली भाषा भोजपुरी के मारीशस में सरकारी मान्यता बा बाकिर हिन्दुस्तान में नइखे. हमनी के एह बात पर ध्यान दिहला के जरुरत बा कि अबकी का जनगणना में हमनी का आपन मातृभाषा भोजपुरी लिखवाईं जा.

यूपी पोलिटेक्निक के फीस में बढ़ोतरी

यूपी पोलिटेक्निक के फीस में तीन हजार रुपिया सालाना से बेसी के बढ़ोतरी कर दिहले बिया यूपी सरकार. पहिले एह कालेजन के फीस ९३५० रुपिया सालाना रहुवे जवन अब बढ़ के १२६७० रुपिया सालाना हो गइल बा. दोसरा तरफ राज्य सरकार के कर्मचारियन के दस साल, अठारह साल, आ छब्बीस साल के सेवा पर प्रोन्नति दिहल जाई. पहिले ई दस, बीस, आ तीस साल पर मिलत रहुवे.

बिहार यूपी के आतंक सतीश पाण्डेय सरेण्डर कइलस

बिहार पुलिस के नौकरी में रहते सिवान के बाटा मोड़ पर हेमंत सिंह के हत्या कर के अपराध का दुनिया में चल गइल सतीश पान्डेय के बिहार आ यूपी दुनु जगहा के पुलिस बहुत दिन से तलाश करत रहुवे. ओकरा पर हत्या, नरसंहार समेत कुल डेढ़ सौ मामिला दर्ज बा. ऊ बिहार के पूर्व मंत्री बृजबिहारी प्रसाद के हत्याकांडो के आरोपी बा. पता ना कवना हिसाब किताब का बाद ऊ गोपालगंज के डीएम का सोझा सरेण्डर कर दिहलस. हो सकेला कि चुनाव लड़ के सांसद बने के इरादा राखत होखे.

सहजनवा के हत्यारा विधायक सरेण्डर कइलस

भीटी निवासी ठीकेदार विजय रावत के हत्या करे वाला सहजनवा के निर्दलीय विधायक यशपाल रावत काल्हु कोर्ट में सरेण्डर कर दिहलस. विजय रावतो पर पूर्व मंत्री शारदा प्रसाद रावत के हत्या करे के आरोप रहल ह. विधायक का संगे उनकर दूगो गुर्गो सरेण्डर कर दिहले सँ. पुलिस २० मार्च से विधायक के तलाश में रहुवे आ अब कुर्की जब्ती करे के तइयारी होत रहुवे.

पंचायत चुनाव में आरक्षण के प्रक्रिया बदल के १९९५ के नियम लागू

यूपी सरकार अब पंचायत चुनाव खातिर होखे वाला आरक्षण के प्रक्रिया में परिवर्तन कर दिहले बिया. अब पिछला बेर जवना वर्ग खातिर आरक्षण मिलल रहुवे ओह वर्ग के ना मिल के दोसरा वर्ग खातिर आरक्षन दिहल जाई. भाजपा आ सपा सरकार में नियम बदल के अइसन कर दिहल गइल रहुवे कि पचास फीसदी से बेसी अनुसूचित जाति जनजाति वाला पंचायत हमेशा खातिर ओही वर्ग का नामे हो गइल रहुवे. दोसरा तरफ अनारक्षित ग्राम पंचायतो हमेशा खातिर अनारक्षित हो गइल रहे.

बिहार सरकार अपना कर्मचारियन के भत्ता बढ़वलसि

बिहार के सरकारी कर्मचारियन के मिले वाला महँगाई भत्ता में आठ फीसदी के बढ़ोतरी कर दिहल गइल बा. काल्हु के कैबिनेट बैठक में एह बात के फैसला कइल गइल. बिहार में अब चुनाव होखेवाला बा जवना का चलते हर वर्ग के खुश करे के कोशिश में लागल बिया सरकार.

बात निकलल बा त दूर तलक जइबे करी

थरुर आ मोदी के झगड़ा में कतना लोग के खाता खराब होखी पता ना. सुनन्दा आपन शेयर छोड़ दिहली, थरुर आपन मंत्री पद. ललित मोदी पद ना छोड़ीहें त हटावल जइहें इहो करीब करीब तय बा. ओने विवाद का जड़ में रहल कोच्चि टीम खातिर बोली लगावे वाला कंपनी के मालिक गायकवाड़ के परिवार पर आयकर के शिकंजा कसाइल शुरु हो गइल बा. रवि गायकवाड महाराष्ट्र में आरटीओ हउवें आ आयातित कारन के रजिस्ट्रेशन घोटाला में पहिलहीं से अझूराइल बाड़े. रवि के बाप सिंचाई विभाग में अधिकारी रहलें. शैलेन्द्र इंजीनियर हउवें आ रवि आरटीओ. अब ई परिवार २२५ करोड़ के निवेश कर के कोच्चि टीम के तीस फीसदी हिस्सा के मालिक बन गइल बा.

वाह रे क्रिकेट वाह रे तेरी माया

क्रिकेट में कवना तरह पइसा बरसत बा एकर एगो अउरी नमूना सामने आ गइल बा. अब विश्व कप क्रिकेट में दिहल जाये वाला इनाम दुगुना कर के एक करोड़ डालर कर दिहल गइल बा. पिछला बेर ई इनाम पचास लाख डालर रहुवे. एकर घोषणा अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट परिषद काल्हु अपना बैठक का बाद कइलस. अबकी के विश्वकप भारत बांगलादेश श्रीलंका में होखे जा रहल बा.

पन्द्रह दिन के यात्रा के बाद डिस्कवरी वापिस लवटल

अंतरिक्ष स्टेशन का यात्रा पर गइल सातो यात्रियन के पन्द्रह दिन के अंतरिक्ष में रहला का बाद डिस्कवरी विमान काल्हु सबका के ले के सुरक्षित वापिस लवटि आइल. अलगा बात बा कि बारिश आ कुहरा का चलते एक दिन बाद उतर पावल.

रिजर्व बैंक के मौद्रिक नीति के घोषणा से बाजार सुधरल

निवेशकन के डर रहुवे कि रिजर्व बैंक बहुते कड़ा कदम उयावे जा रहल बा जवना चलते बाजार में बिकवाली के दौर आ गइल रहुवे. बाकिर जब काल्हु रिजर्व बैंक अपना नयका नीति के एलान कइलस त सभे राहत के साँस लिहल. एगो मशहूर उपन्यास लेखक के एगो लाइन तनी मनि बदल दीं त अइसन बनी, आशा से हुलसना आ आशंका से झुलसना खत्म होते ही शेयर बाजार मर जायेगा. सगरी खेल एही आशा आ आशंका के झुलुवा झुलत खेलल जाले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up