टटका खबर, बुध, ७ जुलाई

by | Jul 7, 2010 | 0 comments

माओवादियन के ४८ घंटा के बन्द शुरु

अपना नेता आ प्रवक्ता आजाद के पुलिस मुठभेड़ में मौत का विरोध में नक्सली काल्हु रात से ४८ घंटा के बन्द के आह्वान कइले बाड़े. एकरा पर ध्यान राखे खातिर केन्द्र राज्यसरकारन के चेतवले वा कि पूरा एहतियात बरतल जाव कि कहीं कवनो बड़हन नुकसान मत चहुँपावऽ सन नक्सली. दोसरे खबर आइल बा कि नक्सली दु दिन के एह बन्द का बाद फेरु दस दिन बाद दू दिन के बन्द करइहें सँ.

बिहार में अकेला चले का नीति से सहमल बिया कांग्रेस

कहल जात बा कि कांग्रेस के अन्दरुनी आकलन बतावत बा कि राज्य में अकेला चले के नीति से फायदा ना मिल पाई. इहो बतावल जात बा कि अगस्त में सोनिया आ राहुल गाँधी बिहार दौरा पर आई लोग. बिहार में नाराज नेतवन के एकजुट कइल चुनौती भरल काम बा.

फाँसी के सजा के इन्तजार करत अफजल के अर्जी ठुकरा दिहलसि सरकार

संसद पर हमला करे के दोषी अफजल गुरु के सुप्रीम कोर्ट से मौत के सजाय सुनावल गइल बा आ ओकर माफी के याचिका राष्ट्रपति का लगे विचाराधीन बा. अफजल सरकार का लगे अर्जी दिहले रहुवे कि ओकरा के जम्मू काश्मीर के कवनो जेल में राखल जाव ताकि ओकरा परिवार के लोग ओकरा से मिल सको. सरकार ओह याचिका के सुरक्षा कारण से ठुकरा दिहले बिया,

काश्मीर के हालात बिगड़ल जात बा

पिछला कुछ महीना से काश्मीर में शान्ति देखत आशा जागल रहे कि शायद अब काश्मीर के लोग सुक चैन से जियल चाहत बा. बाकिर एने कुछ दिन से फेर काश्मीर के हालत लगातार बिगड़ल जात बा. करीब करीब पूरा काश्मीर घाटी में कर्फ्यू लगावल बा ओकरा बादो रह रह के प्रदर्शनकारियन का साथे सुरक्षा बल के झड़प होइये जात बा. काल्हु एह सबसे चार गो अउरी आदमी के जान चल गइल बा. एगो दोसरा खबर में बतावल गइल बा कि अमरनाथ यात्रियन के ले जात एगो वाहन गहिरा खाई में गिर गइल जवना से छह गो यात्रियन के मौट हो गइल बा. सभे जालन्धर के रहुवे.

भारत बन्द का सफलता का बाद माकपा भाजपा का साथे काम करी

सुने में त घोर आश्चर्य लागत बा बाकिर कहल जात बा कि माकपा भाजपा नीत एनडीए का साथे खुलमखुला त ना बाकिर भितरे भीतर साँठगाँठ कर के काम करे के तइयार हो रहल बिया. कई गो मुद्दा अइसन बाड़ी सँ जवना पर दुनु के राय एक जइसन बा आ जवना से भाजपा के साम्प्रदायिक मुद्दा से कवनो संबंध नइखे.

सेना औरतन के परमानेन्ट कमीशन ना दे सकी

दिल्ली हाई कोर्ट के फैसला माने से अपना के असमर्थ बतावत सेना अब सुप्रीम कोर्ट में अरजी लगावे जा रहल बिया कि ओकरा लगे औरतन के शामिल करे लायक संसाधन नइखे. दिल्ली हाईकोर्ट मार्च में फैसला दिहले बिया कि सेना में काम करत औरतन के परमानेंट कमीशन पर राखल जाव.

केन्द्र सरकार खुदरा व्यापार के मुक्त करे का फेर में

रिटेल सेक्टर के पूरा तरह से खोल देबे का अपना योजना का तहत केन्द्र सरकार एगो विमर्श पत्र, डिस्कशन पेपर, जारी कइले बिया जवना में जनता से आ बाकी संबंधित संगठनन से एह बात पर आपन राय देबे के कहल गइल बा कि काहे ना वालमार्ट जइसन रिटेल चेन के भारतो में काम करे के अनुमति दे दिहल जाव.

निजी हेलीपैद बनवावे के अनुमति ना दिहल जाई

देश में कुछ औद्योगिक घरानन का लगे हेलीकाप्टर बाड़ी सँ जवना के निजी काम में भा चुनाव प्रचार का दौरान भाड़ा पर चलावल जाला. कुछ घराना चाहत बाड़े कि मुंबई का कुछ मकान का थत पर हेलीपैड बनवावे के अनुमति दिहल जाव. एह पर केन्द्रीय गृह मंत्रालय आपत्ति दर्ज करवले बा आ कहले बा कि ऊ मंत्रालय खाली सरकारिये हेलीपैड के अनुमति पर विचार करी आ ओह सरकारी हेलीपैडन के निजी इस्तेमालो के अनुमति ना दिहल जाई.

मायावती केन्द्र का नीति पर सवाल उठवली

लंगड़ी गईया के अलगे बथान का तरह मायावती के बसपा महँगाई का खिलाफ भारत बन्द से अलग रहल आ काल्हु राज्यव्यापी प्रदर्शन कइलस. एह मौका पर पत्रकारन से बतियावत मायावती सवाल कइली कि कहल जा रहल बा कि तेल कंपनियन के लगातार घाटा हो रहल बा जबकि साल २००४ से हर साल ओह कंपनियन के जमापूंजी आ रिजर्व बढ़ले जात बा. सरकार एह विसंगति के जवाब देव.

खेल का दुनिया से

काल्हु का पहिलका सेमी फाइनल में नीदरलैण्ड उरुग्वे के तीन दू से हरा दिहलस आ फाइनल में चहुँप गइल. नीदरलैण्ड ३२ साल का बाद ओहिजा चहुँपल बा. कंधा पर लागल चोट का चलते जहीर खान श्रीलंका का खिलाफ होखे वाला टेस्ट मैचन में ना खेल पइहें. एगो अउरी खबर ई बा कि महेन्द्र सिंह धोनी साक्षी रावत से बिआह कइला का बाद आशीर्वाद लेबे चुपेचोरी राहुल गाँधी से भेंट कइलन. पत्रकारन के एकर खबर बाद में लागल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up