टटका खबर, मंगल, १३ जुलाई

by | Jul 13, 2010 | 0 comments

यूपी के मंत्री नन्दी पर जानलेवा हमला

यूपी के संस्थागत वित्त मंत्री नंद गोपाल नंदी सोमार का दुपहरिया में जब अपना घर से बगल का शिव मन्दिर जात रहले तवने घरी एगो मोटरसाइकिल में राखल बम के रिमोट से विस्फोट करा के उनकर जान लेबे के कोशिश कइल गइल. मंत्री नंदी, उनकर गनर, एगो पत्रकार आ चार पाँच जने अउर घवाहिल भइल बाड़े. एगो घवाहिल के अस्पताल में मौत हो गइल. पुलिस एह घटना के चुनौती मान के चलत बिया. मुख्यमंत्री मायावती कहले बाड़ी कि अपराधियन के एकर सजा भुगते पड़ी.

बिहार सरकार किरासन तेल पर से वैट कम कइलसि

राज्य के जनता के राहत चहुँपावे खातिर बिहार सरकार किरासन तेल पर लागे वाला वैट कम कर दिहलसि जवना से केन्द्र सरकार के बढ़ावल दाम का बावजूद जनता के किरासन तेल सस्ता मिल पावे. वइसे साँच कहीं त किरासन तेल के दाम जरुरत से कम ना रहे के चाहीं काहे कि एकरा के कुछ बेइमान डीजल आ पेट्रोल में मिलावे में इस्तेमाल करेले. बिहार चेम्बर आफ कामर्स सरकार के एह फैसला के स्वागत कइले बा.

पति विदेश में रहो तबो पत्नी तलाक ले सकेले

मद्रास हाई कोर्ट फैसला दिहले बिया कि अगर पति विदेश मे होखे बा विदेशी नागरिक होके तबो भारत के फेमिली कोर्ट के अधिकार बा कि शादी संबंधी विवाद के मुकदमा चला सको आ आपन फैसला दे सको. कुछ लोग विदेश में जाके अपना देशी पत्नी के भुला देला आ ओकरा के तलाको ना देब. ऊ बेचारी केनियो के ना रह जाले. धोबी के कुकुर ना घर के ना घाट के वाला हाल हो जाला ओकर.

खापन के मंजूर नइखे पारिवारिक दरिंदगी पर रोक लगावे के कोशिश

परिवार के इज्जत का नाम पर घर के बेटी के जान लेबे के दरिंदगी के बढ़त घटना देखत सरकार कानून में बदलाव ले आवे का कोशिश में बिया. एह कोशिश का खिलाफ खाप पंचायतन के संगठन आपन विरोध दर्ज करावे खातिर राष्ट्रपति के आपन विचार पेश करे के बात कहले बा.

प्रवासियन का संख्या में आवत कमी धनी देशन के नुकसान चहुँपाई

इन्टरनेशनल माइग्रेशन आउटलुक २०१० अपना रिपोर्ट में धनी देशन के चेतवले बिया कि निमना समय के साथियन के खराव समय में बिसरा दिहल ओही लोग के नुकसान चहुँपाई. काहे कि धनी देशन के जनसंख्या तेजी से बूढ़ा रहल बा आ श्रमिक बाजार के जरुरत का चलते ओह देशन के विकास गतिविधि धीमे पड़ जाई. साल २००८ में पहिला बेर माइग्रेशन में कमी देखल गइल जवन कि साल २००९ में अउरी गहिरा गइल बा.

राजस्थान के कांग्रेसी विधायकन का खिलाफ कार्रवाई में उहापोह

राजस्थान में कांग्रेस चहले रहुवे कि भाजपा विधायकन के असंतोष के फायदा उठा के राज्यसभा के एगो अधिका सीट जीत जाव बाकिर ओकरे सात गो विधायकन के बोट से भाजपा अपना अधिका उम्मीदवार रामजेठमलानी के जीता लिहलसि आ कांग्रेस के अधिका उम्मीदवार पूर्व केन्द्रीय मंत्री संतोष बगरोडिया हार गइलन. अब कांग्रेस ओह सात विधायकन का खिलाफ कवनो कार्रवाई करे में उहापोह में पड़ गइल बिया. भई गति साँप छूछून्दर जइसी, उगिलत आन्हर निगलत कोढ़ी. अगर कुछ करत विया त बहुमत खतरा में पड़त बा आ नइखे करत त अउरी लोग के अइसन करे के शह मिल जाई.

सुप्रीम कोर्ट अबसे हर केस के फीस लिहल करी

हजारन करोड़ के मुकदमा बड़का कंपनी कोर्ट के अढ़ाई सौ रुपिया दे के जीत जाली सँ आ कोर्ट ओह लोग से कवनो फीस ना वसूले. अब सु्प्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश आपन राय बतवले बाड़न कि जज लोग का बइठक में विचार का बाद हर केस करे वाला से ओह केस के दाम वसूलल जाई. गरीब आदमी के भले छूट दिहल जाव. ई फीस ओह जुर्माना से अलगा होखी जवन बेजरुरत भा फालतू केस कइला पर लगावल जाला. पता ना सरकारी विभागन के केस का बारे में ई फीस के दी? होखे के त ई चाहीं कि केस के खरचा ओह अधिकारी से वसूलल जाव जवन ओह केस करे के फैसला लिहले रहुवे.

करोड़न अल्पसंख्यक घुसपैठियन से बेपरवाह सरकार के कुछ सौ हिन्दू परिवार बरदाश्त नइखे

पाकिस्तान के हिन्दू आ सिक्ख समुदाय पर होके वाला अत्याचार अनाचार के चलते ओहिजा के अल्पसंख्यक चाहत बाड़े कि भारत चल जासु. बाकिर भारत सरकार ओह मजबूर शरणागतन के लेबे के तइयार नइखे काहे कि एहसे ओकरा सेकूलर आचरण पर आँच आ जाई. ओहिजा से बाँच के निकल आइल कुछ लोग हिन्दुस्तान में अपना रिश्तेदारी में रहत बाड़े आ चाहत बाड़े कि भारत सरकार एहिजा के नागरिकता दे देव, बाकिर सरकार सुनत नइखे.

अतवार का दिन से बिहारो में झमाझम बरखा होखे लागल बा

पटना के मौसम विभाग के कहनाम बा कि बिहार में उठल चक्रवात का चलते बिहार आ पूर्वांचल में बरखा हो रहल बा. देरे से सही बाकिर मानसून के आगमन से किसान धान के रोपनी शुरु कर दिहले बाड़े. मौसम विभाग बतवले बिया कि १ जून से १२ जुलाई का बीचे बिहार में औसतन २१५ मि॰मी॰ बरखा भइल जबकि एकर औसत ३०१ मि॰मी॰ होखे के चाहत रहे.

खेल का दुनिया से

श्रीलंका से होखेवाला टेस्ट सीरीज में चुटहिल श्रीसंथ के जगहा मुनाफ पटेल के खेलावल जाई. श्रीसंथ के ठेहुना में चोट लागल बा. फीफा वर्ल्डकप में सबसे बेसी महत्व उठावे वाला जर्मनी के आक्टोपस पॉल अबसे भविष्यवाणी ना करी. फुटबाल के बड़का बड़का दिग्गजन के अनुमान पर भारी पड़ल भविष्यवक्ता आक्टोपस पॉल के सन्यास लेबे के एहसे बढ़िया समय ना हो सकत रहुवे. अब लोग हमेशा ओकरा के इज्जत से याद कइल करी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up