टटका खबर, मंगल २३ मार्च

by | Mar 23, 2010 | 0 comments

माया के माला के मामिला ना रहे ना बनल

बसपा के लखनऊ रैली में मायावती के पहिरावल नोटन के माला के मामिला विरोधी लोग चाहे जवन सोच के उठवले होखे बाकिर ठहरल ना. इलाहाबाद हाई कोर्ट माला के मामिला के सीबीआई जाँच करावे वाली याचिका खारिज कर दिहलसि. याचिका करे वाला लोग कवनो ठोस सुबूत ना पेश कर सकल अपना पक्ष में. एगो दोसरा प्रकरण में चुनावो आयोग बसपा के बात मान लिहलसि आ हाथी चुनाव चिह्न वाला सगरी मामिला के एके साथ सुनवाई करे पर सहमत हो गइल.

सत्येन्द्र दूबे हत्या काण्ड के तीन जने दोषी

स्वर्णि चतुर्भुज परियोजना में होखे वाला भ्रष्टाचार के खुलासा करे वाला इंजीनियर सत्येन्द्र दूबे के साल २००३ में गया सर्किट हाउस का सामने गोली मार के हत्या कर दिहल गइल रहे. बाकिर सीबीआई एह मामिला के जवना तरह से सामने ले अइलसि ओहमें भ्रष्टाचार के पक्ष नइखे लउकत. मुकदमा ई बनल बा कि चार गो बदमाश सत्येन्द्र के सामान लूटे के कोशिश कइलें आ जब ऊ विरोध कइलें त उनका के गोली मार दिहल गइल. एगो बदमाश इकाबालिया गवाह बन गइल त ओकरा के माफ कर दिहल गइल आ बाकी तीन गो के दोषी ठहरा दिहल गइल.

नवरात मेला में पानी टंकी फटला से भगदड़ में एक आदमी के मौत

मथुरा के छाता तहसील में नवरात मेला का दौरान पानीटंकी फाट गइल जवना से मेला में भगदड़ मच गइल आ एक आदमी कचरा के मर गइल. करीब एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइलल. एह भगदड़ के मौका से फायदा उठावत कुछ लोग दूकानन में लूटपाट कइल. घटना का बाद से मेला कमिटी के लोग फरार हो गइल बा.

बलिया ओवररब्रिज पर टवेरा आ पल्सर के टक्कर

काल्हु बलिया ओवर ब्रिज पर एगो मोटरसाइकिल सवार के टक्कर सामने से आ रहल टवेरा से हो गइल आ ऊ गम्हीराह घवाहिल हो गइल. अस्पताल ले जाये का रास्ता में ओकर मौत हो गइल. टवेरा के ड्राइवर नशा में रहे आ ओकर गाड़ी पलट गइल. गनीमत अतने रहल कि ओवरब्रिज के रेलिंग ना टूटल ना त नीचे सड़क पर जाम रहे आ तब दर्जनो लोग घवाहिल हो जाइत. उहो घवाहिल रहे आ ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ से ऊ धीरे से सरक लिहलसि. टवेरो के पुलिस अपना कब्जा में ले लिहले बिया.

बदलल बिहार के स्वरुप के दर्शन काल्हु गाँधी मैदान में भइल

बिहार दिवस का अवसर पर काल्हु पटना के गाँधी मैदान में प्रदर्शनी लगा के बिहार के बदलल स्वरूप के देखावल गइल. पटना में काल्हु उत्सव के माहौल रहल. स्कूल कालेज कार्यालय में छुट्टी रहला का चलते बड़हन भीड़ गाँधी मैदान में जुटल रहे.

ग्रीन हंट का खिलाफ रेड ब्लास्ट में राजधानी एक्सप्रेस दुर्घटनाग्रस्त

सोमार के रात में नक्सलियन के बम विस्फोट का चलते भुवनेश्वर से दिल्ली जाये वाली राजधानी एक्सप्रेस के सात गो बोगी पटरी से उतर गइल. नक्सली परैया स्टेशन का लगे पटरी का नीचे बारुदी सुरंग लगा दिहले रहलें सँ. नक्सली ग्रीन हंट अभियान का खिलाफ दू दिन के बन्द के एलान कइले बाड़े सँ. संयोग से दुर्घटना में केही के मौत ना भइल.

महाराष्ट्र सबकर ह आ हर हि्नदुस्तानी एहिजा आ सकेला, रह सकेला.

महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री काल्हु विधानसभा में कहलें कि महाराष्ट्र सबकर ह आ हर हिन्दुस्तानी नागरिक एहिजा आ सकेला. मराठी अस्मिता के बात करे वालन पर हमला करत कहलन कि उहे लोग एक तरफ त प्लेसमेंट एजेन्सी चला के गैर मराठियन के नौकरी पर लगवावेलें आ दोसरा तरफ मराठा मराठी करेलें. नाराज विपक्ष अइसनका लोग के नाम पुछलस त मुख्यमंत्री कहलन कि नामो बता देब, समय त आवे दीं.

नफरत के आग में जरत बा रायबरेली के लोग

अतवार का दिने निकलल शिव बारात के एगो समुदाय के लोग अपना इलाका से ना निकले दिहल लोग त दोसरा समुदाय के नाराज लोग विरोध कइल. एहसे साम्प्रदायिक हिंसा भड़क उठल जवन सोमार का दिने अगल बगल का गाँवो में पसर गइल. काल्हुओ मन्दिर गर फजात लोगन पर पथराव भइल जवना बाद कुछ लोग के घर फूंक दिहल गइल.

ब्याज दर बढ़े से शेयर बाजार टूट गइल

महँगाई पर काबू करे खातिर बाजार में मुद्रा के मौजूदगी कम करे का कोशिश में रिजर्ब बैंक ब्याज दर में ०.२५ फीसदी के बढ़ोतरी कर दिहलस जवना चलते काल्हु बाजार के रुख खराब हो गइल आ सेंसेक्स १६७ अंक के गोता मार दिहलस. विदेशिओ बाजार काल्हु कमजोर रहलीं सँ. ओने रिजर्व बैंक कहले बा कि दर अबहीं अउरी बढ़ावल जा सकेला.

भारत के मेजबानी से खुश बा इन्टरनेशनल हॉकी फेडरेशन

दिल्ली में आयोजित हॉकी विश्वकप के व्यवस्था आ ओकर व्यावसायिक सफलता देख के इन्टरनेशनल हॉकी फेडरेशन तय कइले बा कि अगिला चार साल ले हर साल भारत में एगो विश्वस्तरीय टूर्नामेंट आयोजित करावल जाई. भारत में फेडरेशन के बढ़िया आमदनी भइल बा जवना के बड़हन हिस्सा से टीवी से मिलल. बढ़िया बा कम से कम रोज रोज क्रिकेट देखला का बदले कुछ नया देखे के मिली आ एकरा से हॉकी के लोकप्रियतो बढ़ी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up