टटका खबर, मंगल, २५ मई

by | May 25, 2010 | 0 comments

सीपीएमटी के रिजल्ट निकलल

सीबीएसई से १६ मई के भइल मेडिकल आ डैन्टल फाइनल प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट निकल गइल बा. दसवीं के रिजल्ट २८ मई के सबेरे दस बजे से निकले के उम्मीद बा. हर जोन के रिजल्ट ओहि दिन निकालल जाई.

झारखण्ड में भाजपा हार थाक के शिबू से समर्थन वापिस लिहलसि

जब बुझा गइल कि कवनो राह बाचल नइखे आ शिबू के काबू में राखल संभव नइखे त हार थाक के भाजपा शिबू सोरन के दिहल समर्थन वापिस ले लिहलसि. एह बाबत राज्यपाल के चिट्ठी दे दिहल गइल जे शिबू के ३० तारीख तक के समय दिहले बाड़े बहुमत साबित करे के. देखल जाव का होत बा, वइसे बेसी उम्मीद राष्ट्रपति शासन के बा. झारखण्ड के दुर्भाग्य से राज्य में अनिश्चतितता फेर पैदा हो गइल बा. जनता जबले कवनो एगो पार्टी के साफ बहुमत ना दीहि तब ले झारखण्ड में स्थायित्व के संभावना नइखे.

शीला कहली कि अफसरन का चलते अफजल मामिला में देरी भइल

संसद पर हमला वाला मामिला में फाँसी के सजा सुन चुकल अफजल के फाँसी का बारे में राज्य सरकार के दू गो अफसरन के दू तरह के राय रहुवे. एगो ओकरा के माफी दिहल चाहत रहन दोसरका फाँसी चढ़ा दिहल. एही दुनू अफसरन का चलते अफजल के फाइल पर फैसला लेबे में देरी भइल. ई वात दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित खुदे कहले बाड़ी. बात खतम होत होत इहो कहल ना भुलइली कि मामिला बहुते संवेदनशील बा.

एनडी तिवारी के दलील कोर्ट नामंजूर कर दिहलस

नाजायज बाप होखे के आरोप झेलत एनडी तिवारी के दलील कोर्ट ना मनलस आ अगिला सुनवाई खातिर १६ जुलाई के दिन तय कइले बा. तिवारी के बेटा होखे के दावा करेवाला रोहित शेखर के वकील के मांग बा कि दलील ना दे के तिवारी डीएनए टेस्ट खातिर तइयार हो जासु ओहिसे मामिला तय हो जाई. तिवारी एह जाँच खातिर तइयार नइखन होत. सुप्रीम कोर्टो तिवारी के याचिका एह मामिला में कारिज कर चुकल बा.

बाहर के गाड़ी दिल्ली में ना आवे दिहल जाई

दिल्ली के प्रदूषण मुक्त करे खातिर भूरे लाल कमिटी के सिफारिश बा कि दिल्ली में दोसरा राज्यन से गाड़ी ना आवे दिहल जाव. जवना गाड़ी पर दिल्ली खातिर सामान नइखे ओकरा के कवनो दोसरा रास्ता से भेजल जाव. ट्रक आपरेटर के कहनाम बा कि जबले ईस्टर्न परिफेरल एक्सप्रेस वे बन के चालू नइखे हो जात तबले अइसन रोक मत लगावल जाव. इहो कहलन कि रास्ता लमहर होजाई त भाड़ा बढ़ावही के पड़ी.

पारीछा के बनत चिमनी भहरइला से बीसियन लोग दबाइल

झाँसी के पारीछा थर्मल प्लांट के नया यूनिट खातिर खड़ा कइल जात चिमनी काल्हु भहरा के गिर गइल जवना का नीचे बीसियन लोग दबाइल बा. राहत का काम में सेनो के लगावल गइल बा बाकिर देरी होखला का चलते कई लोग मर सकेला. दुर्घटना होखते प्लांटके अफसरान लम्बी ले लिहलें जवना चलते राहत कार्य शुरु करवावे में देरी भइल. चिमनी बनवावे के ठीका केन्द्रीय निर्माण एजेन्सी के दिहल गइल रहे जवन एगो दोसरा पेटी ठीकेदार के काम दे दिहलसि. अब जाँच का बाद पता चली कि के केकर दोष बा तब सजाय बा दन्ड दिहल जाई.

बलिया में फेर एगो घोटाला पकड़ाइल

साल २००५ ०६ में बलिया माध्यमिक शिक्षा विभाग में भइल सवा करोड़ के घोटाला पकड़ाइल बा जवना में ८३ जने के दोषी मान के मुकदमा दर्ज करा दिहल गइल बा. एहमें बसपा नेता आ बलिया नगरपालिका के चेयरमैन संजय उपाध्यायो के नाम बा जे मँझौवा के आदर्श इंटर कालेज में लेक्चरर हउवें. एह मामिला में जीपीएफ के धन के बंदरबाँट कर लिहल गइल रहे.

जनगणना में किरायेदारन के गिनती नइखे होत

जनगणना कतना विश्वस्त होखी एकर अन्दाजा बस एहीसे लगा लिहल जाव कि किरायेदारन के गिनती नइखे कइल जा रहल. मकान मालिक लोग जनगणना में अपना किरायेदारन के जानकारी नइखे देत आ किरायेदार लोग मकान मालिक का डर से एकरा खातिर जिद्दो नइखे ठानत. जनगणना विभाग के एह समस्या के समाधान निकाले के चाहीं. वइसे विभाग के कहनाम बा कि मकान मालिक लोग के डेरइला के जरुरत नइखे. जनगणना के जानकारी दोसरा काम खातिर इस्तेमाल ना कइल जा सकी आ ओह लोग पर कवनो नया टैक्स लागे के डर नइखे.

प्राइम मिनिस्टर रिटायर ना होखीहन

काल्हु एगो प्रेस कांफ्रेंस में पत्रकारन के सवाल के जवाब देत मनमोहन सिंह कहलें कि रिटायर होखे के उनकर कवनो योजना नइखे. पार्टी जब ले चाही तब ले ऊ सेवा करत रहीहें आ जब कह दी कि हटऽ त हट जइहें. राहुल का बारे में कहले कि उनका के कतना हाली मंत्रीमण्डल में शामिल होखे खातिर बोलवलें बाकिर ऊ मानत नइखन.

अंबानी भाईयन का बीच समझौता आधा अधूरा

अंबानी भाईयन का बीच भइलल समझौता झगड़ा के जड़ के छुअबो नइखे कइले. असल विवाद दादरी परियोजना के मिले वाला गैस का दर के रहे जवन अपना जगहा कायम बा. अनिल अंबानी का लगे परियोजना बा जबकि गैस मुकेश अंबानी का लगे बा. मुकेश ओह रेट पर गैस देबे के तइयार नइखन जवना रेट पर ऊ सरकारी कंपनी एनटीपीसी के दे रहल बाड़े.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up