pub-4188398704664586

टटका खबर, मंगल, २७ अप्रैल

by | Apr 27, 2010 | 0 comments

सरकार अपना चमचन का भरोसे निश्चिन्त बिया

केन्द्र सरकार के पूरा भरोसा बा कि विपक्ष का तरफ से आवे वाला कटौती प्रस्ताव राजद आ सपा जइसन दल के दुतरफा नीति का चलते गिर जाई आ सरकार पर कवनो खतरा ना आई. भाजपो के अनेसा बा कि राजद आ सपा जइसन दल कवनो बहाने सदन में हंगामा खरा कर दिहन आ ओहि हो हल्ला का बीच वित्त विधेयक पारित करा ली केन्द्र सरकार.

आज भारत बन्द के एलान बा

गैर कांग्रेसी गैर राजग चौदह गो विरोधी दल आजु भारत बन्द के अपील कइले बाड़े. ओकरा के सफल बनावे खातिर काल्हु साँझ कई जगहा जुलूस निकाल के बन्द खातिर जनमत बनावल गइल बा. एह दल में सबसे बड़ संख्या वामपंथी दलन के बा आ सपा जइसन कुछ अउरी दल शामिल बाड़ी सँ जवन पीठ पाछे सरकार के समर्थन करत बाड़ी सँ.

बलिया के दू गो माफिया नोएडा में ढेर

यूपी स्पेशल टास्क फोर्स काल्हु दुपहरिया नोएडा में दू गो अपराधियन के मार गिरवलसि जवनन के बाद में बलिया के अजय सिंह आ आशुतोष राय का रुप में पहचान भइल. दुनू कुख्यात अपराधी रहलें सँ आ जेल से संगे संगे भअगल रहलें सँ. बलिया के मनियर ओकनी से परेशान रहुवे. दुनु के मराये के खबर सुन के बलियो के अपराधी तत्व भूमिगत हो गइल बाड़े सँ. सबका एसटीएफ के डर समा गइल बा.

हर भारतीय के परिचय अंक में समेटल जाई

भारतके नागरिकता पहचान संख्या के नया नाम आधार दिहल गइल बा. एह आधार में बारह अंक का संख्या में हर नागरिक के एगो नंबर दे दिहल जाई जवना का सहारे ऊ पूरा हिन्दुस्तान में पहिचानल जाई. बारह अंक में कुल दस खरब लोग के पहचान संख्या दिहल जा सकी.एह विशेष पहचान के अबहीं अनिवार्य नइखे बनावल गइल आ स्वैच्छिक राखल बा. लहर गिन के कमाये वाला अधिकारी आ दलाल एहू में अपना कमाई के रास्ता निकाल लीहें.

मेडिकल कालेज मान्यता घोटाला में मंत्री के कार्यालय के इस्तेमाल

कहल जा रहल बा कि मेडिकल कालेज के मान्यता दिलवावे का नाम पर उगाही करे में केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री के निजी सचिवो शामिल रहलें आ उनके आफिस से कालेजन के फोन करके वसूली बिटोरल जात रहुवे. घोटाला सामने अइला का बाद से मेडिकल काउन्सिल के सचिवो भूमिगत हो गइल बाड़े. अध्यक्ष केतन देसाई गिरफ्तार बाड़े.

बारह सौ सिपाहियन के नौकरी खतरा में

मुलायम राज में बहाल सिपाहियन में से बारह सौ का लगे ना त सही शारीरिक योग्यता रहे ना प्रमाणपत्र. जाँच का बाद ई साबित भइल बा आ अब ओह लोग के नौकरी से हटावे के प्रक्रिया शुरु होखे जा रहल बा. ओह समय अठारह हजार सिपाही बहाल भइल रहलें जवन सरकार बदलला का बाद बर्खास्त कर दिहल गइलें. कोर्ट ओह लोग के बहाली के आदेश दिहलस त अस्थायी तौर पर सबके बहाल कर लिहल गइल रहे. मामिला अबहियो सुप्रीम कोर्ट में विचाराधीन बा.

चुनाव जीते खातिर भूमिहार ब्राह्मण के गोड़ छू लिहल काफी बा

भाजपा के बिहार प्रदेश अध्यक्ष डा॰सी॰पी॰ठाकुर काल्हु अपना स्वागत समारोह में कहलन कि बिहार के जनता सम्मान चाहेले आ जे ओकरा के सम्मान दीहि ऊ जीत जाई. ठसक वाला लोग चुनाव हार जाई. कहलन कि ऊ भागीरथी देवी के कहले रहलें कि भूमिहार ब्राह्मण के देखीहऽ त गोड़ छू लीहऽ. ऊ इहे कइली आ चुनाव जीत गइली. मंच पर मौजूद पूर्व अध्यक्षन का ओर इशारा करत कहलन कि बास लोग के आशीर्वाद मिलल त भाजाप अपना कोटा के सगरी सीट जीत जाई.

१५ गो पेटेंट रद्द करा दिहलस भारत

भारत के पुरातन बौद्धिक सम्पदा के आधार पर मिलल ज्ञान के उपयोग के अपना नामे पेटेंट करा लेबे के यूरोपियन कंपनियन के कोशिश नाकाम करावे में भारत के वैज्ञानिक एवं औद्योगिक अनुसंधान परिषद के सफलता मिलल बा आ पन्द्रह गो पेटेंट आवेदन रद्द कर दिहल गइल बा. परिषद अब अइसने अस्सी गो अउरी आवेदन रद्द करावे में लागल बा. अब दिहल जा चुकल बीस हजार पेटेंट रद्द करावे पर जोर लगावल जाई.

रिलायन्स के कंपनी खरीदलस अमेरिका के सिनेमाघर

रिलायन्स समूह के कंपनी बिग सिनेमा अमेरिका का अलग अलग शहरन में करीब पौने दू सौ सिनेमाघर के अधिग्रहण कर चुकल बा. ओकर योजना ओहिजा अढ़ाई सौ सिनेमाघर लेबे के बा जहवाँ बालीवुड फिल्म देखावल जाई.

बीसबीसा छोड़ चुकल सचिन आईपीएल ना छोड़िहें

सचिन तेंदुलकर अंतर्राष्ट्रीय बीसबीसा क्रिकेट के अलविदाकह चुकल बाड़े बाकि आईपीएल में खेलत रहीहें. कहलें कि एकर आनन्द कुछ दोसरे बा. उनका फाइनल में मुंबई के हरला के दूख बा बाकिर कहलें कि टीम के खेल बढ़िया रहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586