टटका खबर, मंगल, २७ जुलाई

by | Jul 27, 2010 | 1 comment

राजीव प्रताप रुडी भोजपुरी में शपथ लिहलन

सोमार का दिने जब राज्यसभा खातिर नया नया चुनाइल सदस्य आपन शपथ लिहलन. भाजपा सांसद राजीव प्रताप रुडी आपन शपथ भोजपुरी में लिहलन बाकिर उनका फेर से हिन्दी में शपथ लेबे के पड़ल काहे कि भोजपुरी संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल नइखे. खैर एही बहाने ऊ भोजपुरी के चर्चा चला दिहलन. शाबाश रुडी, तोहरे जइसन कु अउरी सांसद हो जास त कुछ काम बने.

आजुवो ना चले दिहलसि काल्हुओ ना चले दी

संसद में एकजुट विपक्ष आजु महँगाई का मुद्दा पर स्थगन प्रस्ताव का जरिये बहस करावे का माँग पर संसद ना चले दिहलसि. ओकर कहनाम बा कि मत विभाजन करा के देखल जाव कि के सरकार का साथे बा आ के जनता के. जबकि सरकार चाहत बिया कि मतविभाजन के मौका मत आवे आ ध्यानाकर्षण प्रस्ताव का जरिये बहस करा लिहल जाव. अरे बेवकूफ सरकार जवना पार्टियन का बल पर चलत बिया ओकनी के अतना मालूम बा कि मतविभाजन से कइसे भागल जा सकेला. मौका त द ओकनी के. ऊ त कनियवो के भाई हवें स दुलहवो के

मुंबई हमला के दोषियन के सजा देव पाकिस्तान

अमेरिका के सैनिक दस्तावेजन के गोपनीयता अवधि बीतला का बाद सामने आइल साँच अमेरिका आ पाकिस्तान दुनु खातिर तकलीफदेह साबित हो रहल बा. दस्तावेजन से साफ हो गइल बा कि पाकिस्तान दोगली नीति पर चलेला आ अमेरिका सबकुछ जानत बूझत ओकरा के सैन्य आ आर्थिक सहायता देत रहेला. अब अमेरिका के कहे पड़ल बा कि पाकिस्तान मुंबई हमला के दोषियन के सजाय देव तबे ऊ भारत के समुझा सकेला.

रिजर्व बैंक लघु अवधि के कर्जा पर सूद बढ़वलसि

दहाई में दहाड़त महँगाई के काबू करे खातिर रिजर्व बैंक आजु आपन लघु अवधि के कर्जा पर सूद के दर चौथाई से आधा फीसदी बढ़ा दिहलसि. एकर अनेसा पहिलही से रहे. अब एह चलते घर, गाड़ी, भा व्यावसायिक जरुरत खातिर मिले वाला कर्जा पर बेसी सूद देवे के पड़ी. हालांकि रिजर्व बैंक सुरक्षित नगद अनुपात, सीआरआर, आ बैंक रेट में कवनो बदलाव नइखे कइले.

राष्ट्रमंडल खेलन के सफलता से मणिशंकर अय्यर दुखी हो जइहे

कांग्रेस के राज्यसभा सांसद मणिशंकर अय्यर कहले बाड़न कि भगवान का दया से बरखा का चलते राष्ट्रमंडल खेल का तइयारी में दिक्कत आ रहल बा. अगर राष्ट्रमंडल खेल के सफल आयोजन हो गइल त ऊ दुखी हो जइहन काहे कि अइसना काम के खालि शैताने समर्थन कर सकेला. अगर ई आयोजन सफल हो जाई त फेर आयोजक एशियन गेम, ओलम्पिक गेम आ ना जाने कवन कवन गेम भारत में मँगावे लगीहें. अय्यर के एह बयान से कांग्रेस अपना के अलगा कर लिहले बा. ओकरा हिसाब से मणि के बात ध्यान देबे लायक ना रहे. भाजपा उनकर बेहूदा बात के आलोचना कइले बिया.

दोस्ती का झाँसा में दुश्मन से भेंट हो गइल

मुंबई के एगो मास मीडिया के छात्रा अपना से दू साल सीनियर के आपन दोस्त समुझे के गलती कर दिहलसि. दुनु के मुलाकात नेट पर भइल रहे ओकरा बाद चैटिंग से दोस्ती मजबूत भइल. एकदिन एगो प्रोजेक्ट में सहायता देबे खातिर ऊ ओह लड़की के अपना डेरा पर बोला लिहलसि. गइला का बाद ऊ चाकू का बल पर ओह लड़की का साथे रात भर बलात्कार कइलस. पुलिस में मुकदमा दर्ज होखला का बाद पंकज मिश्रा नाम के ओह छात्र के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. मेडिकल जाँच में बलात्कार के पुष्टि हो गइल बा.

अश्लीलता फइलावे का आरोप में रेखा गिरफ्तार

बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी के चचेरी बहिन आ समाजसेवी रेखा मोदी के पुलिस अश्लीलता फइलावे आ सिपाहियन से बदतमीजी करे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. भइल ई कि रेखा मोदी अपना महतारी के खेवा खर्चा खातिर अपना भाई महावीर मोदी का घरे गइली त ओहिजा से लोग उनका के पीट पाट के निकाल दिहल. एह दौरान रेखा मोदी के कपड़ा फाट गइल आ ऊ ओहि हालत में सड़क पर सहायता खातिर चिल्लाये लगली. रेखा के भाई अब आरोप लगवले बाड़न कि रेखा एक दिन पहिले उनका दुकान का कैश बाक्स से चालीस हजार रुपिया निकाल लिहले रही आ अब अउरी पइसा माँगे आइल रही आ ओह लोग के फँसावे खातिर झूठो के बवाल खड़ा कर दिहली.

हाजीपुर में जदयू नेता आपन दरिंदगी देखवलसि

वैशाली जिला के मंसूरपुर हलैया पंचायत के मुखिया के पति शंभू शरण राय एगो लड़िका के लंगटे कर के उल्टा लटका के बीच चौराहा पर लाठी से पीटलसि. पिटाई के वीडियो देख केहू के दिल दहल जाई. बगले में थाना बा बाकिर केहू ओह लड़िका के बचावे ना आइल. बाद में एसपी का पहल पर मुकदमा दर्ज भइल. ओह नेता के पार्टी से निकाल दिहल गइल बा आ नीतीश कुमार ओकरा पर कड़ा कार्रवाई करे के निर्देश पुलिस के दिहले बाड़न.

साठ साल से चलत आ रहल मुकदमा के फैसला ना सुनावल गइल

अयोध्या के रामजन्मभूमि बाबरी मस्जिद विवाद के मिल्कियत के मामिला के सुनवाई साठ साल का बाद पूरा भइल बाकिर कोर्ट अब आपन फैसला सुरक्षित राख लिहले बिया. तीन जज के बेंच का सामने ई मुकदमा रहुवे आ ओहमें से एगो जज अगिला एक अक्टूबर के रिटायर होखेवाला बाड़न. एहसे उम्मीद कइल जा रहल बा कि शायद ओकरा पहिले फैसला सुना दिहल जाई.

माफिया वालन के गेस्ट हाउस ह आर्थर रोड जेल

महाराष्ट्र सरकार के गृहराज्यमंत्री रमेश बागवे आर्थर रोड जेल के निरीक्षण का बाद एह निष्कर्ष पर चहुँपल बाड़न कि ऊ जेल ना ह माफिया वालन के गेस्ट हाउस ह जहाँ के जेल कर्मचारी सेवक बन के ओकनी खातिर हर तरह के सुविधा चहुँपा देलन. अबू सलेम के दोसरा जेल में भेजला का बाद ओकरा बैरक में कई दिन के फल आ भोजन सामग्री स्टील का बर्तन में राखल मिलल. बेचारा ले ना जा पवलसि. अब दोसरको जेल के कर्मचारियन के ओकर काम करे के पड़ी.

खेल का दुनिया से

श्रीलंका का साथ हो रहल दुसरका टेस्ट का दुसरका दिने श्रीलंका चार विकेट का नुकसान का बाद ६२४ रन बना के आपन पारी घोषित कर दिहलसि. जवाब में भारत खेल खतम होखे का समय तक बिना कवनो नुकसान ९५ रन बना लिहले बा. सहवाग ६४ रन बनवले बाड़न आ खेलत बाड़न.

दिल्ली हाई कोर्ट केन्द्र सरकार से हाकी इण्डिया का चुनाव से अलगा रहे के कहले बिया. इहो कहले बिया कि चुनाव खातिर सरकार के नियुक्त प्रेक्षक के हटा दिहल जाव. कोर्ट का नजर में हाकी इण्डिया एगो निजी संस्था ह जबकि भारतीय हाकी महासंघ असली खेल संस्था ह.

Loading

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    गर्व के बात बा कि राजीव प्रताप रुडी आपन शपथ भोजपुरी में लिहलन .
    हांलाकि सरम के बात बा कि भोजपुरी के आबहीं तक संविधान के
    आठवीं अनुसूची में शामिल ना भइल.
    गीतकार
    ओ.पी .अमृतांशु

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up