टटका खबर, मंगल, २९ जून

by | Jun 29, 2010 | 0 comments

महँगाई का खिलाफ विपक्षी बन्द

भारत के राजनीतिक दल कवनो मुद्दा पर एकमत ना हो सकस चाहे ऊ मुद्दा भलही आम जनता के दुख दर्द से जुड़ल होखे. महँगाई के मार हर केहू झेलत बा आ कम से कम एह मसला पर कोशिश होखे के चाहत रहे कि समूचा विपक्ष एकमत हो के एकर विरोध करीत. बाकिर ना! पाँच जुलाई के वामपंथी दल गैर भाजपा पार्टियन का साथे मिल के देशव्यापी हड़ताल के एलान कइले बाड़न. भाजपा आ ओकरा सहयोगी दलन से केहू पुछबो ना कइल कि एहमें साथ देबऽ लोग कि ना? स्वाभाविक बा कि राजग के बन्द कवनो दोसरा दिने होखी आ देश के जनता दु दिन के बन्द झेले खातिर मजबूर रही.

मुंगेर में मिलल विस्फोटक के जखीरा

एगो मुखबिर का सूचना पर मुंगेर पुलिस एगो घर पर छापा मार के दू क्विंटल विस्फोटक, सवा सौ डिटोनेटर, पाँच पैकेट जिलेटीन, आ चार गो पिस्तौल आ कुछ कारतूस बरामद कइलस. केहू के गिरफ्तारी के कवनो खबर नइखे. बतावल जा रहल बा कि शायद ई सामान नक्सलियन के सप्लाई करे खातिर राखल रहुवे.

जरल पर नून छिड़कले प्रधानमंत्री

कहले कि पेट्रोल के मूल्य नियन्त्रण से मुक्त कइल समय के जरुरत रहुवे आ अब डीजलो के दाम पर से कंट्रोल हटा लिहल जाई. हमनि के प्रधानमंत्री के जनता के होखे वाला दिक्कत से बेसी परेशानी सरकारी तेल कंपपनियन के होखे वाला घाटा खातिर बा. उल्टे ऊ विपक्षी दल के सलाह दिहले बाड़न कि एह मसला पर ढेर राजनीति ना होखे के चाहीं.

भाजपा के रणनीति पर विचार करी संघ

राष्ट्रीय स्वंयसेवक संघ के प्रतिनिधि भाजपा नेता लोग का साथ बईठ के विचार करीहें कि भाजपा में कइल बदलाव से का फायदा भइल भा का नुकसान. नीतीन गडकरी के भाजपा अध्यक्ष बनवला छह महिना हो गइल. एह बीचे करीब करीब हर जगहा भाजपा के नेतृत्व नया लोग का हाथ में दे दिहल गइल. बाकिर झारखण्ड के सरकार चल गइल आ बिहार के सरकार जात जात बाचल. संघ एह सगरी मुद्दा पर भाजपा प्रतिनिधियन से चर्चा करी. हो सकेला कि कुछ अउरी संघ प्रतिनिधियन के भाजपा में भेज दिहल जाव. भाजपा के संगठन मंत्री के पद अमूमन ओही लोग खातिर सुरक्षित होला.

बारामूला आ सोपोर में जारी हिंसा का चलते कर्फ्यू

प्रदर्शन करे वालन पर पुलिस के फायरिंग का बाद काश्मीर के बारामूला आ सोपोर में अशान्ति बहुते बढ़ गइल बा. बेकाबू हालात काबू करे खातिर बारामूला में कर्फयू लगा दिहल गइल बा. केन्द्रीय गृहमंत्री खुद काश्मीर जा के हालात के अध्ययन करीहे. पुलिस फायरिंग के दोष केन्द्र सरकार राज्य सरकार पर

दूनम्बरिया कालेजन से दूनम्बरिया लड़िका निकलत बाड़े

विशेषज्ञन के कहनाम बा कि दुसरा दर्जा के प्रोफेशनल कॉलेजन से जवन स्नातक निकलत बाड़े ओहनी के नौकरी मिलल मुश्किल हो जात बा. खास कर के सबले खराब हालत देश के मैनेजमेण्ट कालेजन के बा जहवाँ से पास कइल विद्यार्थी नौकरी लायक नइखन रहत काहे कि ओह विद्यार्थियन के जरुरी औद्योगिक प्रशिक्षण नइखे मिल पावत. जब औद्योगिक अनुभव वाला प्रोफेसर आईआईएम खातिर दुलम बाड़े त एह छोटका कालेजन के का कहल जाव? विद्यार्थियन के अइसनका कालेजन में सोच समुझ के नाम लिखावे के चाही.

दाम ले के छपे वाली खबरन पर नजर राखल जरुरी

देश के विवादित मुख्य निर्वाचन अधिकारी नवीन चावला काश्मीर का श्रीनगर में चल रहल देश भर के निर्वाची अधिकारियन के संबोधित करत कहले बाड़न कि चुनाव लड़े में होखे वाला खर्चा पर काबू आ दाम देके खबर छपवावे का समस्या से निजात पावे खाति ऊ लोग बढ़िया से मन्थन करो. एह दिसाईं हर तरह के विचार सामने ले आवे के आह्वान करत कहले कि समस्या पर हर तरफ से विचार कइल जरुरी बा.

स्टेट बैंक आपन बेस रेट बढ़वलसि

रिजर्व बैंक के निर्देश के पालन करत स्टेट बैंक आपन बेस रेट साढ़े सात फीसदी करे के फैसला कइले बा जवन पहली जुलाई से लागू हो जाई. बैंकन के आदत पड़ल बा कि बड़का कर्जदारन के कम सूद पर पईसा उधार देबेले आ आम जनता से बेसी सूद काटेले. अब हर कर्जदार के कम से कम साढ़े सात फीसदी सुद देबही के पड़ी. एकरा बाद बाकियो बैंक एही लाइन पर चलीहे.

रामजी के माया कहीं धूप कहीं छाया

यूपी बिहार जब गरमी में जरत छटपटात बा आ बरखा के बेचैनी से इन्तजार करत बा तवने समय असम के कम से कम दस गो जिला बाढ़ से तबाह हो रहल बाड़े. बाढ़ के मुख्य कारण भूटान के कुरिचू डैम से ढेर पानी छोड़ल बा. बाँध कम पानी का समय में नीचे पानी ना जाये देस आ जब पानी ज्यादा हो जाले त बाँध के बचावे खातिर बेसी मात्रा में पानी छोड़ दिहल जाला जवना से निचला इलाका डूबे लागेला.

खेल का दुनिया से

सानिया नेहवाल दुनिया के नम्बर वन टेनिस खिलाड़ी बने का तरफ तेजी से बढ़ल जात बाड़ी. सानिया मिर्जा अपना बेहतरीनो समय में २७ वाँ रैंकिंग से उपर ना जा पवली आ अब ओह पाकिस्तनिया से बियाह कर के रैंकिगे का बाहर हो गइल बाड़ी. ओने फीफा विश्वकप फुटबाल में रेफरियन का मनमानी से परिणाम उल्टा पुलटा हो रहल बा. रिप्ले में रेफरियन के गलती साफ लउकला का बादो फीफा अधिकारी फुटबाल मैच में आधुनिक तकनीक के इस्तेमाल नइखन कइल चाहत. इंगलैण्ड आ अर्जेण्टिना रेफरियन का गलत फैसला से टूर्नामेंट का बाहर हो गइली सँ. वइसे आजु परागुवे आ जापान के मैच आ स्पेन के पुर्तगाल से मैच होखे वाला बा. जापान एशिया से अकेला देश बाचल बा एह टूर्नामेंट में. सभकर नजर आजु पुर्तगाल आ स्पेन का मैच पर लागल रही काहे कि स्पेन दुनिया के दू नंबर के टीम आ पर्तगाल तीसरा जगहा पर काबिज बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up