टटका खबर, शनिचर, १ मई

by | May 1, 2010 | 0 comments

मुस्लिम वोट खातिर कुछुवो कर सकेलें लालू मुलायम

वामपंथियन का एह सवाल पर कि लालू आ मुलायम कटौती प्रस्ताव पर वोटिंग का दौरान वहिर्गमन काहे कर गइल लोग, लालू जवाब दिहले बाड़न कि ऊ कवनो मुद्दा पर भाजपा का साथ खड़ा ना हो सकस. कुछ कुछ अइसने राय होखी मुलायमो के. मुद्दा चाहे देश हित के हो, जनता के राहत चहुँपावे के हो, ओकर परवाह ना कर के ई लोग मुसलमान वोट के चिन्ता में सही के सही ना कह सके. अइसनके मुस्लिमपरस्त नेता लोग का चलते हिन्दूवनो में उग्रवाद पसरत बा.

साथियन के जानमारे वालन के बेचत रहले हथियार

रामपुर सीआरपीएफ कैंप से नक्सलियन के हथियार बेचे वाला दू गो आर्मोररन समेत सात जने का गिरफ्तारी का बाद पूर्वांचल का सोनभद्र, मिर्जापुर, चंदौली, आ वाराणसी में छापा डाल के ओहिजो एह बाबत पुछताछ कइल गइल. पइसा खातिर आपन महतारी तक बेच देबे वाला अइसनके देशद्रोहियन का चलते नक्सलियन के हथियार, सामान, आ धन के आपूर्ति होत रहेला.

रंगरसिया स्वामी नित्यानन्द अब अपना के किन्नर बतावत बा

स्टिंग आपरेशन में पांच गो औरतन का साथे आपत्तिजनक स्थिति में देखावल गइल वीडियो क्लिपिंग का बाद फरार आ बाद में हिमाचल प्रदेश से गिरफ्तार रंगरसिया स्वामी नित्यानन्द के कहनाम बा कि ऊ त मरदे ना ह! कहत बा कि ना विश्वास होखे त मेडिकल जाँच करा लिहल जाव. सीआईडी कहत बिया कि ऊ ई सब जाँच के भटकावे खातिर कह रहल बा.

भदोही में टेम्पो पर ट्रक पलटला से पांच जने के मौत

ज्ञानपुर का तिमुहानी से सवारि लाद के गोपीगंज जात एगो टेम्पो पर जगापुर नहर पर बनल पुल पर सामने से आवत एगो ट्रक पलट गइल जवना का नीचे दबा के तीन गौ औरत, एगो बच्चा आ टेम्पो के ड्राइवर त ओहिजे मर गइलें. नौ गो घवाहिल कचराइल लोगन के अस्पताल में गंभीर हालात में भरती करावल गइल बा.

डेरा सच्चा सौदा मुख्यालय मे भगदड़ से पाँच गौ औरतन के मौत

कई बेर गलत कारण से खबरन में रहे वाला डेरा सच्चा सौदा का मुख्यालय में काल्हु समुदाय के ६२ वीं जयन्ती मनावे का अवसर पर मंच गिरला का बाद भगदड़ मच गइल जवना में कचरा के पांच गौ श्रद्धालु औरतन के मौत हो गइल. बाकी घवाहिलन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

आजु काल्हु में आँधी तूफान के लक्षण बा

मौसम विभाग का अनुसार अगिला दु दिन का भीतर पूर्वी यूपी, बिहार, झारखण्ड, पश्चिम बंगाल, आ सिक्किम में तेज आँधी उठ सकेले जवना से आम, गन्ना, आ फसलन के नुकसान हो सकेला. एह अंधड़ से जानो माल के नुकसान के अनेसा बा.

पूर्वांचल राज्य खातिर एका जरुरी बा

काल्हु बनारस में पूर्वांचल राज्य नवनिर्माण मोर्चा का बैठक में वक्तालोग राजनीतिक दल पर आरोप लगवले कि सगरी दल अलगा अलगा राग में गावत बाड़े. कवनो के ना त पूर्वंचल के विकास से मतलब बा नाएहिजा के लोगन के तरक्की से. तय कइल लोग कि पूर्वांचल राज्य बनावे खातिर जनजागरण अभियान शुरु कइल जाव.

मिले सुर मेरा तुम्हारा में भोजपुरी, मैथिली, अवधी, मगही के सुर नइखे

देश के बड़हन हिस्सा में आ बड़हन आबादी के भाषा के प्रतिनिधित्व मशहूर कार्यक्रम मिले सुर मेरा तुम्हारा में नइखे. एह उपेक्षा के टीस से आहत मनोज तिवारी पन्द्रह मिनट के अगो अलबम बनावत बाड़न जवना में हिन्दी, भोजपुरी, मैथिली, ब्रज, अवधी, संथाल भाषा के शामिल कइल जाई. एह अलबम में पंडित छन्नू लाल मिश्रा, मालिनि अवस्थी, दीपक तिरकी, आलोक कुमार, दिनेशलाल यादव निरहुआ, पवन सिंह वगैरह के शामिल कइल जाई. एह अलबम के निर्माण जौनपुर के शब्बीर कुमार करत बाड़े.

झारखण्ड में मुख्यमंत्री के तलाश जारी बा

भाजपा के आपन मुख्यमंत्री चुने के कह के झामुमो आराम से तमाशा देखत बा. भाजपा में अब के मुख्यमंत्री बनो ए!ह बात खातिर ताकत आजमाइश चालू बा. मुकाबिला उप मुख्यमंत्री रघुबर दास आ पूर्व मुख्यमंत्री अर्जुन मुंडा का बीच बा. झामुमो कहले बा कि कवनो आदिवासिये के नेता मानल जाई. झारखण्ड में अबले कवनो गैर आदिवासी मुख्यमंत्री नइखे बनल.

बीसबीसा क्रिकेट वर्ल्ड कप में काल्हु

न्यूजीलैण्ड श्रीलंका के दू विकेट से आ वेस्ट इंडीज आयरलैण्ड के ७० रन से हरा दिहलसि. आजु भारत के पहिलका मुकाबिला अफगानिस्तान के टीम से आ पाकिस्तान के मुकाबिला बांगलादेश का टीम से होखे जा रहल बा. अफगानिस्तान आ बांगलादेश के टीमन के कमजोर समुझे वाला कबहियो हार सकेला एकर ध्यान राखल जरुरी बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up