pub-4188398704664586

टटका खबर, शनिचर, २७ मार्च

by | Mar 27, 2010 | 3 comments

लालकृष्ण आडवाणी भड़काऊ भाषण दिहले रहलें
अयोध्या के विवादित ढाँचा विंध्वस का दिने आडवाणी के निजी सुरक्षा खातिर उनका साथे रहल पुलिस अधिकारी उषा गुप्ता कोर्ट में बयान दिहले बाड़ी कि ओह दिन आडवाणी समेत कई गो भाजपा नेता भड़काऊ भाषण दिहले रहलें आ जब ढाँचा ढहावल जात रहुवे त केहू ओकरा के रोके के कोशिश ना कइल. बाकिर इहो कहली कि जब आडवाणी ओह जगहा जाये के कहलन त उनका के जाये ना दिहनी. उषा गुप्ता रायबरेली का सीबीआई अदालत में अभियोजन के गवाह का रुप में आपन बयान देत रहली.
नक्सली नेता किशनजी के पुलिस मार गिरवलसि
अपुष्ट खबर में कहल गइल बा कि नक्सली नेता कोटेश्वर राव उर्फ किशन जी के काल्हु पश्चिम बंगाल के लालगढ़ में पुलिस मुठभेड़ में मार गिरावल गइल बा. १६ घंटा तक चलल गोलीबारी का बाद ओहिजा से चार गो नक्सलियन के लाश मिलल बा जवना में से एगो लाश किशनजी के बतलावल जा रहल बा. कानू सान्याल के खुदकुशी का बाद किशन जी के मौत नक्सली आन्दोलन के एगो बड़हन झटका बा. अलगा बात बा कि रक्तबीजन का तरह नक्सलियन के संख्या बल में कमी नइखे आवे वाला.
यूपी के मुसलमानन खातिर आरक्षण के माँग कइलें मुलायम
सपा नेता अपना मुस्लिम वोट बैंक के फुसलवले राखे खातिर कवनो मौका बाँव ना जाये देस. सुप्रीम कोर्ट से आंध्र प्रदेश में मुसलमानन खातिर आरक्षण के सही बतवला का बाद मुलायम सिंह माँग कर दिहले बाड़े कि अब बिना कवनो देरी कइले यूपी के मुसलमानन खातिर आरक्षण के घोषणा कर दिहल जाव. साथही केन्द्र सरकार से कहले बाड़े कि पूरा देश में ई आरक्षण दिहल जाव आ एकरा खातिर आरक्षण क कोटा बढ़ा दिहल जाव.
बलिया में भयंकर बिजली संकट
बाँसडीह, रसड़ा, मनियर समेत बलिया शहर में भयंकर बिजली संकट पैदा हो गइल बा. कई जगहा फीडर में विस्फोट हो गइल बा जवन कि रख रखाव में कमी, ट्रांसफार्मर के तेल के चोरी, आ गर्मी का चलते बढ़ल माँग का चलते फीडर के गरम हो गइला से हो रहल बा. बलिया शहर में रात से बिजली गायब बा जवन कि फीडर ट्राली में आइल खराबी का चलते भइल बा.
यूपी बोर्ड हिसाब में कमजोर निकलल
यूपी बोर्ड नकल का बीमारी से बदनाम बड़ले बा अब ओकरा पर्चा में गलत सवाल का चलते ओकर प्रतिष्ठा अउरी माटी में मिलल जात बा. मैट्रिक का गणित में गलत सवाल आइले रहुवे अब इन्टरो का गणित परचा में गलत सवाल दिहल गइल बा. तीन अंक के ई सवाल सबका खातिर जरुरी रहे आ एकर हल कवनो तरीका से ना निकालल जा सके. माथा पच्ची में समय खराब कइला का बाद परीक्षार्थी ओह सवाल के छोड़ देबे खातिर मजबूर हो गइलें.
राजद का साथ लोजपा के गठबन्हन बनल रही
बिहार लोजपा विधायक दल के नेता महेश्वर सिंह राजद का साथ गठबन्हन पर फेर से विचार करे के राय बतवले रहलें. काल्हु लोजपा के बईठक में फैसला लिहल गइल कि गठबन्हन बरकरार रही. परिसीमन का चलते कुछ विधायकन के परेशानी देखत फैसला लिहल गइल कि राजद के कुछ सीटिंग सीट लोजपा ले ली  लोजपा के कुछ सीटिंग सीट राजद के दिहल जाई आ एह लेन देन से गठबन्हन के विधायकन के हित सुरक्षित करा लिहल जाई.
बाँध आ रेल लाइन किनारे बसल गरीबन के घर बनावे खातिर जमीन
बिहार सरकार तय कइले बिया कि बाँध आ रेल लाइन किनारे बसल गरीब परिवारन के आपन घर बनावे खातिर सरकार का तरफ से तीन तीन डिसमिल जमीन खरीद के दिहल जाई. ई बात विधानसभा में राजस्व आ भूमि सुधार मंत्री नरेन्द्र नारायण यादव बतवलें. इहो कहलें कि महादलित परिवारन के आवास बनावे खातिर राज्य आ  केन्द्र सरकार का तरफ से पाँच पाँच हजार रुपिया दिहल जाये वाला रहे. केन्द्र अपना हिस्सा के पइसा नइखे देत त उहो राज्ये सरकार का तरफ से दे दिहल जाई.
कांग्रेस सबसे धनवान पार्टी
साल २००८ ०९ के लेखा जोखा का अनुसार कांग्रेस का लगे सबसे बेसी धन बा. ओकरा लगे ३४० करोड़ रुपिया के परिसंपत्ति बा जवन साल शुरु का पहिले २७१ करोड़ रहुवे. कांग्रेस का तुलना में भाजपा कहीं नइखे ठहरत. आखिर सत्ताधारी दल आ विपक्ष के औकात में फरक त रहही के चाहीं. ओह साल कांग्रेस आपन चंदा के कूपने बेच के २०० करोड़ के कमाई कइले रहे.
परमाणु शक्ति संपन्न मिसाइल के सफल परीक्षण
काल्हु भारत अपना परमाणू शक्ति संपन्न मिसाइल पृथ्वी २ आ धनुष के सफल परीक्षण कइलस. उड़ीसा के बालासोर जिला में चन्डीपुर परीक्षण केन्द्र से ई मिसाइल दागल गइलीं सँ जवन अपना लक्ष्य पर सही मार करे में सफल रहली सँ. पृथ्वी मिसाइल के सेना में शामिल कइल जा चुकल बा आ काल्हु के परीक्षण सेने का तरफ से करावल गइल रहे.
बीसबीसा क्रिकेट खातिर भारत के टीम के एलान
अप्रेल मई में होखेवाला बीसबीसा क्रिकेट वर्ल्ड कप खातिर भारत के टीम के घोषणा काल्हु कर दिहल गइल. टीम के कप्तानी धोनी का जिम्मे रही. कर्नाटक के तेज गेंदबाज विनय कुमार अकेला नया चेहरा बाड़े टीम में. वीरेन्द्र सहवाग उप कप्तान, दिनेश कार्तिक, गौतम गंभीर, आशीष नेहरा,  पीयूष चावला, सुरेश रैना, रोहित शर्मा समेत पन्द्रह खिलाड़ियन के नाम घोषित कइल गइल बा. सचिन तेंदुलकर के नाम नइखे. काहे कि ऊ अपनही ना तइयार भइलन.

Loading

3 Comments

  1. Abhijeet Singh

    For O. P. Sir

    I am Abhijeet Singh, passed out (class 10th)from DVP in 2001.

    I am tracking this website from long back. This is the best effort for our language. Always I wanted to contact you but not getting any link. I was thinking to meet you personally but didn’t got time to come there.

    Now a days I am in Guwahati (Assam) doing my M. Sc. in Computer Science and working in ‘Language Technology Development Project’ for Assamese and Bodo language.

    Side by side Assamese and Bodo ‘wordnet’ project is also going on.

    Today I met “Mr. Pandey” from IIT Bombay. He is in Shillong for wordnet consortia meeting with his team including “Prof. Pushpak Bhattacharya”.

    During the conversation with him we were talking about our own bhojpuri language development. And he told me about you.

    Actually i am also looking for the record where and what work is going on about this language?

    Hope to get you this way…just a little hope to get connected with you for a noble cause of our own mother tongue…

    Please reply me back, my E-mail is there…

  2. admin

    राकेश जी,
    जिलेवार खबर के लिंक पहिलके पन्ना पर दिहल गइल बा, उपयोगी लिंक वाला बाक्स में.
    राउर,
    संपादक

  3. Rakesh Kumar

    It look good but to view local news distric wise is tuff, pls explain

Leave a Reply to Abhijeet Singh

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586