टटका खबर, शनिचर, २९ मई

by | May 29, 2010 | 0 comments

नक्सलियन का मार से सरकार के बोली गड़बड़ाइल

माओवादी षडयंत्र आ मानवता विरोधी हरकत से ज्ञानेश्वरी एक्सप्रेस के दुर्घटना ग्रस्त होखला का बाद केन्द्र सरकार के बोली गड़बड़ा गइल बा. ममता कुछ अउर बोलत बाड़ी, चिदम्बरम कुछ अउर, आ प्रणव बाबू बीच बचाव करत कुछ अउर. जवना सरकार के मंत्री एगो दुर्घटना का मामिला में एक सुर से ना बोल सकस ओह सरकार से उम्मीद कइल कि ऊ मानवता के दुश्मन नक्सलियन से निबट पाई बेकार बा. एगो नक्सली मराता त नक्सली चार गो आदमी मार गिरावत बाड़े. देखा दिहले बाड़न कि सरकार ओकनी के कुछ ना उखाड़ सके अपना माथा के बार भलही नोच लेव. ज्ञानेश्वरी एक्सप्रेस दुर्घटना में करीब दू सौ आदमी के मरे के खबर बा बा बाकिर सरकारी आँकड़ा ९५ के बा. तेरह गो डिब्बा पटरी से उतरल जवना में पाँच गो डिब्बा के फेर मालगाड़ी कचारत निकल गइल. एक डिब्बा में ७२ मुसाफिर, कम से कम. कुल कतना मौत भइल होखी अन्दाज रउरा लगाईं. आ उहो शिखण्डी लगावस जे नक्सलियन के पैरोकार हउवन. अइसनका दुर्घटना पर ऊ कुछ ना बोलस बाकिर जो कहीं चार गो नक्सली मरा जा सँ त ससुरे हुँआ हुँआ करे लगीहें.

आतंकी उग्रवादी केहू के ना होलें, अपना बापो के ना

ऊ बस अपना मकसद के प्यार करे लें जवना खातिर ऊ जान तक देबे ला तइयार रहेलें. पाकिस्तानो उग्रवादियन आतंकियन के जनमावे पाले पोसे में पीछे ना रहे बाकिर ओकरो पर हमला बोलत रहलें सँ. काल्हु पाकिस्तान में दू गो मस्जिद पर भइल तालिबानी हमला में कम से कम अस्सी आदमी के मराये के खबर बा. तालिबानी फिदायिन अहमदिया मुसलमानन के मस्जिद पर हमला बोलले रहलें. तालिबानी अपना के कट्टर इस्लामी मानेलें आ इस्लामे के दोसरा बहाव के विरोध करेलें.

आखिरी दिने समझौता हो गइल नेपाल में

आ संविधान सभा के कार्यकाल एक साल खातिर अउर बढ़ा दिहल गइल. संविधान सभा का जिम्मे नेपाल के संविधान बनावे के जिम्मेदारी दिहल गइल बा बाकिर समय बीतलो पर ऊ कवनो संविधान ना बना पवलें. माओवादी अपने सुर निकालत रहेलें जवना से बाकी दल सहमत ना हो पावस आ मामिला लटकत रहेला. काल्हु २८ मई के ओकर कार्यकाल खतम होखे वाला रहुवे आ नेपाल में संवैधानिक संकट बन गइल रहुवे.

चलनी दूसे सूप के, जेमे बहत्तर छेद

मायावती का संपत्ति पर हाय तोबा मचावत विपक्ष के खुला चुनौती देत बसपा नेता सतीशचन्द्र मिश्र कहले बाड़े कि मायावती अपना संपत्ति के आँकड़ा सार्वजनिक कर देबेली. उनका लगे कवनो बेनामी संपत्ति नइखे. बाकिर ऊ लोग जे नेतागिरी करे से पहिले एगो साइकिल के मालिक रहे, ऊ बतावे कि आज ऊ अरबो खरबो के नामी बेनामी संपत्ति के मालिक कइसे हो गइल? ऊ अपना आमदनी के स्रोत बतावे. सरकार ओह लोगन के नाम उजागर करे जिनकर नाम स्विस बैंकन में अकूत संपत्ति राखे खातिर सरकार के ओहिजा से मिलल बा. हर पार्टी के नेता आपन शुरुआती संपत्ति आ आजु के संपत्ति के खुलासा करे तब मायावती पर सवाल उठावे. मायावती त अपना आमदनी के स्रोत समेत खुलासा करेली आ ओह पर आयकोर देबेली बाकिर बाकी लोग?

मुलायम कहले कि सरकार वादाखिलाफी करत बिया

जनगणना में जातियन का गिनती का सवाल पर केन्द्र सरकार के कदम डगमगात देख यादव त्रिमूर्ति जबानी हमला बोलल शुरु कर दिहले बाड़े. पहिले शरद यादव बोलले आ अब मुलायम सिंह कहले बाड़न कि सरकार एह मसला पर वादा खिलाफी करत बिया. ओने कांग्रेसी मंत्री अजय माकन हर पार्टी के युवा सांसदन के चिट्ठी लिख के कांग्रेस के मुसीबत में डाल दिहले बाड़न. माकन जातिगणना का खिलाफ बाड़े. दोसरा तरफ दोसर मंत्री मोइली जातिगणना खातिर खुलेआम अभियान चलवले बाड़े.

भउजी टिकट लेबे से इन्कार कर दिहली

सपा से राज्यसभा खातिर जया बच्चन के टिकट मिलला का बाद अमर सिंह तेज हो गइल रहलें आ बच्चन परिवार में फैसला हो गइल कि जया बच्चन टिकट ना लीहें आ परिवार के विवाद से दूर रखीहें. अब जया बच्चन वाली सीट अमर सिंह के धुर विरोधी दोसर राजपूत मोहन सिहं के दे दिहल गइल बा. मोहन सिंह अमर सिहं के खुलेआम गरियावेलें आ दुनु राजपूतन के लड़ा के सपा के यादव नेतृत्व निश्चिन्त बा. गोतिया के काट गोतिये करेला!

सीबीएसई के गणित में सौ के मतलब पंचानबे होला

कुछ विद्यार्थियन के फेल होखे से चिंतित सीबीएसई एह साल से ग्रेडिंग प्रणाली से रिजल्ट दिहल शुरु कइले बा जवना में केहू के फेल ना कइल जाई. सबसे निचला ग्रेड पावे वाला के पाँच गो मौका दिहल जाई अगिला क्लास में प्रोमोट होखे खातिर. एह प्रणाली से केहू के टॉपर ना मानल जाई आ ९१ से १०० अंक पावे वालन के एकही ग्रेड एवन दिहल जाई. ग्रेड के प्रतिशत में बदले खातिर सीबीएसई ओहमें साढ़े नौ से गुणा करे के कहले बा. जइसे कि टापग्रेड वालन के मिलल दस के मतलब भइल पंचानबे फीसदी. दोसर मतलब ई कि केहू के पंचानबे से उपर ना मिली. हो सकेला कि पढ़ाई में पिछड़ल विद्यार्थियन के सहूलियत देबे खातिर एक जमाना उहो आ जाव कि जेकरा अस्सी से उपर मिली ओकरा के आगा ना पढ़े दिहल जाई! काहे कि ऊ अतना जानकार बा कि ओकरा के पढ़वला के जरुरत नइखे. फिसड्डी छात्रन के उत्साह बढ़ावे खातिर ओकनी के आगा बढ़े खातिर संवैधानिक संरक्षण दिहल जाई.

लोकसभा आ विधानसभा के कार्यकाल नियत होखो

हर साल दू साल पर होखे वाला चुनावन से आजिज जनतो चाहेले कि एकर कवनो समाधान निकालल जाव. पहिले लोकसभा आ विधानसभा के चुनाव साथही करावल जात रहुवे आ ओहसे खर्चो कम पड़त रहे आ सुविधो रहत रहुवे. बाकिर बार बार होखे वाला मध्यावधि चुनावन से हालत गड़बड़ा गइल. अब हर साल कहीं ना कहीं चुनाव होत रहेला आ एकरा चलते विकास कार्यन में बाधा पँहुचेला. भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी अपना ब्लाग पर लिखले बाड़न कि एह मसला के जब ऊ प्रधानमंत्री आ वित्तमंत्री का सोझा उठवलन त ऊ लोग ध्यान से उनकर बात सुनल. अब एह ध्यान से सुनला का बारे में का कहल जाव? सरकार त हर बतिये ध्यान से सुनत रहेले, कबो कुछ करे तब नू!

शेयर बाजार में सुधरा आइल तीसरको दिने बनल रहल

पिछला कई दिन से हो रहल लगातार गिरावट का बाद पेंडुलम दोसरा तरफ चल निकलल बा आ काल्हु लगातार तीसरका दिने शेयर बाजार के सूचकांक में बढ़ोतरी भइल. सोरह हजार से नीचे तक चल गइल सूचकांक फेर सोरह हजार आठ सौ हो गइल बा.

भारत जिम्बाब्वे के जीता दिहलस

तीन देशन का बीच हो रहल एकदिना क्रिकेट शृंखला में जिम्बाब्वे का साथ खेलत मैच में भारत अपना पहिलका पारी में पाँच विकेट पर २८५ रन के स्कोर खड़ा कइलस. बाकिर जब जिम्बाब्वे खेले उतरल त भारत के गेंदबाज अइसन गेंदबाजी कइलें कि ओकरा जीतही के पड़ल आ आ ४९वाँ ओवर में जिम्बाब्वे २८९ रन बना के जीत गइल. भारत के गेंदबाज दस गो गेंद अउरी फेंके से बाच गइलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up