टटका खबर, शनिचर, ३१ जुलाई

by | Jul 31, 2010 | 0 comments

लालू के राजद के राष्टीय दल के मान्यता रद्द हो गइल

हाल का चुनावन में मिलल वोट का आधार पर चुनाव आयोग कई गो राजनीतिक दलन के मान्यता में फेर बदल कइले बा. हमनी खातिर सबले खास बा कि लालू प्रसाद के राजद अब राष्ट्रीय स्तर के दल ना रह के राज्य स्तर के दल हो गइल बा. लालू भाई एह से चिन्तित नइखन काहे कि ना त उनकर चुनाव चिह्न लालटेन छिनाये जा रहल बा ना दिल्ली में मिलल जमीन जवन राष्ट्रीय दल होखला का नाते राजद के मिलल रहुवे. सपो के झटका लागल बा आ अब ओकरा के मध्यप्रदेश आ उत्तराखंड में मिलल राज्य स्तर के मान्यता खतम कर दिहल गइल बा.

मान्यता त बारह गो राशियनो के खतरा में पड़ गइल बा

कहल जा रहल बा कि बाबिलिनियन सभ्यता का दौरान बनावल गइल जोडियक अब तर्क संगत नइखे रहि गइल काहे कि बारह गो राशियन का बीच में एगो तेरहवां राशि घुस आइल बा साँप ढोवत ओफिकस. एकरा के सर्पेंटरियसो कहल जाला. अब पुरा दुनिया में राशिफल बतावे वाला लोग के गणना गलत हो गइल बा बाकिर ऊ लोग थेथरियोलोजी का आधार पर अपना बात पर अड़ल बा. एहसे समुझदारन के त कवनो अन्तर नइखे पड़े वाला बाकिर राशिफल चाव से पढ़े वाला लोग के शायद अब भान हो जाई कि काहे कबो कबो ओह लोग के राशिफल गलत लागेला. ओइसे आधुनिक विज्ञान नाहियो त ८८ गो राशियन के मान चुकल बा.

चुनावफल त टीआरएस के जीता दिहले बा

आंध्र प्रदेश में भइल उपचुनावन में तेलंगाना राष्ट्र समिति के जोरदार जीत मिलल बा आ ओकर एगारहो उम्मीदवार जीत गइल बाड़न. पिछला चुनाव में टीआरएस के एहमें से दसे गो सीट मिलल रहे बाकिर अबकी ऊ तेलुगू देशम पार्टी के हरा के एगारहवाँ सीट जीत लिहलसि. एगो अउरी सीट पर चुनाव करावल गइल रहे जहाँ टीआरएस आपन उम्मीदवार ना दिहले रहुवे आ ओह निजामाबाद सीट से भाजपा के उम्मीदवार कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष के हरा दिहले बा. एहू से कास बाति इ रहल कि पिछला चुनाव में कम अन्तर से जीते वाला टीआरएस अबकी साठ से पंचानबे हजार का अन्तर से जीतल बा. अब तेलंगाना राज्य के माँग अउरी मजबूती से उठी.

भ्रष्टाचार का दलदल में गरदन तक डूबल बा राष्ट्रमंडल खेल के आयोजन

मणि शंकर अय्यर के बाति कुछ लोग के जहर लेखा लागल रहुवे बाकि अब ओहू लोग के मुँह बन्द हो गइल बा जब एह खेल का आयोजन में बड़हन भ्रष्ट्राचार के खबर सामने आइल शुरु हो गइल बा. आयोजन समिति आपन दामन पाकसाफ बतावे का कोशिश में कहले बा कि निर्माण कार्य से ओकरा कुछुवो लेना देना ना रहे. ऊ त तइयार हो चुकल स्टेडियम के संचालने भर के जिम्मेदार बा. ओने एह कमाई के अनदेखी करत दिल्ली के मुख्यमंत्री कहले बाड़ी कि दिल्ली के व्यापारियन के एह मौका पर मलाई काटे खातिर पूरा तरह से तइयार रहे के चाहीं. अइसनका मौका बार बार ना आवे. जय हो!

क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड राष्ट्रमंडल खेल खातिर चन्दा देबे से इन्कार कइलसि

बीसीसीआई कह दिहले बिया कि ऊ राष्ट्रमंडल खेल खातिर सौ करोड़ के चन्दा ना दीहि. अतने ना आल इण्डिया फुटवाल फेडरेशन के वादा कइला का बादो साढ़े बारह करोड़ के बकाया सहायता देबे से बोर्ड इन्कार कर दिहले बिया. फुटबाल फेडरेशन के पचीस करोड़ देबे के वादा बोर्ड कइले रहुवे जवना में से आधा दिहल जा चुकल बा. गनीमत अतने बा कि बोर्ड ऊ दिहलका रुपिया वापिस नइखे मँगले.

सब बर्दाश्त कइल जा सकेला बाकिर न्यायालय के अपमान ना

पिछला आठ साल से देश भर के सेकुलर जमात आ कांग्रेस सरकार नरेन्द्र मोदी आ गुजरात के बदनाम करे में लागल बा. इहाँ तक कि एगो मुसलमान तथाकथित आतंकवादी के मुठभेड़ में मरइला का बाद सगरी ताकत ओह मामिला में नरेन्द्र मोदी के फँसावे खातिर बेचैन बाड़ी स. बुझाता जे देश में आज ले कवनो दोसर मौत पुलिस का मुठभेड़ में नइखे भइल. सीबीआई अपना झोंक में अतना बेचैन बिया कि चाहत बिया कि मामिला गुजरात का बाहर कवनो कोर्ट में चलावल जाय. एही पर नरेन्द्र मोदी दहड़ले बाड़न कि गुजरात के न्यायालय के अपमान बर्दाश्त ना कइल जा सके. आ ऊ गुजरात के मान सम्मान खातिर कवनो हद के लड़ाई लड़ सकेले.

बिहार के विश्वविद्यालय शिक्षकन के यूजीसी वेतनमान मिली

बिहार सरकार जनवरी २००६ से विश्वविद्यालयन के शिक्षकन के यूजीसी वेतनमान देबे के एलान कर दिहले बिया.. बकाया भुगतान पाँच किस्त में दिहल जाई. एह बढ़ल खरचा के अस्सी फीसदी केन्द्र सरकार दीहि आ बाकी बीस फीसदी बिहार सरकार का कपारे रही. बाकिर अप्रैल २०१० का बाद के वेतनमान पूरा के पूरा बिहारे सरकार के देबे के पड़ी. लेक्चरार लोग अब असिस्टेन्ट प्रोफेसर आ रीडर लोग एसोसिएट प्रोफेसर कहल जइहें. बाकिर रिटायरमेंट के उमिर पुरनके रही. केन्द्र सरकार एकरा के पैंसठ साल करे के कहले बिया.

बिहार भाजपा के चुनाव समिति में बिहारी बाबू के नाम नइखे

अकसरहां बात बेबात पर शाटगन फायर मारे वाला बिहारी बाबू के नाम भाजपा का चुनाव समिति में नइखे. बिहारी बाबू के एह बाति पर कवनो बयान अबले नइखे आइल. एह समिति में डा॰सीपी ठाकुर, सुशील मोदी, नन्द किशोर यादव, अश्विनी चौबे, रविशंकर प्रसाद, किरण घई, हरेन्द्र पाण्डेय, शाहनवाज हुसेन, राजीव प्रताप रुडी राजेन्द्र गुप्ता, जनार्दन प्रसाद सिगरीवाल समेत बीस आदमी के नाम बा.

ग्रामीण स्वास्थ्य सेवा में यूपी सबले नीचे

नेशनल रूरल हेल्थ मिशन अपना सर्वे का बाद ग्रामीण स्वास्थ्य सेवा का मामिला में यूपी के सबसे निचला पायदान पर रखले बा. राजस्थान, छतीसगढ़, गुजरात, जम्मू काश्मीर एह मामिला में सबले निमन मानल गइल बा. यूपी खातिर संतोष के बाति इहे बा कि महाराष्ट्र, बिहार, आ झारखण्ड के हालात ओकरे अइसन खराब बा.

खेल का दुनिया से

भारत के महिला टेनिस खिलाड़ी सायना नेहवाल के राजीव गाँधी खेल रत्न के सम्मान से नवाजल गइल बा. सानिया नेहवाल अबही दूनिया के नंबर दू महिला खिलाड़ी के रैंक मिलल बा.

श्रीलंका का साथे दुसरका टेस्ट मैच में डबल सेंचुरी लगवला का बाद सचिन तेंदुलकर कहले बाड़न कि अब उनका उमिर के बात उठावे वाला लोग के चुप हो जाये के चाहीं. खिलाड़ी के खेल से ओकरा उमिर के कवनो संबंध ना होला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up