टटका खबर, शनिचर, ३ जुलाई

by | Jul 3, 2010 | 0 comments

दिल्ली एयरपोर्ट के तीसरका टर्मिनल के उद्घाटन भइल

प्रधानमंत्री आ सोनिया गाँधी मिल के आजु दिल्ली के इन्दिरा गाँधी अन्तर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा के तीसरका टर्मिनलन के उद्घाटन कइल लोग. एह टर्मिनल के बन गइला का बाद ई हवाई अड्डा दुनिया के पाँचवा सबले बड़ हवाई अड्डा बन गइल. एहिजा से साल में साढ़े तीन करोड़ लोग के सेवा दिहल जा सकेला. ९५ गो इमिग्रेशन काउन्टर बा.

सेना के मिली नेत्र

रक्षा अनुसंधान संगठन डीआरडीओ एगो अइसन मानव रहित विमान विकसित कइले बा जवना से आतंकवादियन आ देश का भीतर के उत्पातियन से निबटल जा सकेला. ई टोही विमान होखी जवना के नाम नेत्र दिहल गइल बा आ ई अंतरा कोना में लुकाइल उत्पातियन के खबर दे सकेला. बतावल जा ता कि एकरा के जल्दिये सेना में शामिल कर लिहल जाई.

कोचिंग के धंधेबाजन के धंधा खराब कइल जाई

केन्द्रीय मानव संसाधन विभाग इंजीनियरिंग के एडमिशन में बारहवीं के अंक के ७० फीसदी वजन दे के बाकी ३० फिसदी खातिर एप्टीच्यूड टेस्ट लिहल जाई. हर प्रतिभागी तीन बेर ई टेस्ट दे सकी आ सबसे बेसी मिलल अंक जोड़ल जाई. कहल जात बा कि एह उपाय का बाद कोचिंग के धंधेबाजन पर रोक लाग सकी. एह से पूरा देश के विद्यार्थियन के फायदा चहुँपी खास कर तब जब पूरा देश में विज्ञान आ गणित के पाठ्यक्रम एक हो जाई. अगिला सत्र से सब जगहा एके पाठ्यक्रम पढ़ावल जाई.

निजी स्कूलन के फेर से आपन निबंधन करावे पड़ी

यूपी सरकार राज्य के निजी स्कूलन के मनमानी पर रोक लगावे के तइयारी में बिया. अब कवनो स्कूल बचवन के बा ओकनी के अभिभावकन के प्रवेश परीक्षा भा इन्टरव्यू ना ले पाई. प्रवेश का नाम पर भारी भरकम डोनेशन लिहला पर रोक लगा दिहल गइल बा. तीन साल के भीतर सगरी स्कूलन के मानक का अनुसार जमीन, भवन, छात्र शिक्षक अणुपात, लाइब्रेरी, खेल के मैदान, चहारदीवारी वगैरह पूरा कर लेबे के पड़ी. बिना मान्यता मिलले स्कूल चलावे वालन के एक लाख रुपिया जुर्मान देबे के पड़ी.

माई के आँख निकाल ले गइले सँ चोर

देश के ५१ सिद्ध पीठन में से एगो रजरप्पा के माँ छिन्नमस्तिका मेंदिर में बियफे के रात में चोर घुस के माई के मूर्ति तूड़ के उनकर ६५ किलो के चाँदी के कवच आ सोना से बनल आँख निकाल ले गइले सँ. सबेरे जब पता लागल त पूरा इलाका के घेराबंदी कर लिहल गइल बा आ संदेह का आधार पर दू गो आदमी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. बाकिर ओकनी से कवनो सुराग नइखे मिलल. कहल जाला कि ई मन्दिर छह हजार साल पहिले बनल रहे. कुछ लोग कहेले कि विश्वकर्मा खुद एकरा के बनवले रहले.

भाजपा जदयू के रिगवलसि

भाजपा के बिहार प्रभारी अनंत कुमार काल्हु अहमदाबाद में गुजरात कार्यकारिणी का बईठक में शामिल भइले आ ओहिजा नरेन्द्र मोदी के नेवता दिहले कि रउरा बिहार में भाजपा के चुनाव प्रचार करे जरुर आईं. राउर जरुरत बा ओहिजा. मंच पर जब अनंत कुमार ई बात कहलन त अरुण जेटली समेत भाजपा के कई गो नेता मौजूद रहले. एह खबर पर कड़ा आपत्ति दर्ज करावत जदयू के शिवानन्द तिवारी कहले कि पता ना काहे भाजपा अइसन हरकत करत बिया. ओकरा अगर दिल्ली में शासन करे के बा त अपना गठबन्हन के साथियन के भरोसा में ले के चले के पड़ी. अकेले त ऊ सत्ता पावे से रहल.

नेता तीन तरह के होले

एगो का पाछा भीड़ चलेले, दोसरका भीड़ देख के आगे आगे चले लागेला, आ तीसरका का बारे में पता ना चले कि भीड़ ओकरा पाछा चलत बिया कि ओकर पीछा करत बिया. अइसनके कुछ भाजपो कर रहल बिया. पाँच तारीख के होखेवाला भारत बन्द के आह्वान वामपंथी आ गैर भाजपा दल कइले बाड़े. अब भाजपा ओह बंद के नेता बनल चाहत बिया आ ओकर अध्यक्ष नितिन गडकरी सामने से मोर्चा सम्हाले के बात कहले बाड़े. पहिले भाजपा अंतर्द्वन्द्व से गुजरत रहे बाकिर संघ के निर्देश का बाद मैदान में कूद पड़ल बिया.

काश्मीर में कर्फ्यू लागले बा

अलगाववादियन का उकसवला पर काश्मीर के कई जगहन पर सुरक्षा बल आ प्रदर्शनकारियन का बीच झड़प चल रहल बा. काल्हु का झड़प में तीन गो पुलिस कर्मी समेत एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा. केन्द्र राज्य सरकार से कहले बा कि पथराव करेवालन से सख्ती से निबटल जाव. दोसरा तरफ सुरक्षा बलो से कहले बिया कि संयम राख के काम करे लोग. एह सगरी उत्पात का बीच अमरनाथ यात्रा जारी बा आ अबले करीब १८ हजार यात्री बाबा हिमानी के दर्शन कर के लवटि चुकल बाड़े.

रिजर्व बैंक आपन रेपो आ रिवर्स रेपो दर में चौथाई फीसदी के बढ़ोतरी कइलसि

रिजर्व बैंक आपन ब्याज दर बढ़ा दिहलसि जवना पर ऊ दोसरा बैंकन के कर्ज देला भा ओकनी से अतिरिक्त धन लेला. एह बढ़ोतरी से देश में मुद्रा प्रसार के संकुचित कइल जा सकी आ महँगाई पर काबू पावे में सहायता मिली. ई घोषणा काल्हु शेयर बाजार बन्द भइला का थोड़ देर बाद कइल गइल. तबो काल्हु बाजार के ई अनेसा रहे जवना से बैंकिंग सेक्टर में बिकवाली देखे के मिलल.

खेल का दुनिया से

काल्हु का फीफा वर्ल्ड कप में उरुग्वे घाना के पेनाल्टी शूट आउट में चार दू से हरा के सेमीफाइनल में चहुँप गइल. पांच बेर चैम्पियन रहल ब्राजील काल्हु नीदरलैण्ड्स से दू एक से हार गइल. आजु का क्वार्टर फाइनल मैचन में अर्जेण्टिना जर्मनी से आ पेराग्वे स्पेन से खेले वाला बा. विम्बलडन टेनिस में भारत के लिएन्डर पेस आ जिम्बाब्वे के कारा ब्लैक के जोड़ी मिश्रित युगल का फाइनल में चहुँप गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up