टटका खबर, शुक, २३ जुलाई

by | Jul 23, 2010 | 0 comments

केन्द्र सरकार के हथियार बनल सीबीआई का खिलाफ भाजपा

भाजपा के केन्द्रीय नेता प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के दिहल भोज में ना जइहें काहे कि केन्द्र सरकार सीबीआई के गुजरात में राजनीतिक हथियार का रुप में इस्तेमाल कर रहल बिया. शोहराबुद्दीन मामिला में ऊ गुजरात के गृह मंत्री अमित शाह के काल्हु अपना हियाँ हाजिर होखे के कहले रहुवे. अमित शाह हाजिर ना भइलन आ अब सीबीआई उनका के गिरफ्तार करे का जुगत में बिया. अमित शाह जब कहलन कि उनका के सीबीआई आपन प्रश्नावली दे देव आ समय देव हाजिर होखे के बाकिर सीबीआई उनकर निहोरा नइखे मनले.

चीन पाकिस्तान परमाणु समझौता के अमेरिका विरोध करी

अमेरिका साफ साफ कह दिहले बा कि ऊ न्युक्लियर सप्लायर ग्रूप में पाकिस्तान के दिहल जाये वाला चीन के दु गो परमाणविक भट्ठी के विरोध करी. अलगा बात बा कि सदस्य देश एनएसजी के फैसला माने खातिर बाध्य नइखन. पाकिस्तान अमेरिको से माँग करत रहेला कि ओकरो साथे अमेरिका भारते जइसन परमाणू समझौता करो बाकिर अबही ले अमेरिका एकरा खातिर तइयार नइखे भइल काहे कि एह मामिला में पाकिस्तान के आचरण भरोसा लायक नइखे रहल.

पूर्व क्रिकेट अम्पायर धोखाधड़ी का आरोप में बन्द

चेन्नई के रहे वाला पूर्व क्रिकेट अम्पायर के जी लक्ष्मी नारायणन के बैंक आप बड़ौदा के झाँपसपट्टी देबे खातिर गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. केजी एगो जमीन खरीदलन आ ओह पर मकान बनावे का नाम पर बैंक से १९ लाख रुपिया कर्जा ले लिहलन. कर्जा के किस्त देबे में पीछा चलत नारायणन के जब संपत्ति जब्त करे के कोशिश कइल गइल त पता चलल कि ऊ एगो अउरी महिला के धोखा दे दिहले बाड़न आ ऊ मकान ओकरा के बेच दिहले बाड़न. से बैंक उनका पर मुकदमा कर दिहलसि आ उनका के उनका दोसरा घर से गिरफ्तार कर लिहलसि.

पटना के आर ब्लाक चौराहा पर लाठी चार्ज भइल

शिक्षा संस्थानन में अव्यवस्था का विरोध का नाम पर राजद के छात्र शाखा काल्हु पटना में जुलूस निकलसि आ हड़ताली चौराहा पर जम के बवाल मचवलसि. पुलिस बाद में आँसू गैस के गोला फेंक के आ लाठी चार्ज कर के ओह लोग के खदेड़लसि. शिक्षा में पसरल अव्यवस्था के जिम्मेदार सरकार के बतावत ऊ लोग नीतीश कुमार आ सुशील मोदी के इस्तीफा के माँग करत रहुवे.

शादी करे के झाँसा दे के बनावल यौन संबंध बलात्कार ना ह

मुंबई हाई कोर्ट एगो मुकदमा का फैसला में कहले बा कि शादी करे के भरोसा दिला के बनावल यौन संबंध बलात्कार ना होला. कोर्ट एगो आदमी के मिलल सजायो खतम कर दिहलसि जवना पर आरोप रहे कि ऊ एगो नाबालिग लड़की के शादी करे के भरोसा दे के गर्भवती बना दिहले रहे. बाद में जब लड़की अपना बाप के सब बाति बतवलसि त ओह आदमी के गिरफ्तार कर लिहल गइल आ निचला अदालत से ओकरा के दस साल के जेल के सजा सुना दिहल गइल. तब ऊ हाई कोर्ट में अपील कर दिहलसि जहवाँ से ऊ छूटे में सफल रहल. देखल जाव कि नारी मुक्ति वाला लोग अब का कहत बा.

प्रधानमंत्री कार्यालय में एन्डरसन के भागे का मामिला में अमेरिका से आइल फोन के कवनो रिकार्ड नइखे

प्रधानमंत्री कार्यालय कहले बा कि ओकरा लगे एन्डरसनके भारत यात्रा का दौरान अमेरिका से आइल कवनो फोन के रिकार्ड नइखे. कार्यालय ई जवाब सूचना का अधिकार का तहत पुछल गइल एगो सवाल का जवाब में कहले बा. एह जवाब में इहे कहल गइल बा कि ओकरा लगे कवनो रिकार्ड नइखे. अश्वत्थामा हतो वाला अन्दाज में ई नइखे बतावल गइल कि ओह दौरान कवनो फोन आइल रहे कि ना! ज्यादा संभावना एकरे बा कि फोन त आइल बाकिर ओकर कवनो रिकार्ड नइखे.

बिहार में बाढ़ के खतरा

पश्चिमी चंपारण के दियारा इलाकन में बाढ़ के खतरा पैदा हो गइल बा. दरभंगा का कुशेश्वर स्थान में कमला बलान आ कोसी के बाढ़ से सगरी सड़क जलमग्न हो गइल बाड़ी सँ. सुपौल में कोसी तटबंध में तीन जगहा से पानी के रिसाव हो रहल बा. बेतिया में गंडक दबाव बढ़ा दिहले बिया. अउरियो क६ जगहा से बाढ़ के खतरा के अनेसा के खबर बा.

अजहरुद्दीन के शादी टूट का कगार पर

संगीता बिजलानी से चलत आ रहल अजहर के शादी चौदह साल बाद खतरा में पड़ गइल बा काहे कि अजहर के अब अपना से अधिया उमिर के एगो बैदमिन्टन खिलाड़ी पसन्द आ गइल बिया. ऊ बैडमिंटनो खिलाड़ी शादी शुदा हिय आ आजुकाल्हु अपना पति तीन बेर के राष्ट्रीय बैडमिंटन विजेता चेतन आनन्द से अलगा रहतारी. अजहर अगिला हफ्ता तलाक के अर्जी दायर करे वाला बाड़न. अजहर आजुकाल्हु यूपी का मुरादाबाद से कांग्रेस के सांसद हउवें. अजहर एह खबर के बकवास बतवले बाड़न.

डायरेक्ट टू होम सर्विस खातिर कम से कम डेढ़ सौ रुपिया देबे के पड़ी

टीआरएआई अपना आदेश में कहले बा कि डीटीएच सेवा के ग्राहक अपना पसन्द के चैनल देख आ चुन सकेलें आ ई सर्विस देबे वाला लोग के एक एक चैनल के अलग अलग रेट देबे के होखी. अबही बूके बना के कई गो चैनल एके में राखल जाला चाहे ऊ रउरा पसन्द आवे भा ना. कंपनियन के राहत चहुँपावत इहो कहल गइल बा कि ग्राहक के कम से कम डेढ़ सौ रुपिया हर महीना देबही के पड़ी. मतलब ओकरा अतना चैनल जरुर चुने के पड़ी कि ओकर किराया डेढ़ सौ रुपिया से उपर हो जाय. ई नियम सितम्बर से लागू करे के कहल गइल बा बाकिर तकनीकि कारण बता के कंपनी एकरा के अगिला जनवरी से लागू कर सकेले. बाकिर लागू करही के पड़ी.

खेल का दुनिया से

श्रीलंका का साथे टेस्ट मैच हरला का बावजूद वीरेन्द्र सहवाग के आईसीसी रैंकिंग में बैट्समैनी में टॉप जगहा बरकरार बा. गेंदबाजी में “दूसरा” फेंक के आठ सौ विकेट के रिकार्ड बनावे वाला मुरलीधरन खेल से सन्यास ले लिहले बाड़न. उनका रिकार्ड के तूड़ल कवनो गेंदबाज खातिर बहुते मुश्किल होखी.

हाकी इण्डिया के महिला टीम के कोच एम के कौशिक के इस्तीफा सकार लिहल गइल बा. एगो महिला खिलाड़ी उनका दुराचरण के बात सभका सोझा कहे के हिम्मत कर लिहलसि जवना खातिर हाकी के बाकी खिलाड़ी ओकरा के धन्यवाद दिहले बाड़े. लड़की कहले बिया कि कौशिक ओकरा के बार बार यौन संबंध बनावे खातिर उकसावत रहलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up