टटका खबर, शुक २६ मार्च

by | Mar 26, 2010 | 0 comments

धर्म आधारित आरक्षण सरसरी तौर पर सही ठहरवलस सुप्रीम कोर्ट

आंध्र प्रदेश में कुछ मुसलमान पिछड़ि जातियन खातिर दिहल जाये वाला आरक्षण के सु्प्रीम कोर्ट सरसरी तौर पर सही ठहरा दिहलस. बाकिर एह मुद्दा से जुड़ल कुछ संवैधानिक सवालन के कसौटी पर कसे खातिर मामिला सु्प्रीम कोर्ट के संविधान पीठ के सँउप दिहल गइल बा. अब आंध्रप्रदेश में पिछड़ा मुसलमानन के आरक्षण देबे के रास्ता खुल गइल आ साथ ही खुल गइल पूरा देश में मुसलमानन खातिर आरक्षण देबे के राह. हर जगहा अब एकर माँग होखी आ हर जगहा मानल जाई. नुकसान हिन्दू पिछड़ा जातियन के होखी काहे कि ओहि लोग का कोटा में से ई कोटा कटी.

पकड़ाइल आतंकियन के नाम बतावे वाला एटीएस प्रमुख के हटा दिहल गइल

पिछला दिने महाराष्ट्र का मुंबई शहर में दू गो आतंकी पकड़ाइल रहलें स. दुनु एक खासमखास समुदाय के रहलें. एटीएस प्रमुख से गलती हो गइल कि ऊ ओकनी के नाम बता दिहलें आ अब उनका के पद से हटा दिहल गइल बा. उनका खिलाफ कुछ अउरी कार्रवाई हो सकेला.

मुसलमान आ यादवन के सबसे बड़का दुश्मन राजद

बिहार सरकार के प्रभारी गृह मंत्री विजेन्द्र प्रसाद यादव काल्हु विधानसभा में जवाब देत कहलन कि मुसलमान आ यादवन के सबसे बड़ दुश्मन राजद रहल. कहलन कि लालू राबड़ी सरकार में एह दुनु के बस वोट बैंक का तरह इस्तेमाल कइल गइल आ एह लोग के विकास खातिर कुछ ना भइल. पुछलन कि भागलपुर दंगा के दोषियन के के बचावत रहे? टोकाटोकी करत राजद विधायकन के चेतवलें कि चुप रहऽ लोग ना त सगरी पोलपट्टी खोल देब.

बिहार में सरकारी शिक्षक अब प्राइवेट ट्यूशन ना पढ़ा सकीहें

पहिला अप्रेल से बिहार में नया नियम लागू हो जाई जवना चलते प्राइमरी आ मिडिल स्कुलन के शिक्षक लोग प्राइवेट ट्यूशन ना पढ़ा सकीहें. राज्य में हर विद्यालय में छात्र शिक्षक अनुपात तीस पर एक बनावे खातिर बड़हन पैमाना पर शिक्षकन के नियुक्ति कइल जाई. ट्रेंड उम्मीदवारन के कमी देखत तय कइल गइल बा कि अनट्रेंडो लोग के बहाली कर दिहल जाई आ ऊ लोग पाँच साल का भीतर जरुरी योग्यता हासिल कर सकी.

कांग्रेस अध्यक्ष के काफिला एगो नौजवान के कचारत बढ़ गइल

बिहार प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष अनिल शर्मा का काफिला में शामिल एगो कार सिवान जिला के भादा खुर्द गाँव का लगे एगो नौजवान के कचारत चल गइल. घवाहिल नौजवान के अस्पताल में बरती करावल गइल बा जहाँ ओकर हालत चिन्ताजनक बा. अनिल शर्मा जीरादेई जात रहलन जहाँ से पार्टी के कार्यक्रम गाँवे गाँव पाँवे पाँव के शुरुआत कइलन.

जवन कहले रहलन सोच समुझ के कहले रहलन मुलायम

महिला आरक्षण के विरोध करत मुलायम पिछला दिने कहले रहलन कि एह विधेयक के पास होखला का बाद अइसन अइसन लड़की संसद में आ जइहें सँ जवना के देख के लड़िका सब पाछा से सीटी बजइहन सँ. उनका एह बयान के चौतरफा निन्दा हो रहल बा बाकिर एह सब से मुलायम पर कवनो असर नइखे. कहलें कि जवन कहलें सोच समुझ के कहलें आ ओकरा खातिर उनका कवनो अफसोस नइखे. अइसनके संस्कारी परिवार के लड़िका सीटी बजावे के काम करेलें सँ.

उमा भारती अपने बनावल पार्टी से इस्तीफा दिहली

उग्र हि्दूत्व खातिर जानल जाये वाली नेता उमा भारती अपने बनावल पार्टी से इस्तीफा दे दिहले बाड़ी. कहले बाड़ी कि मौजुदा राजनीतिक हालात आ अपना स्वास्थ्य के देखत ऊ पार्टी के जिम्मेदारी नइखी ढो पावत. कहल जा रहल बा कि अब उनका के भाजपा में वापिस ले लिहल जाई आ राष्ट्रीय उपाध्यक्ष बना दिहल जाई. एह नया समाचार पर अबहीं ले गोविन्दाचार्य के कवनो टिप्पणी सामने नइखे आइल.

फिरौती का फेर में अपने दोस्त के हत्या कर दिहलें सँ

नोएडा एमिटी में बीटेक के छात्र रोहित सिंह के ओकरे तीन गो दोस्त मिल के अपहरण कर लिहले सँ आ रोहित का बाप से एक करोड़ के फिरौती मँगलन स. बाद में पकड़इला का डर से रोहित के गरदन दबा के मार डललन सँ आ लाश फेंक दिहलें सँ. २१ मार्च से गायब रोहित के लाश २४ मार्च के मिलल. पुलिस एह मामिला में ओह तीनो दोस्तन के गिरफ्तार कर लिहले बिया जवन आपन अपराध सकार लिहले बाड़न सँ. ओह टैक्सी वाला के तलाश जारी बा जवन लाश ठिकाने लगावे में मदद कइले रहे.

सरकारी कंपनियन के विनिवेश के तौर तरीका बदलल जाई

पिछला दिने सरकारी कंपनियन के विनिवेश में मिलल असफलता का बाद अब सरकार एह पुरा प्रकरण पर फेर से विचार कर रहल बिया. कोशिश हो रहल बा कि विनिवेश करे वाली कपनी के एह मामिला में बेसी अधिकार दिहल जाव आ ओकरा के बढ़िया से मार्केटिंग करे के छूट दिहल जाव. ओने काल्हु शेयर बाजार में तेजी देखे के मिलल आ सेंसेक्स में १०८ अंक के बढ़ोतरी भइल.

दू गो दिग्गजन के भिड़न्त आज

पिछला आइपीएलन में दिग्गज रहल राजस्थान रायल्स आ डेक्कन चार्जर्स के भिड़न्त आजु होखे वाला बा. लगातार दू गो मैच जीतला का बाद राजस्थान रायल्स के हौसला बुलन्द बा. काल्हु का मैच में दिल्ली के डेयर डेविल्स बंगलुरु के रायल चैलेंजर्स के हरा दिहलस.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up