टटका खबर, शुक, २८ मई

by | May 28, 2010 | 0 comments

यूपी बोर्ड के इन्टर रिजल्ट निकलल

काल्हु यूपी बोर्ड के इन्टर के रिजल्ट निकलल जवना में वाराणसि जोन के बयासी फीसदी परीक्षार्थी उत्तीर्ण हो गइलें. बाकिर नकल खातिर बदनाम बलिया जिला के परिणाम ओतना बढ़िया ना रहल. पिछला साल पास परसेंटेज में बलिया के ३६ वाँ स्थान रहुवे जवन अबकी बारी ७१वाँ हो गइल बा. नकल माफिया अबकी सफल ना हो पवलें काहे कि उत्तरपुस्तिका पर कोडिंग कर दिहल गइल रहे. बाकिर अबकि बेर बोर्ड एगो नया रिकार्ड बनवले बा. डिस्टिंकशन में पास होखे वाला विद्यार्थियन के संख्या में गजब इजाफा भइल बा आ अड़तीस हजार से बेसी परीक्षार्थी डिस्टिकंशन से पास भइल बाड़े.

बिहार कांग्रेस में बगावत

बिहार कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष अनिल शर्मा से नाराज प्रदेश के पाँच दर्जन से बेसी सीनियर नेता अपना अपना पार्टी पद से त्यागपत्र सोनिया गाँधी का लगे भेज दिहले बाड़े. सोनिया बिहार प्रभारी टाइटलर आ अनिल शर्मा के बोला के समझौता के राह निकाले के कहले बाड़ी. दोसरा खबर में बतावल गइल बा कि राज्यसभा चुनाव में कांग्रेस के दस गो विधायक केहू के मतदान ना करीहें. कांग्रेस नइखे चाहत कि जनता में संकेत जाव कि ऊ राजद भा लोजपा के साथ खड़ा बिया. बिना कांग्रेस के समर्थन के रामविलास पासवान राज्यसभा में ना जा पइहें. राजद अपना कोटा से रामकृपाल यादव के टिकट दिहले बा जे आराम से निकल जइहें.

कनाडा भारत के सेना अधिकारियन के वीजा नइखे देत

भारत सरकार के कमजोरी के नमूना फेर सामने आइल बा जब कनाडा सरकार भारतीय सेना आ सुरक्षा बल के अधिकारियन के वीजा नइखे देत. कनाडा के कहनाम बा कि ई लोग काश्मीर में तैनात रहुवे जहवाँ एह लोग के आचरण आतंकवादी गतिविधि का श्रेणी में राखे लायक बा. भारत एह बात पर आपन नाराजगी जतवले बा आ कनाडा से एक हफ्ता का भीतर आपन गलती सुधार लेबे के कहले बा. अब कनाडा सुधरत बा कि भारत अपमान के घूंट पी के अपना प्रधानमंत्री के कनाडा यात्रा पर गइल देखी, ई त आवे वाला समय बताई.

कांग्रेसो अझूरा गइल झारखण्ड का राजनीति में

शिबु सोरेन का साथ समझौता कइल जाव कि ना एह उधेड़बुन में कांग्रेसो अझूरा गइल बिया. ओकरो नइखे बुझात कि का कइल जाव. मौका हाथे लागत देख छोड़लो नइखे बनत आ दागी विधायकन का साथे सरकार चलावे के दाग घोंटलो नइखे बनत. उगिलत आन्हर निगलत कोढ़ी का कैच ट्वेंन्टी टू का हाल में फँस गइल बिया कांग्रेस. ओने भाजपा में अपने में सिरफुटौवल के हालत बनल जात बा. पार्टी के कुछ नेता अर्जुन मराण्डी का तौर तरीका से नाराज बाड़े.

जाति गिनवावे के मसला पर कांग्रेस उलझन में

देश के पिछड़ा वर्ग के नेता नाराज बाड़न कि जब लोकसभा में आम सहमति बन गइल रहे आ प्रधानमंत्री आश्वासन दे दिहलें कि जाति आधारित जनगणना करवावल जाई त फेर एह मसला के मंत्रिसमूह का जिम्मे डाल के टाल मटोल के नीति काहे अपनावल जा रहल बा. पार्टी अब सफाई दे रहल बिया कि उलझन भरल एह मसला के सटीक हल निकाले खातिर मंत्रिसमूह बनावल बेहतर विकल्प रहे. ओने शिवसेना के मुखिया बाल ठाकरे जाति आधारित जनगणना के विरोध कइले बाड़ें. जबकि भाजपा एकरा पक्ष में तइयार हो गइल बिया.

चीन सुरक्षा परिषद में भारत के स्थायी सदस्यता के समर्थन कइलस

चीन यात्रा पर गइल भारत के राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल का हाथे एगो सफलता लागल जब चीन कहलस कि ऊ सुरक्षा परिषद के स्थायी सदस्यता खातिर भारत के समर्थन करी. पाटिल के स्वागत में आयोजित रात्रिभोज में चीनी सेना के बैण्ड हिन्दी फिल्मन के लोकप्रिय गीतन के धुन बजवलसि. खेल क्षेत्र में चीन का साथे समझौता पर दस्तखत भइल जवना का मुताबिक चीन भारत के कोचिंग से ले के खेल के हर क्षेत्र में मदद करी. अउरीओ समझौता पर दस्तखत भइल बा जवना से भारत चीन का बीच व्यावहारिक संबंध सुधरे के उम्मीद कइल जा सकेला. एह दौरान दुनु तरफ से कवनो विवादित मुद्दा उठावे से परहेज कइल गइल.

नक्सली विस्फोट से ज्ञानेश्वरी एक्सप्रेस के १३ डिब्बा पलटल

पश्चिम बंगाल के पश्चिमी मिदनापुर में मुंबई जाये वाली ज्ञानेश्वरी एक्सप्रेस के बम विस्फोट से उड़ा दिहल गइल. ओकर तेरह गो डिब्बा पलट गइल जवना में पाँच गो डिब्बा बगल से गुजरत मालगाड़ी से टकरा गइल. एह दुर्घटना में बीस आदमी के जान चल गइल आ करीब डेढ़ सौ लोग घवाहिल हो गइल. रात के डेढ़ बजे भइल एह विस्फोट का साढ़े तीन घंटा बाद रेलवे के राहत दल ओहिजा चहुँपल आ ट्रेन के सही सलामत बाचल नौ गो डब्बा में घायलन के लेके खड़गपुर चहुँपावल गइल जहाँ ओह लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

पुलिस से परेशान दू गो बहिन आत्महत्या कइली सँ

मध्यप्रदेश का छतरपुर के एगो स्कूल मास्टर के दू गो बेटी जहर खा के जान दे दिहली सँ काहे कि पुलिस वाला ओकनी के परेशान आ बदनाम करे में लागल रहलें. पिछला २१ मई के बड़की बहिन अपना एगो साथी का साथ मोटरसाइकिल पर जात रहे, बीच में मोटरसाइकिल खराब हो गइल आ दू गो पुलिस वाले चहुँप के लड़की का साथे बदतमीजी कइलें आ ओकर नंगा तस्वीर खींच लिहलें. बाद में बड़ अधिकारियन का लगे शिकायत भइल त कन्हैयालाल तिवारी आ अरविन्द पटेल नाम के दू गो सिपाहियन का खिलाफ मामिला दर्ज कर के कन्हैयालाल के गिरफ्तार कर लिहल गइल. अरविन्द फरार बा. एही मामिला में दू गो सिपाही लड़कियन का घरे जा के धमकवलें कि केस वापिस ले ल लोग ना त फोटो सार्वजनिक कर दिहल जाई. तनाव में आ के दूनो बहिन जहर खा लिहली सँ. धमकावे वाला सिपाहियन के निलम्बित कर दिहल गइल बा.

दलाई लामा बुद्धा स्मृति पार्क के उद्घाटन कइलें

पटना के बीच शहर में बनल सेन्ट्रल जेल के हटवला का बाद खाली भइल जमीन पर बुद्धा स्मृति पार्क बना दिहल गइल बा. बाइस एकड़ में फइलल एह पार्क के उद्घाटन काल्हु बुद्धा जयन्ती का शुभ अवसर पर दलाई लामा कइलें. एह मौका पर ऊ बोधगया आ श्रीलंका के अनुराधापुरा से ले आइल बोधि वृक्षन के कलमो लगवलें. ओने कुछ हिन्दु संगठन एह बात के विरोध कर रहल बाड़न कि बुद्धा पार्क बनावे खातिर एगो शिवमन्दिर तूड़ल जा रहल बा जवन जेल परिसर में बहुत पहिले से मौजूद रहुवे.

भारत आ जिम्बाब्वे के मुकाबिला आजु

बीसबीसा क्रिकेट के विश्वकप के हार भारत के भुलाइल नइखे आ एही मनोदशा का बीच आठ गो सीनियर खिलाड़ियन के बइठा के बनल भारतीय टीम पचास ओवर वाला एकदिना मैच में जिम्बाब्वे का साथ आपन पहिलका मैच आजु खेले जा रहल बा. तीन देशन का बीच होखे वाला क्रिकेट शृंखला में भारत के कप्तानी सुरेश रैना के दिहल गइल बा. भारत के स्टार खिलाड़ियन का ना खेले का चलते जिम्बाब्वे क्रिकेट संगठन नाराज बा काहे कि ओकरा आमदनी में कमी हो गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up