टटका खबर, शुक, २ जुलाई

by | Jul 2, 2010 | 0 comments

यूपी का पंचायत चुनाव में आरक्षण विधि में बदलाव

काल्हु मायावती सरकार फैसला कइलसि आ मुलायम सिंह का जमाना के आरक्षण व्यवस्था के बदल दिहलसि. नयका व्यवस्था में पंचायत प्रमुख आ जिला पंचायत अध्यक्ष के पद जनसंख्या के अवरोही क्रम में अनुसूचित जाति, जनजाति, पिछड़ा वर्ग खातिर एह तरह से आरक्षित कइल जाई कि कवनो पद पिछला बेर आरक्षित समूह खातिर दुबारा आरक्षित ना होखी. पिछलका व्यवस्था में प्रावधान रहे कि जहवाँ अनुसूचित जाति, जनजाति, भा पिछड़ा वर्ग के लोग पचास फीसदी से अधिका बा उहवाँ ओह समूह खातिर हमेशा आरक्षण दे दिहल जाई आ ओही समूह के महिला आ पुरुष में घुमत रही.

आपन बात पूरा करा के रहीहें मनमोहन

प्रधानमंत्री कुछ दिन पहिले कहले रहले कि महँगाई समय के मजबूरी बा आ एकरा के बरर्दाश्त करही के पड़ी. कहलन कि डीजलो के दाम नियन्त्रण मुक्त कर दिहल जाई. अबही डीजल पर त दाम ना बढ़ल बाकिर काल्हु पहली जुलाई से आठ गो नया नया सेवा पर सेवा कर लगा दिहल गइल बा. अब इलाज से लेके घर खरीदला आ बिजली के उपयोग सगरी पर सेवा कर लागे लागी. घबड़ाईं जन, केन्द्र के कांग्रेसी सरकार अबही बहुत कुछ अइसन करे वाली बा कि रउरा आँख से खून के आँसू रोअब. जय हो!

हावर्ड में हिन्दूस्तानी डीन

हावर्ड बिजनेस स्कूल का १०२ साल का इतिहास में पहिला बेर कवनो हिन्दुस्तानी मूल के आदमी डीन बनावल गइल बा. हिन्दुस्तानी मूल के नितिन नोहरिया के डीन बनावल गइल बा. ऊ पहिले हावर्ड के सहायक डीन रहले. हावर्ड के अध्यक्ष ड्रीव फास्ट कहले बाड़न कि नितिन नोहरिया विद्वान होखला का साथे बहुते बढ़िया शिक्षक, सलाहकार, आ प्रशासको हउवन. खुशी के बात बा कि ऊ डीन बनल सकार लिहलन.

नेपाल के राष्ट्रपति सात दिन के मौका दिहले सरकार बनावे खातिर

माओवादियन का दबाव का चलते माधव नेपाल नेपाल के प्रधानमंत्री पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न आ ओकरा बाद से नया प्रधानमंत्री बनावे का फेर में राजनीतिक दल परेशान बाड़े. राष्ट्रपति कहले बाड़न कि सात जुलाई ले लोग मिल जुल के सर्वदलीय सरकार बना लेव ना त फेर मजबूरन बहुमत वाली सरकार बनावे के पड़ी. राष्ट्रपति से विवाद का चलते साल २००९ में माओवादी सरकार गिर गइल रहे आ तब माधव कुमार नेपाल के प्रधानमंत्री बनावल गइल रह. बाकिर माओवादी कबो उनुका के चैन से ना रहे दिहले आ आखिर में आजिज आ के ऊ इस्तीफा दे दिहलन.

मानसून फेर सक्रिय भइल

पिछला पन्द्रह दिन से सुस्त पड़ल मानसून काल्हु फेर करवट बदललसि आ काल्हु मध्यप्रदेश के कुछ इलाकन में झमाझम बरखा भइल. देश के उत्तर भारत अबहियो मानसून का इन्तजार में बा बाकिर हवा के रुख में आइल बदलाव देख के मौसम विशेषज्ञन के आशा बन्हल बा कि ओहिजो मानसून जल्दिये सक्रिय हो जाई. बलिया में त घाघ कवि का संकेत पर चलल जाव त भयंकर सूखा पड़े के संकेत बा. मशहूर किसान आ मौसम पारखी घाघ कवि कह गइल बाड़े कि दिन में बद्दर, रात निबद्दर, बहे पुरवईया झब्बर झब्बर, कहे घाघ सूखा होई कुँआ खोनि के कपड़ा धोई. गनीमत अतने बा कि रात के पुरवईया झब्बर झब्बर नइखे बहत.

बिहारी लोग सावधान!

रामविलास पासवान भविष्यवाणी कइले बाड़न कि अगिला सरकार लालू रामविलास गठजोड़ के बनी. अगर ई भविष्यवाणी सही साबित हो गइल त बिहार फेर से ओही तरह बरबादी का राह पर चल पड़ी जइसे लालू राबड़ी का राज में सतरह साल ले चलल रहे. हालात अतना खराब हो गइल रहे कि बिहार के देश के सबसे खराब राज्य मानल जाये लागल रहे. अपराधियन के राज चलत रहे तब. लोग कहेला कि एक बेर पटना के एगो मशहूर डाक्टर के कार चोरी भइल रहे त ऊ नेताजी का आवास पर मिलल रहे आ डाक्टर साहब पचास हजार रुपिया चन्दा दे के आपन गाड़ी वापिस ले आइल रहले. बुद्धिमान आदमी रहले से कहीं केस कचहरी का चक्कर में ना फँसले.

कइसे चलल जाव ई कइसे सिखलावल जाय सीआरपी जवानन के

छत्तीसगढ़ के पुलिस डीजीपी विश्व रंजन कहले बाड़े कि एह सवाल के जवाब उनका लगे नइखे कि काहे सीआरपीएफ के जवान बार बार एह तरह से मारल जा रहल बाड़े. कहले कि एकर जवाब छत्तीसगढ़ पुलिस कइसे दे सकेला? ओह लोग के जवन सुविधा चाहीं ऊ हर संबव सुविधा उपलब्ध करा दिहल जाला. अब ओह लोग के चलहू ना आवे त ई कइसे सिखलावाल जाय? अब एहसे खराब बात केहू का कह सकेला? धन्य बानी डीजीपी साहब रउरा!

फिदायिन हमला में ४२ के मौत १८ घवाहिल

पाकिस्तान का लाहौर में एगो सूफी धर्मस्थल पर फिदायिन हमला का चलते कम से कम ४२ आदमी के जान चल गइल बा आ करीब १८० लोग घवाहिल हो गइल बा जवना में पचीस जने के हालात बहुत खराब बा. तीन गो हमलावर एह दाता दरबार पर तब हमला कइले जब हजारन लोग ओहिजा जमा रहे. दाता दरबार लाहौर के पालक सूफी संत का याद में बा.

अलगाववादियन का मार्च का चलते पूरा श्रीनगर में कर्फ्यू

काश्मीर में पाकिस्तान समर्थक अलगाववादी आजु मार्च निकाले के एलान कइले रहन जवना का चलते हालात अउरी बिगड़े के अनेसा रहुवे. एह चलते पूरा श्रीनगर में कर्फ्यू लगा दिहल गइल बा. दक्षिण काश्मीर में पहिले से चलत आ रहल कर्फ्यू में कवनो ढील नइखे दिहल गइल. श्रीनगर के ईदगाह मैदान के पूरा सील कर दिहल गइल बा कि ओहिजा केहू बिटोरा ना सके.

खेल का दुनिया से

ललित मोदी के फैसला शनिचर का दिने होखे जा रहल बीसीसीआई का विशेष आमसभा में लिहल जाई जहवाँ उनका के निकाले का दिशा में फैसला होखे के पूरा अनेसा बा. ओने आईसीसी फैसला लिहले बा कि सुरक्षा कारण से पाकिस्तान में २०१५ तक कवनो टूर्नामेंट के मंजूरी ना दिहल जाई. विम्बल्डन टेनिस में भारत के लिएण्डर पेस आ जिंबाब्वे के कारा ब्लैक के जोड़ी मिश्रित युगल का सेमी फाइनल में चहुँप गइल बा. फुटबाल में हार का बाद अपना देश में मार के डर उत्तर कोरिया आ नाइजीरिया के खिलाड़ियन के सता रहल बा. फ्रांसो अपना टीम से हार के जबाब मँगले बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up