टटका खबर, सोमार, १४ जून

by | Jun 14, 2010 | 0 comments

बलिया में नाव दुर्घटना में करीब २० लोग के मौत

आज सबेरे बलिया जिला के दुबहड़ थाना के उजौलिया घाट पर मुण्डन संस्कार खातिर जात लोगन से भरल नाव पलट गइल जवना से करीब २० आदमी के मरे के खबर बा. करीब १४ गो लाश निकालल जा चुकल बा आ प्रशासन का मुताबिक मरे वालन का संख्या में इजाफा हो सकेला काहे कि अबही कई जने लापता बाड़े. नाव पर कई अलग अलग परिवार के लोग सवार रहुवे.

मौका मिलला का बादो नरेन्द्र मोदी नीतीश पर पलटवार ना कइले

भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी में शामिल होखे आइल गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश के बयान के जवाब ना दिहलन. एक तरह से ऊ आपन बड़प्पन देखा दिहलन जे नीतीश ना कर पवले रहन. बात अइसन बात ना रहे आ ओकरा पर अतना भड़क गइले कि सही गलत के विचारो भुला गइले. पटना गाँधी मैदान में अपना लमहर भाषण में नरेन्द्रमोदी एको बेर नीतीश के नाम ना लिहलें बाकिर बिहार वासियन के धन्यवाद जरुर दिहले जे गुजरात का संकट का घड़ी में जम के सहायता कइले रहले. हँ तीन बेर सुशील मोदी के प्रशंसा जरुर कइले कि मोदि आ उनका टीम का चलते बिहार विकास का ओर बढ़ रहल बा.

पन्द्रह हजार आदमी के मौत के जिम्मेदार के बचावल जरुरी रहुवे

एंडरसन मामिला में राजीव गाँधी पर लागत दोष बचावे खातिर कांग्रेसी नेता एक से बढ़ के एक बयान दे रहल बाड़े. अधिकतर लोग अर्जुन सिंह के दोषी बता के राजीव के निर्दोष साबित कइल चाहत रहले कि प्रधानमंत्री के मालूमे ना रहे कि उनकर एगो मुख्यमंत्री का करत रहले. बाकिर सबसे बेबाक बयान वरिष्ठ कांग्रेसी नेता प्रणव मुखर्जी कहले बाड़े कि भोपाल में लोग अतना खिसिया गइल रहे कि एंडरसन के बचावल जरुरी रहे. आ बचावे में ओकरा के कानून के पंजा से निकाललो जरुरी रहुवे शायद!

जाट नेता दिल्ली के पानी रोक दिहले

आरक्षण के मांग करत जाट नेता काल्हु दिल्ली के पानी रोक दिहले. एह चलते सोनिया विहार आ भागीरथी वाटर ट्रीटमेंट प्लान्ट बन्द कर देबे के पड़ल. जाट नेता कहत बाड़े कि अगर ओह लोग के आरक्षण ना दिहल गइल त दिल्ली के पानी खातिर तरसा के रख दीहि. आज सबेरे ऊ लोग आपन आन्दोलन स्थगित कर दिहल आ दिल्ली के पानी सप्लाई शुरु हो गइल बा.

झारखण्ड में एगारह गो नक्सली मार गिरावल गइले

झारखण्ड के चाइबासा जिला में सीआरपी के कार्रवाई में नक्सलियन के आठ गो कैम्प बरबाद कर दिहल गइल आ दस गो नक्सलियन के मार गिरावल गइल. एगो नक्सली नोनल कमाण्डर के गुमला में पुलिस मुठभेड़ में मार दिहल गइल. नक्सली बिहार झारखण्ड आ छत्तीसगढ़ में दू दिन के बन्द के एलान कइले बाड़न सँ.

किर्गीस्तान में सैकड़न भारतीय छात्र फँसले

जातीय हिंसा का गिरफ्त में आइल किर्गिस्तान का ओश आ जलालाबाद शहर में करीब एक सौ भारतीय छात्र घेरा गइल बाड़े आ ओह लोग के सुरक्षित निकाले के कोशिश कइल जा रहल बा. किर्ग आ उजबेक समुदाय का बीच हो रहल एह दंगा में अबले करीब अस्सी आदमी के जान जा चुकल बा. पुलिस के दंगाइयन के देखते गोली मार देबे के आदेश दिहल गइल बा.

ईटिकट खातिर दू गो अउरी पहचान पत्र के मान्यता दिहलस रेलवे

ई टिकट सुविधा के उपभोग अधिका से अधिका लोग कर पावे एह खातिर रेलवे काल्हु मंगलवार से स्कूल कालेजन के फोटो सहित पहचानपत्र आ फोटो सहित पासबुक के मान्यता दे रहल बिया. एहसे अब बहुते बड़ वर्ग अब एह सुविधा के उपयोग कर पाई. पहिले ई सुविधा सीमित रहुवे आ पैन कार्ड, पासपोर्ट, ड्राइविंग लाइसेंस, वोटर आईडी कार्ड, आ केन्द्र भा राज्य सरकार के कर्माचारियन के फोटो युक्त पहचानपत्रे मान्य रहुवे.

बलात्कार के आरोपी सह पायलट के जमानत मिलल

जेट एयरवेज के सह पायलट वरुण अग्रवाल के एगो एयर होस्टेस का साथ शादी के झाँसा दे के कई बेर बलात्कार करे के आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल रहे. दुनु लिव इन रिलेशनशिप का नाम पर साथही रहत रहले. एयर होस्टेस के कहनाम बा कि पहिले त ऊ तइयार ना रहे बाकिर वरुण के बार बार निहोरा का बाद मान गइल रहे आ ओकरा साथे रहे आ गइल. बाकिर बाद में वरुण के नियत बदल गइल आ ऊ ओकरा के धमकावल शुरु कर दिहलस तब ऊ पुलिस का लगे गइल.

हल्दीराम के मालिक के जमानत ना मिल पावल

अपना बड़हन दोकान का सोझा एगो छोटहन चायवाला के दोकान हटावे खातिर हल्दीराम समूह के मालिक प्रभुशंकर अग्रवाल चायवाला प्रमोद शर्मा ठाकुर के हत्या खातिर सुपारी दे दिहले. हत्या के कोशिश भइल बाकिर नाकाम रहल. साजिश के भंडाफोड़ हो गइल आ अदालत से प्रभुशंकर आ चार गो दोसरा आरोपियन के उमिर कैद के सजा मिल गइल. हाईकोर्ट में अपील पड़ल बा बाकिर प्रभु के जमानत नइखे मिल पावत. मजबूरन सुप्रीम कोर्ट में अर्जी लगवले त ओहिजो सुनवाई ना भइल आ कहल गइल कि हाईये कोर्ट में सुनवाई होखी.

जर्मनी आस्ट्रेलिया के चार गोल से हरवलसि

काल्हु के फीफा वर्ल्ड कप में जर्मनी आस्ट्रेलिया के चार गोल से हरा दिहलसि, स्लोवानिया अल्जीरिया के एक गोल से, आ घाना सर्बिया के एक गोल से हरा दिहलस. आजुवो तीन गो मैछ होखे वाला बा. हालैण्ड डेनमार्क में, जापान कैमरुन में, आ इटली परागुवे में. हालैंड डेनमार्क से कबो नइखे हारल, आ इटली चार बेर विश्व कप जीत चुकल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up