टटका खबर, सोमार, ५ अप्रैल

महिला आरक्षण विधेयक पर सर्वदलीय बईठका

महिला आरक्षण विधेयक के खिलाफ विरोधी दलन के आशंका खतम करे का उद्देश्य से आजु सर्वदलीय बईठका बोलावल गइल बा. सरकार के कोशिश बा कि विधेयक में अड़ंगा मत लगावल जाय आ एकरा के जस का तस पारित करा दिहल जाव. ओने यादव तिकड़ी अड़ल बिया कि जबले कोटा का भीतर कोटा ना दिहल जाई तबले विधेयक के विरोध जारी रही.

जहरीली शराब पियला से फेरु भइल मौत

आये दिन कहीं ना कहीं जहरीली शराब का चलते होखे वाली मौत के सिलसिला चलते रहेला. बनारस आ भदोही में फेर एहसे नौ गो मौत के बर आइल बा. कुछ आबकारी कर्मचारियन के निलम्बित कर दिहल गइल बा. एगो महिला प्रधान समेत तीन लोग के गिरफ्तारो कर लिहल गइल बा जे शराब बेचे का नाजायज काम में लागल रहे. एहसे पहिले १७ फरवरी के बनारस में जहरीली शराब से २७ जने के मौत भइल रहे.

नीतीश पासवान जाति के भरोसा दिहलन

बिहार सरकार का महादलितन में पासवान छोड़ सगरी अनुसुचित जाति शामिल बाड़ी स आ बस पासवाने जाति रह गइल बा दलित में. एह चलते रामविलास पासवान सरकार पर अनुसुचित जाति एकता तूड़े के आरोप लगावेलें. काल्हु बाबा चुहरमल जयन्ती में शामिल नीतीश पासवानन के भरोसा दिअवलन कि ओह लोग के पूरा ध्यान राखल जाई. पटना में भोला पासवान शास्त्री के मूर्ति लगावे के एलानो कइलें.

दीक्षान्त समारोह के गाउन पर बखेड़ा बढ़ चलल बा

दीक्षान्त समारोह में उपाधि देबेवाला आ लेबेवाला लोग के पारम्परिक गाउन के मध्ययुगीन बर्बरता के प्रतीक बता के उतार फेंके वाला केन्द्रीय मंत्री जयराम रमेश का खिलाफ अब ईसाई समूह उनका से माफी माँगे के कहले बा, कहत बा लोग कि जयराम रमेश ईसाईयन के अपमान कइले बाड़े. जबककि बात सही बा कि भारत में एह ईसाई परम्परा के चलावत रहला के कवनो जरुरत नइखे.

पोप पर लड़िकन का साथे गलत आचरण करे वाला के बचावे के आरोप

अपना कार्यकाल में दिवंगत पोप जॉन पॉल द्वितीय एगो कार्डिनल का खिलाफ जाँच में अड़ँगा लगवले रहलें. ऊ कार्डीनल कम से कम दु हजार लड़िकन के यौन शोषण कइले रहे. ऊ कार्डिनल पोप के दोस्त रहलें आ दोस्ती में हजार खून माफ कर दिहल मानवीठ स्वभाव ह. बाकिर एह मामिला के सामने अइला से पोप जॉन पॉल के संत के दर्जा मिले में दिक्कत आ सकेला.

निजी क्षेत्र के कर्मचारियन के एक लाख के बीमा

भविष्य निधि खाता पर अब निजी क्षेत्र के कर्मचारियन के एक लाख रुपया के जीवन बीमा मिलल करी. पहिले ई सीमा साठ हजार रुपिया के रहे. भविष्य निधि के कुछ हिस्सा के शेयर बाजार में लगावे के प्रस्तावो पर विचार हो रहल बा जेकरा खिलाफ कर्मचारी संगठन एकजुट हो रहल बाड़े.

गोविन्दोचार्य आपन संगठन छोड़लें

कभी भाजपा के लिविंग कंप्यूटर कहल जाये वाला गोविन्दाचार्य अपने बनावल संगठन राष्ट्रीठ स्वाभिमान आन्दलन के संयोजक का पद से इस्तीफा दे के दिल्ली गइल बाड़े. कुछ दिन पहिले उमा भारतीओ अपने बनावल पार्टी से इस्तीफा दे दिहले रहली आ ओहि दिन से चर्चा रहुवे कि गोविन्दोचार्य उहे राह पकड़ सकेलें.

बलिया के खाद्यान्न घोटाला में १०५ जने पर मुकदमा

करोड़ों के खाद्यान्न घोटाला में १०५ जने पर केस दर्ज करावे के खबर सामने आइल बा. आरोपी भूमिगत हो गइल बाड़े. केस मजबूत बनावे खातिर कोटेदारन के गवाह बना लिहल गइल बा आ सचिव, ग्राम विकास पदाधिकारी, आ पंचायत विकास पदाधिकारी पद पर रहल १०५ लोग के आरोपी बनावल गइल बा.

नक्सली हमला में १० गो जवान के मौत

एक तरफ केन्द्रीय गृहमंत्री पी चिदम्बम लालगढ़ में माओवादियन के बात करे के नेवता देत रहलें त दोसरा तरफ नक्सली उड़ीसा में विस्फोट कर के दस गो पुलिस जवानन के जान ले लिहलें. कहल जा रहल बा कि नक्सली समूह अब बड़का शहरन में आपन अड्डा बनावे का कोशिश में लागल बाड़े जेहसे ओह शहरन पर हमला करे में सुभीता हो पावे.

Loading

कुछ त कहीं......

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up