टटका खबर, सोमार. ५ जुलाई

by | Jul 5, 2010 | 0 comments

भारत बन्द प्रभावी रहल

अब एकरा के नीमन कहीं भा बेजाँय भाजपा आ वामपंथी दल समेत सगरी गैर कांग्रेसी विपक्ष के बोलावल भारत बन्द आजु देश का अधिकतर हिस्सा में प्रभावी रहल. अलग अलग जगहा प्रदर्शन के नेतृत्व करत नीतिन गडकरी, राजनाथ सिंह, अरुण जेटली, शरद यादव, बृन्दा करात, ए बी वर्धन, डी राजा, मुख्तार नकवी समेत अनेके नेता लोग के गिरफ्तार कइल गइल. देश के कुछे हिस्सा अइसन रहल जहवाँ बन्द के असर ना पड़ल ना त कांग्रेस शासित महाराष्ट्र तक एह बन्द का चपेटा में आइल. कांग्रेसी मंत्री मुरली देवरा एह बन्द के आलोचन करत कहले बाड़न कि एह बन्द के कवनो जरुरत ना रहुवे.

नक्सली समस्या के समाधान में बरिसन लागी

केन्द्रीय गृह सचिव जी के पिल्लई नक्लस प्रभावित इलाका के दौरा पर निकलल बाड़न आ छत्तीसगढ़ के कांकेर जिला मुख्यालय में पत्रकारन से बतियावत कहले कि नक्लसी समस्या के समाधान में तीन साल से सात साल ले लाग सकेला. सुरक्षा बलन के होखे वाला नुकसान पर कहले कि नक्सली इलाका में घुस के ओकनी से लड़ाई लड़ल जात बा आ नक्सली अपना इलाका के फायदा उठावत बाड़े.

तालिबान केरल में चहुँपल

केरल में कई इलाका मुस्लिम बहुर हवे आ ओहिजा तालिबानी पैर पसारल शुरु कर दिहले बाड़न. अतवार का दिने एगो इसाई लेक्चरार के ओकरा गाड़ी से खींच के कुछ मुसलमान औकर दाहिना हाथ तलवार से काट दिहले आ ओह हाथ के लेके २०० मीटर दूर फेंक दिहले. ओह लेक्चरार पर आरोप बा कि ऊ इम्तिहान में प्रश्न पत्र बनावे में अइसन सवाल पुछले रहले जवना से पैगम्बर के अपमान भइल. बाद में ओह लेक्चरार के ससपेण्ड कर दिहल गइल रहे आ ओकरा पर मुकदमो चलत बा. एही बीचे उग्रवादी आपन काम कर बइठले.

जार्ज फर्नाण्डीज अपना मेहरारू का साथे रह सकेले

दिल्ली के एगो अदालत आजु जार्ज, उनका पत्नी लैला कबीर से जार्ज के दू गो भाई, एगो दुभाषिया, आ एगो पादरी का मौजूदगी में बात कइला का बाद कहलस कि कवनो कारण नइखे जवना से जार्ज के लैला से अलगा रहे के कहल जाव. जार्ज आ लैला पचीस साल से अलग अलग रहत रहुवे बाकिर जब जार्ज के तबियत खराब हो गइल त लैला आ के जबरिया जार्ज के अपना कब्जा में ले लिहली काहे कि उनकर नजर जार्ज के संपत्ति पर बा, जार्ज के भाई लोग के इहे आरोप बा. ऊ लोग चाहत बा कि जार्ज के बढ़िया से इलाज करावल जाव. अब कोर्ट इहो कहले बा कि भाई लोग चाहे त बीच बीच में भेंट कर सकेला.

सपा के पूर्व विधायक के गोली मार के हत्या

मऊ जिला के नत्थुपुर विधानसभा से सपा के विधायक रह चुकल कपिलदेव राय के काल्हु मझवारा बाजर में दिनदहाड़ै गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. उनका गाड़ी के ड्राइवरो के मार दिहल गइल. बगल में मौजूद गोली चलला के आवाज सुनते भाग परइले. एह सब से नाराज लोग पुलिस का खिलाफ नारेबाजी करत सड़के पर धरना देबे लगले. पुलिस चहुँपल त ओकरा के पथराव करके भगा दिहलन. बाद में पुलिस पूरा ताकत से चहुँपल आ हालात पर काबू पवलसि.

बिहार में चुनाव से पहिले बड़हन तबादला

चार महीना बाद बिहार में चुनाव होखे वाला बा आ ओकरा से पहिले काल्हु बिहार सरकार अपना ३५ गो आईएएस आफिसरान के तबदला एने से ओने कर दिहलस. एह में कई गो जिलाधिकारी समेत, डिविजनल कमिश्नर, आ कुछ सचिव रैंक के आफिसरान शामिल बाड़े.

मानसून के आवे के उमेद बनल

पूर्वांचल समेत बिहार के बाकी इलाकन में मानसून के आवे के उमेद बनल बा. वइसे त मानसून के कई हफ्ता पहिलही चहुँप जाये के चाहत रहे बाकिर अब तीन दिन में चहुँप जाये के बात कहत बा मौसम विभाग. इहो कहले बा कि पिछला साल के जून महीना के मुकाबिले एह साल बरखा बेसी भइल बा. पिछला साल बिहार झारखण्ड में पचपन फीसदी कम बरखा भइल रहे आ यूपी में बयासी फीसदी. एह साल बिहार झारखण्ड में ई कमी ३० से ३८ फीसदी के रहल बा. एकरे पर ऊ कहानी बनल बा अरबा ज्यों का त्यों त कुनबा डूबा क्यूं?

नेपाल के राजनीतिक उहापोह अबहियो बरकरार बा

नेपाल के कम्यूनिष्ट प्रधानमंत्री माधव कुमार नेपाल कहत बाड़े कि ऊ एह भरोसा पर आपन इस्तीफा दिहले कि ओकरा बाद माओवादी देश का सेना में अपना गुर्गन के कमे बहाली पर संतुष्ट हो जइहे बाकिर इस्तीफा का बाद ओह लोग के बोली बदल गइल बा आ अब इहाँ तक कहे लागल बा लोग कि देश के पूरा सेने ओहि माओवादियन से बना लिहल जाव. माधव कुमार नेपाल के बहुमत के पूरा समर्थन मौजूद रहुवे तबो ऊ देश हित में आपन इस्तीफा दे दिहले.

सावधान, केहू ईमेल से रुपया नइखे नू बाँटत?

आजुकाल्हु तरह तरह के इमेल आवत बाड़ी सँ जवना में कबो रउरा नामे लाटरी खुल जात बा, कहीं केहू दोसरा के धन रउरा नामे करावे के बात करत बा. एक बेर बंसी का मुँह पर लगावल चारा पकड़नी कि बस शुरु हो जाई रउरा से धनदोहन के दौर शुरु हो जाई. भारत के रिजर्व बैंक एह खातिर देश में एगो सूचना अभियान चलावे जा रहल बा. अक्सरहाँ अइसनका धोखेबाज जवना खाता में रउरा से रुपिया जमा करवइहें उहो वइसने कवनो शिकार के होखी जेकरा के तनी मनी रुपिया दे के ओकरा खाता के इस्तेमाल कर ले ले सँ आ बाद में ऊ बेचारा कानून का गिरफ्त में आ जाला.

खेल का दुनिया से

विम्बलडन में मिश्र युगल मैच में भारत के लिएण्डर पेस आ जिम्बाब्वे के कारा ब्लैक के जोड़ी फाइनल जीत लिहले बा. एह जीत का साथै पेस बारह गो ग्रैण्डस्लैम जीत लिहले. भूपति का खाता में एगारहे गो ग्रैण्ड स्लैम बा. फीफा वर्ल्ड कप का पहिलका सेमीफाइनल में मंगल का दिने नीदरलैण्ड के मुकाबिला उरुग्वे से होखे जा रहल बा. कवनो टीम दोसरा के कमजोर समुझे के गलती ना कर सके. टूर्नामेंट में उरुग्वे अपना झूझारु खेल के छाप छोड़ले बा जबकि नीदरलैण्ड कप के सबसे बड़ दावेदार ब्राजील के हरा के सेमीफाइनल में चहुँपल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up