टटका खबर, सोमार, ९ अगस्त

by | Aug 9, 2010 | 0 comments

खेल का दुनिया से

जर्मनी का म्यूनिख में भइल निशानेबाजी के विश्च प्रतियोगिता में चैम्पियन बने खातिर भारत के महिला निशानेबाज कोल्हापुर के तेजस्विनी सावंत के चारो तरफ से बधाई मिल रहल बा आ दिल्ली अइला पर उनकर भव्य स्वागत कइल गइल. वइसे एह प्रतियोगिता के गैर ओलम्पिक प्रतियोगिता में मानल जाला.

राष्ट्रमंडल खेल का तइयारी में अबले २८,०५४ करोड़ रुपिया खर्च कइल जा चुकल बा जवना में से १६,५६० करोड़ रुपिया आधारभूत संरचना खड़ा कइला पर खर्च भइल बा.

काल्हु से श्रीलंका में तीन देशन के बीच क्रिकेट शृंखला शरु हो रहल बा जवना में भारत, श्रीलंका, आ न्यूजीलैण्ड के टीम शामिल रही पहिला मैच भारत आ न्यूजीलैण्ड का बीच होखे वाला बा.

मुस्लिम वोट बैंक में अपनो हिस्सा खोजत बिया भाजपा

जमीनी हकीकत के जानत मानत भाजपा नइखे चाहत कि मुस्लिम समुदाय ओकरा से दूर रहे. एह वोट बैंक में अपना हिस्सा का तलाश में ऊ परसो पटना में एगो बड़हन सभा कइलसि जवना में ओकरा खातिर मोर्चा सम्हरलन शाहनवाज खान. शाहनवाज अपना समुदाय के चेतवलन कि ओह लोग से सावधान रहला के जरुरत बा जे कबाब चहुँपावे भा पीकदान उठावे वालन के आगा करेला. शाहनवाज याद दिअवलन कि राजग का शासन काल में जतना काम मुस्लिम समुदाय खातिर भइल ओतना ना त राजद कबो कइलस ना कांग्रेस.

बनल रही पुरनका समझौता, कहलन शरद यादव

जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव काल्हु साफ कह दिहलन कि भाजपा का साथे पुरनका समझौता बनल रही, चाहे ऊ सीट के हिस्सेदारी के होखो भा चुनाव प्रचार से वरुण आ नरेन्द्र के अलगा राखे के. उनका एह बयान से भाजपा राहत के साँस लिहले होखी जेकरा डर रहुवे कि अबकी सीट बँटवारा में झंझट हो सकेला.

रामजन्म भूमि के बँटवारा मजूर ना हो सके

विश्व हिन्दू परिषद के संयुक्त महामंत्री चम्पत राय का मुताबिक रामजन्म भूमि समस्या के हल में केहू ई सोचत होखे कि ओकरा के दुनु समुदायन का बीच में बाँट के समाधान निकाल लिहल जाव त ऊ सम्भव नइखे. ई जगहा सिर्फ हिन्दूवन के ह आ ओहिजा राममन्दिर बन के रही. कहलन कि बहुत दुर्भाग्य के बाति बा कि हिन्दूवन के आस्था के सवाल पर मुकदमेबाजी हो रहल बा. दुनिया में अइसनका दोसर कवनो उदाहरण ना मिली.

विधानसभा चुनाव के तइयारियन के समीक्षा कइलन कुरैशी

बिहार विधानसभा के चुनाव के तइयारियन के समीक्षा करे अतवार का दिने मुख्य चुनाव आयुक्त बिहार का जिलाधिकारियन का साथे बइठका में एह बाति पर जोर दिहले कि हर हालत में निष्पक्ष आ स्वतंत्र चुनाव करवावल जाई. पिछला दुगो चुनाव में बिहार में शान्तिपूर्ण मतदान एहू बेर होखे के उमेद कइल जा रहल बा. भाजपा के एगो शिष्टमंडल चुनाव आयुक्त से मिल के एके चरण में मतदान करवावे के सिफारिश कइलसि. काहे कि ५ अक्टूबर से त्योहारन के सिलसिला शुरु होखे जा रहल बा.

ममता के रैली पर संसद में हंगामा

नक्सली आ दोसरो उत्पाती तत्वन का साथे मिल के निकलल लालगढ़ रैली के लेके संसद में ह्गामा होखे के नौबत आ गइल जवना पर स्पीकर दुनु पक्ष के समुझा बुझा के मनवली. कहली कि ई राज्य के विषय बा. ओने रैली में ममता बनर्जी माओवादियन से अपील कइली कि हिंसा के रास्ता छोड़ि के सरकार का साथे बातचीत के रास्ता अपनावे लोग. कांग्रेस अपना के एह रैली से अलगा रखले रहुवे काहे कि एहमें नक्सली जमात शामिल होखे वाला रहुवे.

तेलंगाना मुद्दा पर कांग्रेस में आपसी विवाद

तेलंगाना इलाका के कांग्रेसी गैर तेलंगाना इलाका के मंत्रियन से बिना शर्त माफी माँगे के कहले बाड़न काहे कि ऊ लोग तेलंगाना के मांग का खिलाफ टिप्पणी कइले बा. हाल के उपचुनावन में कांग्रेस के सूपड़ा साफ हो गइल रहे आ ओकरा एकहू सीट ना मिल पावल रहुवे. ओकरा बाद से तेलंगाना राज्य के माँग के एगो नया जीवन मिल गइल बा आ इलाका के कांग्रेसी अपना के तेलंगाना विरोधी नइखन कहलवावल चाहत.

यूपी के अंसारी भाई आपन अलगा पार्टी बनवले

मुख्तार अंसारी, अफजाल अंसारी, आ शिबगतुल्ला अंसारी काल्हु आपन नया पार्टी के एलान कर दिहले. सभा में बोलत शिबगतुल्ला अंसारी कहले कि मायावती प्रधानमंत्री बने के सपना देखल बन्द कर देस. अब उनकर अगिला बेर फेर से मुख्योमंत्री बनल मुश्किल होखी. नया पार्टी के मुद्दा का बारे में बतावल कहल गइल बा कि पार्टी कौमी एकता आ पूर्वांचल राज्य बनवाबे खातिर काम करी.

भीतर के भेद खोले वालन के सुरक्षा खातिर कानून बनी

सरकारी संस्था आ पब्लिक सेक्टर के कंपनियन के भीतर के भेद आ गड़बड़ी उजागर करे वालन के पूरा सुरक्षा देबे वाला कानून के कैबिनेट से स्वीकृति मिल गइल बा. अब संस्थागत भ्रष्टाचार के उजागर करे वालन का खिलाफ कवनो कार्रवाई ना चलावल जा सकी आ ओह लोग के प्रताड़ित ना कइल जा सकी.

बारह से रमजान शुरु हो जाई

शिया समुदाय के प्रतिष्ठित धार्मिक नेता कल्वे सादिक के कहना बा कि दुनिया भर के विश्वसनीय सूत्रन से मिलत जानकारी का आधार पर कहल जा सकेला कि रमजाने मुबारक के चांद ११ अगस्त के देखल जाई आ बारह अगस्त से रमजान के महीना शुरु हो जाई. ईद उल फितर ११ सितम्बर के पड़ी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up