pub-4188398704664586

टटको में टटका खबर : 17 अक्टूबर 2014, शुक

by | Oct 17, 2014 | 0 comments

नई दिल्ली में होखत कमांडरन के साझा सम्मेलन के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी

नई दिल्ली में होखत कमांडरन के साझा सम्मेलन के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी

  • पांच मैच के सीरीज चारे मैच में सिमटा गइला का बाद आजु भारत के क्रिकेट टीम हिमाचल प्रदेश क्रिकेट संघ का मैदान पर खेलल सीरीज के चउथका एकदिना में वेस्टइंडीज को 59 रन से हरा दिहलसि आ सीरीज पर 2-1 से कब्जा क लिहलसि.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी अपना बयानबाजी के माला में एगो अउर फूल जोड़त शुक का दिने कहलन कि इलाज करे में गरीबन से कवनो तरह के खिलवाड़ भइल त अइसन करे वाला के हाथ काट दीहें.
  • उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में तजिया निकले का पहिले आजु शुक का दिने पुलिस कई जगहा रुट मार्च कइलसि. मुस्लिम समुदाय के दू फरीकन का बीच एह मौका पर फसाद होखे के वारदात पहिले हो चुकल बा एहसे पुलिस पूरा एहतियात बरतत बिया.
  • महात्मा गाँधी सेतु का बगल में एगो दस किलोमीटर लमहर पुल बनावे के योजना के केन्द्र सरकार मंजूर कर लिहलसि. ई पुल वैशाली के बिदुपुर चकसराय से नेशनल हाईवे 30 पर कच्ची दरगाह के जोड़ी. एह पुल के बनावे में जमीन अधिग्रहण के खरचा बिहार सरकार के हिस्सा में रही.
  • आलू के बढ़त दाम पर काबू करे खातिर केन्द्र सरकार पहिला बेर देश में बाहर से आलू मँगावे के फैसला कइलसि. एह फैसला से नाराज आलू कारोबारियन के कहना बा कि ई देश हित का खिलाफ होखी. आलू नवम्बर ले देश में आ जाई.
  • पश्चिम बंगाल के बर्दवान विस्फोट मामिला आ बाद में मिलल विस्फोटक का बाद भाजपा कहलसि कि तृणमूल कांग्रेस पहिले सारधा चिट फंड के रुपिया लुकावे में परेशान रहल आ अब बम लुकावे में परेशान चलत बिया.
  • केंद्र सरकार शुक का दिने सर्वोच्च न्यायालय से कहलसि कि विदेशी सरकारन से पिछला सरकार के दोहरा कराधान बचाव समझौता का चलते करिया धन राखे वालन के नाम उजागर ना कइल जा सके.
  • तमिलनाडु के मुख्यमंत्री रहल जे जयललिता के सर्वोच्च न्यायालय से जमानत मिलला का बावजूद आजु रिहाई ना मिल सकल, जयललिता सभका से शांति व्यवस्था बनवले राखे आ कर्नाटक के विशेष अदालत के फैसला के आलोचना ना करे के अपील कइले बाड़ी काहे कि जमानत में ई शर्त शामिल बा.
  • भारतीय रेलवे एह साल के पहिला छमाही में माल ढुलाई में सवा चार फीसदी के इजाफा कइलसि बाकिर आमद में पौने एगारह फीसदी. बेसी मुनाफा भाड़ा बढ़ला से भइल बा. डीजल के दाम घटी त मुनाफा अउरी बढ़ जाई.
  • वेस्टइंडीज क्रिकेट टीम अपना बोर्ड से अनुबंध विवाद का चलते आपन भारत दौरा रद्द कर दिहले बिया. बीसीसीआई एह फैसला के गलत बतवले बावे आ अब श्रीलंका के टीम बोलाई खेले ला.
  • जदयू के बड़का नेता आ बिहार सरकार के मंत्री ललन सिंह कहलन कि जब जदयू, राजद, आ कांग्रेस का बीच अबहीं ले महागठबंधन भइले नइखे त मुख्यमंत्री पद के दावेदारन के चरचा फिजूले होत बा.
  • सारण जिला के मांझी थाना इलाका में जयप्रभा सेतु का लगे से पुलिस तीन गो फर्जी जिला परिवहन अधिकारियन के गिरफ्तार कइलसि जे गाड़ीवालन से उगाही में लागल रहले.
  • सिवान जिला के गुठनी इलाका में आजु शुक के दिनदहाड़े एगो आदमी अपना दू गो बेटन का साथे मिल के एगो कोचिंग चलावे वाला के भाला घोंप के मुआ दिहलसि. हत्या काहे कइलसि से अबही पता नइखे चलल.
  • मुंबई शेयर बाजार काल्हु के बड़हन गिरावट का बाद आजु तनी तेजी देखवलसि आ सेंसेक्स 109.19 अंक चढ़ के बन्द भइल.
  • काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के चिकित्सा विज्ञान संस्थान के एम्स के दरजा दिआवे खातिर अनशन करत हृदय रोग विशेषज्ञ डा. ओम शंकर आ अउरी चिकित्सकन के बेमियादी अनशन आजु पँचवो दिने जारी रहल.
  • हिमालय के नेपाली क्षेत्र में पहाड़ के चढ़ाई करत घरी आइल तूफान से लापता दस गो पर्वतारोहियन के तलाश जारी बा. अब ले 29 लोग के मरे के खबर बा.
  • सर्वोच्च न्यायालय आजु तमिलनाडु के मुख्यमंत्री रहल जे.जयललिता आ उनुका तीन गो सहअपराधियन के जमानत दे दिहलसि. खबर पा के एआईएडीएमके कार्यकर्ता जम के जश्न मनवले. बाकिर जयललिता ना त मुख्यमंत्री बन पइहें ना चुनाव लड़ पइहें जब ले कवनो अदालत उनुका के भठियरपन के अछरंग से बरी नइखे कर देत.
  • गोण्डा जिला के कटरा बाजार इलाका में आजु पुलिस दू गो पशु तस्करन के गिरफतार क के ओहनी का लगे से 64 गो पशुअन के बरामद कइले बिया.
  • बक्सर जिला के ब्रह्मपुर इलाका के जोगियां गाँव में बियफे का रात दू फरीकन का बीच आपन दबदबा बनावे का लड़ाई में खूब गोली चलल. एह गोलीबारी में दू जने के मौत हो गइल बा आ पाँच गो घवाहिलन के पटना मेडिकल कालेज अस्पताल भेजवावल गइल बा.
  • आजु शुक का दिने प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी रक्षा मंत्रालय के वार रूम में सेना के तीनो अंग के माथ अधिकारियन से भेंट कइले. एह तरह के मुलाकात हर साले होला बाकिर अबकि के महत्व सीमा के हालात देखत बहुते बढ़ गइल बा.
  • संघ के कहना बा कि ऊ हर हिन्दुस्तानी के हिन्दू मानेला भले ओकर मजहब कवनो होखो. अब एह बात के ठीक से ना समुझ पावे वाला सेकुलर लोग कुकुरबझाँव करे में ल‌ागल बा. संघ खातिर हिन्दू संप्रदाय भा मजहब ना होके भारतीयता के पहिचाब होला.
  • राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के बइठक के पहिलका दिने संघ के सह सरकार्यवाह दत्तात्रेय होसबले कहले कि जम्मू कश्मीर में आइल भयंकर बाढ़ से प्रभावित लोग के पुनर्वास के काम जाड़ा शुरू होखे से पहिले पूरा हो जाए के चाहीं. संघ एह काम में केंद्र सरकार के पूरा सहयोग करी.
  • लखनऊ में आजु शुक से राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के अखिल भारतीय कार्यकारी मंडल के तीन दिन के बइठक शुरू हो गइल बा. एह बइठक में संघ के सगरी अनुषांगिक ईकाईयन के प्रतिनिधि शामिल होले. भाजपा से अध्यक्ष अमित शाह आइल बाड़े एह बइठक में.
  • सर्वोच्च न्यायालय में केन्द्र सरकार कहलसि कि ऊ विदेशी बैंकन में करिया धन रखले लोग के नाम ना बता सके. बतावल जात बा कि पिछला सरकार अनेके देशन से एह तरह के समझौता क दिहले बिया जेहसे एह लोग के नाम ना बतावल जा सके.
  • इराक के राजधानी बगदाद आ अगल बगल होखत इस्लामिक स्टेट के हमला देखत ऑस्ट्रेलिया के सरकार अपना नागरिकन के ओहिजा से जल्दी निकल जाए के सलाह दिहलसि.
  • सिवान जिला में अलग-अलग इलाका में अलग अलग घटना में पाॅच लोग के मौत हो गइल.
  • राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ कहलसि कि ओकरा कवनो हड़बड़ी नइखे अयोध्या में राममंदिर बनवावे के. ढेर पूछला पर कहलसि कि सवाल केन्द्र सरकार भा भाजपा से होखे के चाहीं, संघ से ना.
  • सारण जिला के इसुआपुर इलाका के छपरा-सत्तरघाट रोड पर भिट्ठी मोड़ का लगे आजु शुक का दिने भोर में ट्रक आ मोटरसाईकिल के टक्कर से दू गो नवहियन के मौत हो गइल.
  • अगिला साल से बिहार बोर्ड के इंटर के परीक्षा के तरीका बदल जाई. चालीस फीसदी सवाल के जवाब वस्तुनिष्ठ रही जबकि साठ फीसदी के लमहर जबाब देबे के पड़ी. ईम्तिहान ओएमआर शीट प लिहल जाई.
  • बिहार में पंचायतन के काम ला 26 हजार नया बहाली होखे वाला बा. ई बहाली जूनियर ईंजिनियर, पंचायत सहायक, कम्प्यूटर आपरेटर आ लेखापाल वगैरह पद खातिर कइल जाई.
  • पश्चिम चंपारण के चनपटिया इलाका से तीस लाख रुपिया के चरस संगे एगो तस्कर के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.
  • भोजपुर जिला के उदवतनगर इलाका से एगो वाहन से डेढ़ क्विंटल गाँजा का साथ चार गो तस्कर के पुलिस गिरफ्तार कइलसि.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586