टटको में टटका खबर : 2 अक्टूबर 2014, बियफे

by | Oct 3, 2014 | 0 comments

02 अक्टूबर, 2014 का दिने  नई दिल्ली में वाल्मीकि बस्ती से स्वच्छ भारत अभियान के शुरूआत करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.

02 अक्टूबर, 2014 का दिने नई दिल्ली में वाल्मीकि बस्ती से स्वच्छ भारत अभियान के शुरूआत करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी.

  • ओलंपिक गोल्ड क्वैस्ट नाम के संस्था इंचियोन एशियाई खेल का दौराम अपना सेमीफाइनल मुकाबला में मिलल विवाद वाला हार के विरोध करे के हिम्मत देखावे खातिर भारत के महिला मुक्केबाज सरिता देवी के दस लाख रुपया इनाम देबे के ऐलान कइलसि.
  • साल 2019 ले स्वच्छ बिहार बनावे के संकल्प लेके मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी दानापुर प्रखंड के जमसौत मुसहरी टोला में झाडू लगाके बिहार में राष्ट्रीय स्वच्छता जागरूकता अभियान कव शुरूआत कइलन.
  • जौनपुर जिला के लाइन बाजार इलाका में कन्हईपुर रेलवे क्रासिंग पर एगो कार के ट्रेन के इंजन से टक्कर हो गइल आ कार पर सवार तीन जने बहुते घवाहिल हो गइले.
  • जौनपुर के सुजानगंज इलाका के भगवानपुर गांव में पंचायत भवन का नियरा मोटरसाइकिल से आइल दू गो बदमाश मोटरसाइकिल से आवत एगो सर्राफा व्यवसायी के हत्या कर दिहले.
  • सोलह साल बाद हाॅकी में स्वर्ण पदक जीते वाला भारत के पुरुष टीम के हर खिलाड़ी के अढ़ाई-अढ़ाई लाख रुपिया के नकद पुरस्कार दी हाॅकी इण्डिया.
  • चन्दौली जिले के मुगलसराय जंक्शन से आजु सबेरे तस्करी कर ले जाइल जात 15 गो पिस्तौल आ दू गो मैगजीन बरामद भइल.
  • भारत के चार गुणा 400 मीटर रिले में महिला टीम इंचियोन एशियाई खेल के स्वर्ण पदक जीत लिहलसि.
  • भारत के मुक्केबाज सरिता देवी के अफसोस जाहिर क देला का बाद एशियाई ओलपिक परिषद उनकर कांस्य पदक बहाल क दिहलसि.
  • फिलीपीन्स के अलकायदा उग्रवादी बन्हक बना के राखल दू गो जर्मन नागरिकन में से एगो के 17 अक्टूबर के जान से मारे के धमकी दिहले.
  • भोजपुर जिला के चरपोखरी इलाका के महावीर टोला का लगे बस से कचरा के दू जने के मौत.
  • हाकी में पाकिस्तान के हरा के भारत ओलम्पिक खेले के हकदार हो गइल. एकरा पहिले बाजपेयी सरकार का दौरान ओलम्पिक के स्वर्ण मिलल रहे आ अब मोदी सरकार का दौरान एशियाई खेल के.
  • अपना पुरान टकरइत पाकिस्तान के बियफे का दिने इंचियोन एशियाई खेल का हाकी फाइनल में हरा के भारत सोलह साल बाद स्वर्ण पदक जीतल. एकरा पहिले 1998 में ओलम्पिक के स्वर्ण मिलल रहे.
  • संयुक्त राष्ट्र कहलसि कि इस्लामिक स्टेट इराक में सामूहिक नरसंहार, औरत आ लड़िकियन के यौन शोषण आ लडाई में लड़िकन के इस्तेमाल का चलते युद्धापराधी बतवलसि.
  • देश के हर गाँव के अगिला पाँच साल ले बीस लाख दिहल जाई सफाई अभियान ला. बतवले केंद्रीय ग्रामीण विकास मंत्री नितिन गड़करी.
  • तमिलनाडु के मुख्यमंत्री रहल अन्नाद्रमुक नेता जयराम जयललिता के बेंगलुरु का जेल में कवनो तरह के वीआईपी सुविधा नइखे दिहल जात.
  • कई बरीस के मेहनत का बाद भारत आखिरकार अमेरिका के मनाइए लिहलसि दाऊद इब्राहीम के आतंकवादी नेटवर्क डी.कंपनी के खिलाफ अभियान में शामिल होखे के.
  • पूर्वी चंपारण के पताही इलाका के नोनफरवा गांव में आजु भोरे कुछ लोग माओवादी उग्रवादी सोने लाल बैठा के गोली मार के हत्या कर दिहले.
  • गुजरात में महात्मा गांधी के 145 वीं जयंती का मौका पर मुख्यमंत्री श्रीमती आनंदबेन पटेल पोरबंदर में आ लालकृष्ण आडवाणी अहमदाबाद में झाड़ू लगवले.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के बड़ाई करे वालन में शामिल हो गइली मुलायम सिंह यादव के छोटकी पतोह. अपर्णा यादव पीएम मोदी के तारीफ करत कहली कि ‘राष्ट्रीय स्वच्छता अभियान’ से दुनिया में भारत के इमेज सुधरी.
  • रेलवे जनता के जेब पर डाका डाले के फैसला कइलसि. तत्काल कोटा के आधा टिकट अउरी अधिका भा कहीं कि अधिको से अधिका दाम पर बेचल करी जइसे हवाई जहाज के टिकट बिकाला.
  • उत्तर प्रदेश में चन्दौली के बबूरी इलाका में दू गो नवहियन के एगो अजबे तरह के बुखार से मौत हो गइल जवना के डाक्टर लोग निदान ना कर पावल
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु “राष्ट्रीय स्वच्छता अभियान” के शुरुआत दिल्ली के मंदिर मार्ग पर वाल्मीकि सदन जाके ओहिजा के शौचालयन के उद्घाटन कइले आ खुद झाडू लगाके अभियान के प्रतीकात्मक शुरूआत क दिहलन.
  • पीएम नरेन्द्र मोदी आजु देश के साफ सुथरा बनावे के महात्मा गाँधी के अधूरा सपना पूरा करावे ला ‘स्वच्छ भारत अभियान’ के शुरूआत कइलन आ कहलन कि एकरा के जनआंदोलन बना देव देश के लोग आ एह पर केहू कवनो तरह के राजनीति मत करे.
  • जौनपुर के गौराबादशाहपुर इलाका में बुध का रात एगो ट्रक से कचरा के दू गो औरतन के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइले.
  • सीरिया के होम्स शहर में एगो स्कूल का नियरा दू गो बम फटला से कुछ बचवन समेत 31 लोग के मौत हो गइल आ 74 जने घवाहिल हो गइले.
  • इंचियोन एशियाई खेल के महिला आ पुरूष कबड्डी का फाइनल में भारत के टीम चहुँप गइल बाड़ी सँ. जवना से कम से कम दू गो रजत पदक त मिलिए जाई.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up