टटको में टटका खबर : 25 सितंबर 2014, बियफे

by | Sep 26, 2014 | 0 comments

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी 25 सितंबर, 2014 का दिने नई दिल्ली में 'मेक इन इंडिया' के प्रतीक चिह्न के लोकार्पण कइले.

प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी 25 सितंबर, 2014 का दिने नई दिल्ली में ‘मेक इन इंडिया’ के प्रतीक चिह्न के लोकार्पण कइले.

  • चीन वास्तविक नियंत्रण रेखा से लागल चुमार इलाका से आपन सेना हटावे ला तइयार हो गइल बा. भारतो अपना सेना के पीछे कर ली.
  • कलकत्ता उच्च न्यायालय सारधा चिट फंड घोटाला मामिला में गिरफ्तार संधीर अग्रवाल के जमानत याचिका के बियफे का दिने खारिज क दिहलसि.
  • महाराष्ट्र के उप मुख्यमंत्री अजीत पवार कांग्रेस से गठबन्हन टूटला का बाद अपना पद से इस्तीफा दे दिहलन.
  • कुशीनगर जिला के हाता इलाका में भइल एगो कांस्टेबल के मौत का बाद ओकर परिजन गोरखपुर के गुलहरिआ इलाका में जाम लगवलन.
  • उत्तर प्रदेश कांग्रेस के कुछ बड़का नेता 28 सितम्बर के होखे वाला पार्टी के चिन्तन शिविर में शामिल ना होखे के फैसला कइले.
  • सिवान जिला के भगवानपुर हाट से पुलिस तीन गो अपराधियन के असलहा समेत गिरफ्तार कर लिहलसि. एकनी प पिछला दिने पेट्रोल पंप पर भइल लूट में शामिल रहे के शक बा.
  • भोजपुर जिला में दू गो ट्रक के आमने सामने टक्कर से एगो ट्रक के ड्राइवर के ठाँवे पर मौत हो गइल.
  • जौनपुर में मेडिकल काॅलेज के शिलान्यास कइला का बाद मुख्यमंत्री अखिलेश सिंह यादव बतवलन कि अगिला साल से पूर्वांचल विकास निधि के दुगुना क दिहल जाई.
  • आरपीआई अध्यक्ष रामदास आठवले शिवसेना आ भाजपा दुनू से बतियवला का बाद तय करीहें कि केकरा साथे रहे के बा. कहलन कि ऊ अबहियों लागल बाड़े कि महायुति के केहू तरह बचा लिहल जाव.
  • भाजपा माँग कइलसि कि मुगलसराय जंक्शन के नामकरण पं. दीनदयाल उपाध्याय के नाम पर कर दिहल जाव. उनकर एही जंक्शन पर संदेहजनक हालात में मौत भइल रहुवे.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय भदोही से समाजवादी विधायक विजय कुमार मिश्रा के हत्या के मामला पर फेर से विचार करे के निहोरा नकार दिहलसि.
  • पीएम मोदी के अभियान ‘मेक इन इडिया’ से घबराइल चीन आजुए आपन ‘मेड इन चाइना’ अभियान के शुरुआत कइलसि.
  • महाराष्ट्र में भाजपा आ शिवसेना के पचीस साल पुरान गठबन्हन आखिर टूटिए गइल. आजु बाकायदा एकर एलान भाजपा नेता देवेंद्र फड़नवीस आ एकनाथ खड़गे बियफे साँझ एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस बोला के क दिहलें.
  • भारतीय स्कूल आ कालेज के बास्केटबाल लीग के आयोजन सितंबर के आखिर से दिसंबर ले देश के 22 गो शहर में कइल जाई आ एहमें नाहियो त तेरह हजार से बेसी खिलाड़ी शामिल होखीहें.
  • विन्ध्याचल मेला में जगहे जगह सी.सी. कैमरा लगावल गइल बा आ दर्शन करे आवे वाला लोग के चेकिंग कइल जात बा.
  • मिर्जापुर के विंध्याचल में नवरात का मौका पर लागे वाला मेला शुरू हो गइल बा. 14 वर्गकिलोमीटर इलाका में पसरल मेला क्षेत्र खचाखच भर गइल बा आ लोग त्रिकोण यन्त्र महालक्ष्मी. महाकाली अउर महासरस्वती के परिक्रमा करत बाड़े.
  • सार्क देश अपना में सांस्कृतिक सहयोग बढावे ला साल 2016-17 के दक्षेस सांस्कृतिक विरासत वर्ष के रूप में मनइहें आ साल 2015-16 खातिर अफगानिस्तान के बामियान के सार्क के सांस्कृतिक राजधानी बनावल जाई.
  • इंचियोन एशियाई खेल – बस एगो स्वर्ण पदक समेत कुल पन्द्रहे गो पदक जीत के भारत पदक तालिका में 15वां जगहा पर बा बाकिर केंद्रीय खेल मंत्री सर्बानंद सोनोवाल के अबहीं अउरी स्वर्ण पदक मिले के उमेद बा.
  • रिलायंस इंडस्ट्रीज के प्रमुख मुकेश अंबानी आजु ‘मेक इन इंडिया’ के शुभारंभ का मौका पर कहलन कि उनकर कंपनी अगिला 12 से 15 महीना का भीतर देश में सवा लाख लोग के नौकरी दी.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के मुक्केबाज मनोज कुमार 64 किग्रा लाइट वेल्टर के अंतिम 32 राउंड में जापान के कवाची मासासुगे से 0-2 से हार गइलन. बाकिर लेशराम देवेंद्रो के वाकओवर मिल गइल बा.
  • गुजरात में नवरात का पहिला दिने वडोदरा शहर के पुरनका इलाका में फरिकावाराना तनाव का चलते फतेहपुरा हाथीखाना समेत कुछ जगहा पर ढेलामारी करे आ कुछ मोटरसाइकिलन के आग लगावे के खबर बा.
  • सीरिया के सेना दमिश्क के उत्तर पूर्वी हिस्सा पर फेरू काबिज हो गइल बिया. काल्हु भइल लड़ाई में 18 गो इस्लामी उग्रवादी समेत 29 लोग मरा गइल.
  • इंचियोन एशियाई खेल – बियफे का दिने तीरंदाजी में भारत के पुरुष टीम सेमीफाइनल जीत के देश खातिर रजत पदक त पक्का करिए दिहले.
  • लगातार घाटा देबे वाली छह गो सरकारी कंपनियन के बंद क देबे के फैसला ले लिहले बिया भारत सरकार. एह कंपनियन में एचएमटी वाचेज लिमिटेड, हिन्दुस्तान केबल्स लिमिटेड, आ हिन्दुस्तान फोटो फिल्म्स लिमिटेड खास बाड़ी सँ.
  • आजु लगातार तिसरका दिने मुंबई के शेयर बाजार में गिरावट दर्ज भइल. कोयला खदान के आवँटन रद्द होखे से बाजार के रुख बिगड़ गइल बा.
  • 2 अक्टूबर के राष्ट्रपिता महात्मा गांधी के जयंती का मौका पर दिल्ली के इंडिया गेट से प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी स्वच्छ भारत अभियान के शुरूआत करइहें आ बचवन का साथे पदयात्रा निकाल के साफ सफाई खातिर लोग के किरिया धरवइहें.
  • धार्मिक नगरी वाराणसी में दुर्गा पूजा पंडाल लगावे वालन के अब अलग अलग काउन्टर पर दउड़ नइखे लगावे के. एह साल सगरी अनुमति एके जगहा से दे दिहल जाई.
  • कर संबंधी मामिला सलटावे खातिर राष्ट्रीय पंचाट बनावे के राह साफ करे वाला राष्ट्रीय कर न्यायाधिकरण कानून 2005 के आजु उच्चतम न्यायालय असंवैधानिक बतावत निरस्त क दिहलस.
  • दू दिन के तेजी का बाद आजु बाजार में सोना के दाम में 250 रूपिया आ चाँदी के दाम में 650 रूपिया के गिरावट देखे के मिलल.
  • मशहूर अभिनेत्री जूही चावला काल्हु रात दशाश्वमेध घाट पर गंगा आरती देख के गदगद हो गइली बाकिर बनारस के घाटन पर पसरल गंदगी देखि के उनकर मूड खराब हो गइल.
  • नवरात का मौका पर पूर्वोत्तर रेलवे मध्यप्रदेश में मैहर देवी मंदिर जाए वाला श्रद्धालुअन खातिर 09 जोडी मेल आ एक्सप्रेस गाडियन के मैहर स्टेशन पर दू मिनट रुके के फैसला लिहले बावे.
  • कांग्रेस के कहना बा कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी तानाशाह का तरह काम करत बाड़े आ जइसे गुजरात में सरकार चलवले ओही तरह अमित शाह के संगे ले के दिल्लीओ के सरकार चलावत बाड़न.
  • कलकत्ता उच्च न्यायालय आज बियफे का दिने तृणमूल कांगे्रस के सांसद तपस पाल के ओह भाषण के जांच गुप्तचर विभाग से करावे के आदेश दिहलसि जवना ऊ माकपा के टकरइतन के गोली मारे आ रेप करे के कहले रहले.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत अपना पुरान टकरइत पाकिस्तान से हाॅकी मुकाबला में 1-2 गोल से हार गइल.
  • पिछला दू दिन में केन्द्र सरकार अपना साठ गो अधिकारियन के तबादल कर दिहलसि. हाल का दिन के एह सबले बड़का उलटफेर के कुछ अधिकारी अधरतिया के नरसंहार बतावत बाड़ें.
  • मेक इन इंडिया खातिर विदेशी निवेशकन के भारत में निवेश करे खातिर बोलावत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी भरोसा दिहलन कि ओह लोग के धन भारत में सुरक्षित रही आ केहू के आपन कारोबार समेटे के जरूरत ना पड़ी.
  • मेक इन इंडिया के शेर के कदम बतावत पीएम मोदी कहलन कि एहसे नवहियन के रोजगार मिली आ देश के गरीबी दूर होखी.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत के पुरुष आ महिला टीम आपन आपन मुकाबला बियफे का दिने जीत लिहले. पुरुष टीम जापान के 3-0 से हरवलसि त महिला टीम चीन के 3-0 से.
  • इलाहाबाद उच्च न्यायालय के लखनऊ पीठ सवाल पूछले बिया कि अल्पसंख्यक कल्याण मंत्री मोहम्मद आजम खां लाभ के दू गो पद पर कइसे काबिज बाड़न.
  • बिहार के सतर्कता अन्वेषण ब्यूरो आज बगहा अंचल-2 के राजस्व कर्मी रामेश्वर साह के घूस लेत रंगे हाथ ध लिहलसि.
  • 27 फरवरी 2002 का दिने अयोंध्या से लवटत कारसेवकन के साबरमती एक्सप्रेस का एगो बोगी में जियते जरा देबे वाला गोधरा शहर में नवरात का दौरान गरबा में मुसलमान नवहियन के अइला पर बिना बोलल रोक लगा दिहल बा.
  • हाल के उपचुनावन में मिलल जीत का बाद उत्तर प्रदेश के अखिलेश सरकार के मंत्रिमंडल विस्तार के अटकल तेज हो चलल बा.
  • यूक्रेन से आपन बहुते सैनिक हटा लिहला का बादो रूस के सैनिक अबहियों अगले बगल में तैनात बाड़े जिनका के तुरते यूक्रेन बोलावल जा सकेला.
  • देश के कार बाजार में क्रांति ले आवे वाली कंपनी मारुति सुजुकी इंडिया लिमिटेड के कहना बा कि अगर कुछ अड़चन हटा दिहल जाव त भारत दुनिया के बड़का कार निर्माता देश बन सकेला.
  • मेक इन इंडिया अभियान के स्वागत करत टाटा ग्रुप चेयरमैन साइसर मिस्त्री कहलन कि देश के श्रम कानूनन में बदलाव के जरूरत बा. इहो कहलन कि भारत का लगे मानव-धन आ बड़हन उपभोक्ता बाजार मौजूद रहला का चलते विकास के पूरा संभावना मौजूद बा.
  • मंगलयान मंगल ग्रह से सात किलोमीटर दूर से खींचल पहिलका फोटो पठवलसि.
  • पीएम नरेन्द्र मोदी आजु ‘मेक इन इंडिया’ अभियान के शुरूआत क दिहले. एह अभियान के मकसद भारत के मैनुफैक्चरिंग के बड़हन केन्द्र बनावे के बा जहाँ दुनिया भर के कंपनी आ के आपन कारखाना खोलसु.
  • पटना के मालसलामी इलाका के पीरदमरिया घाट का लगे गंगा नदी में आजु दू गो लड़िका डूब के मर गइले.
  • उत्तर-पूर्व सीरिया में अमेरिका आ सहयोगी सेना के हवाई हमलन में इस्लामिक स्टेट के 14 गो आतंकवादी मारल गइले.
  • पड़ोसी देश नेपाल से सटल बेतिया के इनरवा इलाका से सशस्त्र सीमा बल बियफे का भोर में एगो तस्कर के चाढ़े चार किलो चरस का साथे गिरफतार कइले.
  • इंचियोन एशियाई खेल – सायना नेहवाल, पारुपल्ली कश्यप आ के श्रीकांत बियफे का दिने भइल बैडमिंटन प्रतियोगिता के महिला आ पुरुष एकल के मुकाबला में जीत दर्ज करत अगिला राउंड में चहुँपले. बाकिर पी. वी सिंधू के हार हो गइल.
  • महाराष्ट्र में शिवसेना भाजपा का साथे महायुति में शामिल चार गो छोटका दल 14 सीट पर मान गइले. शिवसेना के अकड़पना का चलते भाजपा अपना कोटा के सात गो सीट दिहलसि. अब शिवसेना 151, भाजपा 123 आ बाकी दल 14 सीट से लड़ीहें.
  • उत्तर प्रदेश के बरेली जिला में प्रशासन चीनी मिलन के चेतवलसि कि डेढ महीने में गन्ना किसानन के बकाया भुगतान क देव लोग ना त मिल जब्त क लिहल जाई.
  • भोपाल के पत्रकारिता विश्वविद्यालय में पंडित दीनदयाल उपाध्याय पीठ के स्थापना होखी जहाँ एकात्म मानवर्दशन के हिसाब से सामाजिक संवाद आ मीडिया के रचना अउर दायित्व विषय पर शोध कइल जाई.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत महिला डबल ट्रैैप टीम निशानेबाजी स्पर्धा में कांस्य पदक जीतलसि.
  • हमला रोके से फ्रांस के इन्कार का बाद अल्जीरिया में इस्लामिक स्टेट के आतंकवादी बन्धक बना के राखल एगो फ्रेंच नागरिक के गरदन काट के मार दिहले.
  • नाइजीरिया के आतंकवादी संगठन बोको हराम के 260 से अधिका हरामी आतंकवादी सेना का सोझा समर्पण कर दिहले. ओकरा नेता के मरा जाए के खबर बा.
  • इंचियोन एशियाई खेल – भारत रोइंग प्रतियोगिता में बियफे का दिने पुरुषन के एकल स्कल्स आ आठ-पुरुष फाइनल में कांस्य पदक जीत लिहलसि.
  • नाइजीरिया के आतंकवादी संगठन बोको हराम के 260 से अधिका हरामी आतंकवादी सेना का सोझा समर्पण कर दिहले. संगठन के मुखिया मरा गइल बा.
  • अंतरराष्ट्रीय भूगोल संघ कहले बा कि मंगलयान मिशन के शानदार सफलता खातिर इसरो के नोबल पुरस्कार मिले के चाहीं.
  • इंचियोन एशियाई खेल – मेडल टैली में चीन सबसे उपर. भारत के अबहीं ले 1 स्वर्ण, 1 रजत आ 13 गो कांष्य पदक मिल चुकल बा.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up