टटको में टटका खबर : 26 अक्टूबर 2014, अतवार

by | Oct 26, 2014 | 0 comments

आजु पंचकुला में हरियाणा के नयका मुख्यमंत्री के शपथ ग्रहण समारोह में शामिल पीएम मोदी आ भाजपा के बड़का नेता लोग

आजु पंचकुला में हरियाणा के नयका मुख्यमंत्री के शपथ ग्रहण समारोह में शामिल पीएम मोदी आ भाजपा के बड़का नेता लोग

  • प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आजु एनडीए के सांसदन के अपना डेरा प चाय नाश्ता खातिर बोलवले रहले. एह मौका पर शिवसेना के सगरी सांसद मौजूद रहले. पार्टी में पीएम मोदी सभे के गोहार लगवले कि अपना अपना संसदीय इलाका में स्‍वच्‍छ भारत अभियान के प्रभावी तरीका से लागू करावे लोग.
  • हरियाणा के नयका मुख्‍यमंत्री मनोहर लाल खट्टर आ उनकर कैबिनेट मंत्री लोग आजु चंडीगढ़ के हरियाणा सचिवालय में आपन आपन पदभार सम्हार लिहल. मंत्री अनिल विज कहलन कि ‘दामाद जी’ के जमीन सौदा के जाँच करावल जाई आ जेही दोषी भेंटाई ओकरा पर कार्रवाई होखी.
  • महाराष्‍ट्र भाजपा विधायक दल के बइठक 28 अक्‍टूबर के होखी जवना में विधायक दल के नेता चुनल जाई. एह बइठक में केंद्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह आ पार्टी महासचिव जे.पी. नड्डा बतौर पर्यवेक्षक मौजूद रहीहें.
  • छठ पर्व देखत निर्वाचन आयोग झारखंड विधानसभा चुनाव के पहिला दौर के अधिसूचना 28 अक्‍टूबर के जारी करी. पहिले एकर तारीख 29 अक्‍टूबर बतावल गइल रहे. अउरी कवनो तारीख में बदलाव नइखे भइल.
  • भारत के सानिया मिर्जा आ जिम्‍बाबवे के कारा ब्‍लैक के जोड़ी आजु डब्ल्यूटीए फाइनल्स टेनिस टूर्नामेंट में डबल्‍स के खिताब जीत लिहलसि. ई जोड़ी पिछला बेर के विजेता चीन के पेंग शु आई आ ताइपे के सीह सू वेई के जोड़ी के 6-1, 6-0 से हरा के ई खिताब जीतलसि. एही टूर्नामेंट के सिंगल्‍स में अमरीका के सेरेना विलियम्‍स लगातार तिसरका हाली खिताब जीतली.
  • दर्जा मिलल मंत्रियन के बर्खास्तगी के बाद अब यूपी सरकार के गाज ओकरा वकीलन प गिर सकेला जे लोग जिरह का दौरान सरकार के पक्ष मजबूती से ना राख सकल. करीब दू सौ अधिवक्ता लोग के सरकारी पैनल से बाहर क दिहल जाई.
  • आजु दिल्ली में जामा मस्जिद के शाही इमाम पर नमाज का दौरान एगो नवही हमला क दिहलसि आ उनुका के जरा के मारे के कोशिश कइलसि. हमलावर के गिरफ्तार क लिहल गइल बा.
  • दिल्ली के त्रिलोकपुरी में कर्फ्यू जइसन हालात का बीच हालात काबू में रहल. पुलिस कर्फ्यू से इनकार करत बिया. कहत बिया कि कर्फ्यू नइखे लगावल गइल.
  • मऊ में काल्हु पुलिस मुठभेड़ क के दू गो शातिर बदमाशन के गिरफ्तार कइलसि आ ओकनी का लगे से दू गो लूटल मोटरसाइकिल आ रुपिया बरामद कइलसि.
  • गोरखपुर के गगहा इलाका के रेवार गांव में बंधा पर आजु एगो नवही के लाश मिलल. लाश के पहिचान नइखे भइल.
  • फुटबाल के इंडियन सुपर लीग में आजु अतवार का दिने सॉल्ट लेक स्टेडियम में खेलल 13वां मैच में केरला ब्लास्टर्स एटलेटिको डी कोलकाता के 1-1 से बराबरी पर रोक दिहलसि.
  • बलिया में बिजली के करंट लगला से एगो मजदूर के आजु मौत हो गइल.
  • औरंगाबाद जिला के ऐतिहासिक धार्मिक सांस्कृतिक आ पौराणिक जगहा देव में कार्तिक छठ के मौका पर लागे वाला चार दिन के मेला काल्हु सोमार से शुरू होखी. छठ के ई सबले पुरान मेला हवे.
  • गोपालगंज के मीरगंज इलाका के सियारी मठिया गाँव में एगो कपड़ा व्यवसायी से अठारह लाख रुपिया लूट लिहल गइल. पुलिस के कहना बा कि उ व्यापारी तगादा वसूली क के आटो रिक्शा से लवटत रहुवे जब पहिले से घात लगा के बइठल अपराधी ओकरा पर हमला क के रुपिया छीन ले गइले.
  • बिहार भाजपा काल्हु 27 अक्टूबर के आतंकवाद विरोधी दिवस मनाई. पिछला साल एही दिने पटना का गाँधी मैदान में भाजपा के हुंकार रैली का दौरान बमन फोड़ल गइल रहे जवना से छह लोग के जान चल गइल रहे.
  • जौनपुर के शेरवां में होखत आझू राय स्मारक दंगल प्रतियोगिता में पहलवान मंगला के बेटा निगम मुगलसराय के पहलवान आ उत्तर प्रदेश केशरी दिग्विजय सिंह के भाई आदित्य पहलवान के पटखनी दे दिहलन.
  • भाजपा के नेता मनोहर लाल खट्टर आजु पीएम नरेन्द्र मोदी आ लाल कृष्ण आडवाडी अउर मुरली मनोहर जोशी का मौजूदगी में हरियाणा के मुख्यमंत्री पद के किरिया लिहलें. हरियाणा में पहिला बेर भाजपा के सरकार बनल बा आ खट्टर पहिले बेर विधायक.
  • पूर्वी दिल्ली के त्रिलोकपुरी इलाका में आजुओ तनाव पसरल बा. ओहिजा देवी जागरण के कार्यक्रम के विरोध करे वालन का चलते पिछला चार दिन से बवाल होखत बा.
  • असम के नवगांव जिला में एगो बस गड़हा में गिरला का चलते नौ जने के मौत हो गइल.
  • सिंगापुर में होखत डब्ल्यूटीए फाइनल्स के खिताबी मुकाबला चार बेर के विजेता रहल सेरेना विलियम्स आ पहिला बेर एह टूर्नामेंट में खेले आइल रोमानिया के सिमोना हालेप का बीच आजु होखे वाला बा.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up