टटको में टटका खबर : 30 सितंबर 2014, मंगल

by | Oct 1, 2014 | 0 comments

शिखर बातचीत का बाद प्रेस से बतियावत नरेन्द्र मोदी आ बराक ओबामा

शिखर बातचीत का बाद प्रेस से बतियावत नरेन्द्र मोदी आ बराक ओबामा

  • इलाहाबाद, अजमेर, आ विशाखापत्तनम के स्मार्ट सिटी बनावे में अमेरिका सहयोग करी.
  • गोरखपुर का नियरा नन्दा नगर क्रासिंग का लगे कृषक एक्सप्रेस आ बरौनी एक्सप्रेस के टक्कर में नाहियो त बीस जने घवाहिल. केहू के मरे के खबर अबहीं नइखे आइल.
  • भारत के हित से जुड़ल सगरी मुद्दा पर बहुते साफगोई से आपन बात रखलन पीएम नरेन्द्र मोदी. कवनो मुद्दा पर कवनो तरह के हिचकिचाहट नइखे लउकत. दुनू विश्व नेता का बीच सहज समुझो लउकल साझा प्रेस कांफ्रेंस में.
  • साझा पत्रकार सम्मेलनो में पीएम मोदी आपन बात हिन्दी में रखलन.
  • अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा आ भारत के प्रधानमंत्री का बीच के शिखर वार्ता खतम हो गइल. थोड़ देर बाद साझा बयान सामने आवे के बा.
  • लूथर किंग जूनियर का स्मारक पर नरेन्द्र मोदी के खुद ले के अइहन बराक ओबामा. इहो देखावत बा कि मोदी के कतना महत्व दिहले बाड़न ओबामा. अमेरिका के आदत ना ह कवनो देश के अतना महत्व देबे के बाकिर भारत के मामिला मोदी का चलते बहुते खास बन गइल बा.
  • बराक ओबामा आ नरेन्द्र मोदी के साझा बयान आवे के उमेद बतावल जात बा. trade, tradition आ terrorism तीन गो टी पर जोर हो सकेला.
  • बराक ओबामा आइसिस का खिलाफ लड़ाई में पीएम मोदी से भारत के सहकार के गोहार लगवले. जबाब में आतंक से लड़ाई के आपन अनुभव बतवलसि भारत.
  • ह्वाइट हाउस का सोझा अमेरिकन भारतीय लोग के बड़हन भीड़. सभे पीएम मोदी के एक झलक देखे ला बेकरार.
  • सासाराम के मां ताराचंडी मंदिर परिसर में भइल बवाल के मामिला में पुलिस छह जने के गिरफतार कइलसि. पाँच सौ अनाम लोग का खिलाफ मामला दर्ज.
  • सारधा चिट फंड घोटाला से जुड़ल रहे के आरोप लागल चार गो फुटबाल टीम के बैंक खाता सीज क दिहलसि प्रवर्तन निदेशालय.
  • देश में सेकूलरिज्म बचवले राखे का नाम पर कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी 23 नवम्बर का दिने पटना में गांधी मैदान से राजभवन ले पार्टी कार्यर्कतन का साथे मार्च करीहें. देखल जाव कि पहुॅचत बाड़न कि ना.
  • आजु अधरतिया से पेट्रोल के दाम में 65 पइसा के कमी. डीजल के दाम का बारे में फैसला पीएम मोदी के लवटला का बाद कइल जाई.
  • स्नूपगेट में नरेंद्र मोदी खातिर दिक्कत पैदा करे के कोशिश करे वाला निलंबित आईएएस अधिकारी प्रदीप शर्मा के भठियरपन का मामिला में गिरफ्तार कर लिहल गइल. शर्मा के संपतिओ मनी लांड्रिंग करे का आरोप में सोमार का दिने जब्त क लिहलसि प्रवर्तन निदेशालय.
  • सासाराम के ताराचंडी में होखत एगो सांस्कृतिक कार्यक्रम में बवाल. पवन सिंह आ बिहार के संस्कृति मंत्री विनय बिहारी का मौजूदगी में बवाल भइल. पुलिस के लाठी चार्ज का बाद माहौल अउर बिगड़ गइल.विनय बिहारी के कार आ एगो अउर गाड़ी में लोग आग लगा दिहल आ विनय बिहारी समेत कई लोग घवाहिल हो गइल बा. विनय बिहारी एह घटना के साजिश बतवलन.
  • पीएम नरेन्द्र मोदी आ राष्ट्रपति बराक ओबामा के शिखर वार्ता शुरू होखही वाला बा. दुनू तरफ के लोग ह्वाइट हाउस चहुँपल.
  • मुंबई के लोकमान्य तिलक टर्मिनस से गोरखपुर जात 12542 सुपरफास्ट रेलगाड़ी के एयरकंडीशनर कोच में परोसाइल खाना में तिलचट्टा मिलला का बाद बवाल मच गइल बा.
  • केन्द्रीय मंत्री रहल आ कांग्रेस के बड़की नेता डा. गिरिजा व्यासो प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के विदेश नीति के तारीफ कइली.
  • जेल में बन्द कुछ लोगन के जेले से प्रार्थना पत्र मँगवा के ओह लोग के जमानत दे दिहला के खिलाफ जौनपुर के वकील जिला के मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट का काम का खिलाफ अदालत के बायकाट कइलन.
  • बिना सबसिडी वाला रसोई गैस सिलिण्डर का दाम में कमी कर दिहल गइल बा. दिल्ली में ई कमी हर सिलिण्डर पर 21 रुपिया के भइल बा.
  • डालर में आइल मजबूती का चलते आजु रुपिया 21 पइसा टूट गइल आ हर डालर के दाम 61.74 रूपिया हो गइल.
  • सारण जिले में तीन महीना पहिले एगो सोनार से लूटल लाखो रुपिया के गहना में से दस लाख के गहना पुलिस बरामद कर लिहलसि आ चार गो अपराधियन के गिरफ्तारो कर लिहलसि.
  • व‌ाराणसी में बोलत शिव सेना प्रधान महासचिव आ प्रवक्ता अरुण पाठक कहलन कि महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी के घमण्ड टूट जाई.
  • उत्तर प्रदेश में बिजली संकट खातिर केन्द्र आ राज्य सरकार का बीच तूतू मैं मैं का बावजूद जनता के कवनो राहत नइखे मिलत. बिजली के संकट बहुते कष्ट देबे लागल बा.
  • रिर्जव बैंक गवर्नर रघुराम राजन कहलन कि उनुका एकर अधिका चिंता नइखे कि प्रधानमंत्री जनधन योजना में खुलत खाता के ‘अपना ग्राहक के जानऽ’ कतना बढ़िया बा. कहलन कि वित्तीय समायोजन के एह कदम के स्वागत बा.
  • होंडा मोटरसाइकिल कंपनी गुजरात सरकार से अहमदाबाद के मांडल क्षेत्र के विठ्ठलपुर गांव का नियरा एक हजार करोड़ के लागत से दूपहिया वाहन संयंत्र लगावे ला समझौता कइलसि.
  • भारत के फारवर्ड आकाशदीप सिंह के अकेला गोल का बदौलत भारत के हाॅकी टीम दक्षिण कोरिया के हरा दिहलसि आ अब फाइनल में अपना पुरान टकरइत पाकिस्तान से खेली. बारह बरीस के लमहर सूखा का बाद ई मौका मिलल बा.
  • कर्नाटक उच्च न्यायालय तमिलनाडु के मुख्यमंत्री रहल जे. जयललिता के जमानत याचिका के सुनवाई अगिला 6 अक्टूबर के करी. तबले उनुका जेले में रहे के पड़ी.
  • रिर्जव बैंक के गवर्नर रघुराम राजन आजु कहलन कि जानबूझ के करजा ना चुकावे वाला के परिभाषा बदलल जाई जेहसे कि ओह कंपनी के निदेशको के जिम्मेदार ठहरावल जा सके.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी तीन अक्टूबर का दिने रेडियो से देशवासियन से अपना मन के बात करीहें. ओही दिने नवमी आ दशमी दुनू पड़त बा.
  • गूगल के सोशल मीडिया साइट आर्कुट आजु से बन्द हो जाई. फेसबुक अइला का बाद आर्कुट के बाजार बिगड़ गइल ना त एक जमाना में आर्कुटे के नाम रहुवे.
  • एनडी तिवारी के कोर्ट से साबित बेटा रोहित शेखर के समाजवादी पार्टी में शामिल होखे के बात चरचा में.
  • सफाई अभियान से सहमति जतवले आआपा के अरविन्द केजरीवाल. बाकिर कहलन कि एह अभियान में बस फोटो खींचवावे ला नौटंकी होखत बा. आआपा कहलसि कि ई अभियान कवनो एक दल के ना हो के सगरी देश के अभियान ह.
  • आजु अधरतिया से पेट्रोल आ डीजल के दाम घटे के उमेद बा.
  • चंदौली जिला के मुगलसराय इलाका में काल्हु एगो नवही के गोली मार के मार दिहले बदमाश.
  • मोद्रिक नीति में कवनो बदलाव ना कइलसि रिजर्व बैंक. लोगो के अइसने अनेसा रहे.
  • बराक ओबामा के महात्मा गाँधी के गीता टीका आ राजघाट पर खींचल मार्टिन लूथर किंग के फोटो उपहार दिहलन नरेन्द्र मोदी.
  • नरेन्द्र मोदी से प्रभावित भइलन विदेशी निवेशक. मास्टरकार्ड सीईओ कहलन कि भारत में भरोसा जगा दिहलन मोदी.
  • तमिलनाडु में आजु कवनो फिलिम ना देखावल जाई. सगरी सिनेमाघर बन्द रही जयललिता के गिरफ्तारी का विरोध में.
  • ओबामा आ नरेन्द्र मोदी मिल के लिखिहें अमेरिका के एगो अखबार के संपादकीय. पहिला बेर अइसन होखे वाला बा.
  • पहिला बेर अमेरिका आ भारत मिल के जारी कइले विजन स्टेटमेंट. कहल गइल ‘चलें साथ साथ : फारवार्ड टुगेदर वी गो’.
  • 2 अक्टूबर का दिने स्वच्छता अभियान में शौचालय साफ करे के आदेश मिलल सरकारी अधिकारियन के. मंत्री लोग पहिलही लागल बा झाड़ू उठा के एह अभियान में.
  • चैम्पियन लीग बीसबीसा में आजु बारबाडोस ट्राइडेन्ट के मुकाबला न्यूजीलैण्ड के नार्दर्न नाइट्स से. हालांकि एह मैच के कवनो महत्व नइखे रहि गइल.
  • पाकिस्तान के लाहौर लायन्स सेमीफाइनल में पँहुचे ला पर्थ स्कार्चर्स से मुकाबला करी.
  • ओबामा के दिहल निजी डिनर पार्टी में मिशेल ओबामा मौजीद ना रहली. शाकाहारी भोजन परोसल गइल सभका के बाकिर नरेन्द्र मोदी उपवास पर.
  • वाशिंगटन में मोदी के शानदार स्वागत. ह्वाइट हाउस का सोझा पहिला बेर गरबा आ भांगड़ा कइले भारतीय अमेरिकी. बराक ओबामा कहलन केम छो मिस्टर प्राइम मिनिस्टर!
  • बिल क्लिंटन आ हिलेरी क्लिंटन के मुलाकात भइल. पैतालिस मिनट के बातचीत में भारत अमेरिका संबंध पर चरचा भइल.
  • अमेरिका के चेतावत नरेन्द्र मोदी कहलन कि अफगानिस्तान से निकले में हड़बड़ी मत करे ना त एकरो हाल उहे हो जाई जवन इराक में भइल.
  • ओबामा से मिले का पहिलही साफ क दिहलन पीएम मोदी कि खाद्य सुरक्षा आ व्यापार सहूलियत समझौता साथे साथ चलावे के पड़ी.
  • पीएम नरेन्द्र मोदी कहलन कि आतंक भारत के जनमल ना ह, एहिजा बाहर से भेजल जात बा. कहलन कि आतंकवाद आतंकवाद होला निमन आ बाउर ना. हर आतंकवाद बाउरे होला आ ओकरा से निपटे के पड़ी.
  • जयललिता के जमानत याचिका पर सुनवाई आजु ना होखी काहे कि पब्लिक प्रोसेक्यृटर के नाम तय अबहीं ले तय नइखे भइल.
  • भारत में निवेश के जोरदार पैरवी करत नरेन्द्र मोदी सोमार का दिने अमेरिका के उद्योगपतियन से बात कइलन आ टैक्स के स्थिर राखे के भरोसा दिहलन.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up