pub-4188398704664586

टटको में टटका खबर : 6 अक्टूबर 2014, सोमार

by | Oct 7, 2014 | 0 comments

सोमार का दिने उड़ीसा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक पीएम मोदी से भेंट कइलन.

सोमार का दिने उड़ीसा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक पीएम मोदी से भेंट कइलन.

  • हरियाणा के मुख्यमंत्री भूपेंद्र सिंह हुड्डा भाजपा के चुनौती दिहलन कि ऊ साबित क के देखावे कि हुड्डा केहू के सरकार के गैरकानूनी तरीका से जमीन दिहले बावे.
  • एगो चुनावी सभा में पीएम मोदी बिना कवनो नाम लिहले वाड्रा वाला जमीन प्रकरण के सवाल उठावत कहले रहन कि ‘दामाद जी’ के जमीन दे के हुड्डा आपन करजा उतरलन.
  • भाजपा अध्यक्ष अमितशाह महाराष्ट्र में कांग्रेस आ राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी पर आरोप लगवलन कि ई दुनू गोल मिल के राज्य के विकास का दौड़ मे पिछुआ दिहलसि.
  • मध्य प्रदेश में 8 से 10 अक्टूबर ले इंदौर में ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट के आयोजन होखी. एह समिट ला पीएम मोदी मंगल का दिने थोड़ देर ला इंदौर आवे वाला बाड़न. लोकसभा अध्यक्ष सुमित्रा महाजन विशेष अतिथि रहींहे.
  • पाकिस्तान भारत पर संघर्ष विराम लाँघे के आरोप लगावत कहलसि कि भारत का गोलीबारी से ओकर चार गो नागरिक मरा गइले.
  • केन्द्रीय संचार सूचना प्रौद्योगिकी आ कानून मंत्री रविशकंर प्रसाद जबलपुर में आईटी पार्क आ इलेक्ट्रानिक मेन्युफेक्चरिंग क्लस्टर के शिलान्यास कइलन. एह मौका पर मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान कहलन कि जल्दिए जबलपुर के नाम देश-दुनिया में इलेक्ट्रानिक सामान बनावे खातिर जाने जाए लागी.
  • भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड अध्यक्ष पद के चुनाव में अनुराग ठाकुर उम्मीदवार बन सकेलें. बोर्ड के आम सभा के बइठक 20 नबम्बर के होखे वाला बा जवना में नयका अध्यक्ष चुनाई.
  • मोतिहारी का घोड़ासहन इलाका के पकही टोला में छापेमारी क के पुलिस एगो गिरोह का अड्डा से ढेरहन दामी मोबाईल फोन समेत करीब 65 लाख के सामना जब्त कइलसि आ एक जने के गिरफतार.
  • अलीगढ मुस्लिम विश्वविद्यालय के कार्यकारी परिषद रजिस्ट्रार शारुख शमशाद के इस्तीफा सकार लिहलसि.
  • देवरिया जिला के बनकटा में मूर्ति भसावन में डीजे बजावे के दोसरा समुदाय के लोग के विरोध का बाद बवाल हो गइल जवना में तीन चार जने घाहिल हो गइले.
  • वाराणसी के कोतवाली इलाका में एगो पेन्ट आ किराना गोदाम में आग लगला से लाखों रुपिया के सामान जर गइल.
  • देवरिया के सदर कोतवाली इलाका में मेला में भइल पति के मौत का बाद उनकर औरत ट्रेन से कटा के जान दे दिहलसि.
  • जदयू अध्यक्ष शरद यादव के कहना बा कि स्वच्छता अभियान चला के पीएम मोदी लोग के धेयान भटकावल चाहत बाड़न आ सरकार बेरोजगारन ला कुछ नइखे करत.
  • गोण्डा के मनकापुर इलाका के एगो मन्दिर से मूर्ति चोरा लिहल गइल बा.
  • तमिलनाडु में निजी स्कूल कालेज के बंदी वापस ले लिहल गइल बा. जयललिता के मिलल सजाय का खिलाफ मंगल का दिने बंद राखे के एलान कइले रहले स्कूल चलावे वाला.
  • जदयू के कहना बा कि गांधी मैदान भगदड़ में मराइल लोग के लाश पर भाजपा राजनीति करे में लागल बिया. सरकारी लापरवाही का चलते ओह भगदड़ में तैंतीस लोग मर गइल रहे.
  • विधानमंडल भाजपा दल के नेता सुशील कुमार मोदी पटना भगदड़ के सर्वदलीय जाँच करावे आ गाँधी मैदान के सीसीटीवी फुटेज के सार्वजनिक करे के माँग कइले बाड़न.
  • अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष चाहत बावे कि भारत के रिर्जव बैंक ब्याज दर अउरी बढ़ावे का बारे में सोचे.
  • जम्मू कश्मीर के अरनिया सेक्टर में पाकिस्तानी गोलीबारी से पाँचआदमी के मौत हो गइल आ अनेके मकान के नुकसान चहुँपल बा.
  • देश की सबले बड़ कार निर्माता कंपनी मारूति सुजुकी इंडिया आजु आपन नया सेडान कार ‘सियाज’ बाजार में उतरलसि.
  • आम आदमी पार्टी के विधायक राजेश गर्ग अरविंद केजरीवाल से दल में शामिल भ्रष्ट आ अमीर लोगे बढावल बंद करे के आ दिल्ली में फेर से चुनाव के माँग बन्द करे के कहलन.
  • अब पीएम मोदी कांग्रेस से नेहरू आ इंदिरो के प्रतीक छीने में लाग गइल बाड़न. कहले बाड़न कि नेहरू के जनमदिन 14 नवम्बर से शुरु हो के इंदिरा गांधी के जनमदिन 19 नवम्बर ले स्कूलन में स्वच्छता अभियान चलावल जाई.
  • मिस्र के एगो आतंकवादी संगठन विडियो जारी क के देखवले बावे कि इजरायल के खुफिया एजेंसी मोसाद ला काम करे वाला तीन जने के गरदन काट दिहल गइल बा.
  • पुणे के पांच सितारा होटल ‘हयात पुणे’ में विश्व जूनियर शतरंज चैम्पियनशिप के आयोजन शुरू भइल जवना में 45 देश से 200 से अधिका खिलाड़ी हिस्सा लेत बाड़े.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में पढ़े ला टटका खबर पर जाईं


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

Scroll Up pub-4188398704664586